ज्योतिर्लिंग

शिव के बिसेस निरूपण

 

ज्योतिर्लिंग (संस्कृत: ज्योतिर्लिङ्ग) चाहे ज्योतिर्लिंगम्, हिंदू देवता शिव के भक्ति-भरल निरूपण हवें। ई शब्द ज्योति ('प्रकाश') आ लिंग ('चीन्हा') के संस्कृत समास हवे। शिव महापुराण (जेकरा शिव पुराणशिव पुराणो कहल जाला) में भारत के 64 गो मूल ज्योतिर्लिंग तीर्थ सभ के जिकिर कइल गइल बा।

द्वादश ज्योतिर्लिंग संपादन करीं

द्वादश ज्योतिर्लिंग' (संस्कृत द्वादश माने बारह), बारह गो ज्योतिर्लिंग सभ, के नाँव आ स्थान के जिकिर शिव पुराण (शतरुद्र संहिता, अध्याय: 42/2-4) में दिहल गइल बा। विस्तृत कथा कोटिरुद्र संहिता, अध्याय 14 से 33 में दिहल गइल बा। ई मंदिर (क्रम में ना) बाड़ें:

# ज्योतिर्लिंग फोटो राज्य लोकेशन बिबरन
1 सोमनाथ   गुजरात वेरावल, सौराष्ट्र
2 मल्लिकार्जुन   आंध्र प्रदेश श्रीशैलम
3 महाकालेश्वर   मध्य प्रदेश उज्जैन
4 ओंकारेश्वर   मध्य प्रदेश खंडवा
11 केदारनाथ   उत्तराखंड केदारनाथ
6 भीमाशंकर   महाराष्ट्र खेड़ तालुका, पुणे
9 काशी विश्वनाथ मंदिर   उत्तर प्रदेश बनारस
10 त्र्यंबकेश्वर   महाराष्ट्र त्र्यंबक, नासिक के लगे
8 नागेश्वर   महाराष्ट्र हिंगोली के लगे
5 बैद्यनाथ   झारखंड बाबा धाम, देवघर
7 रामेश्वरम   तमिलनाडु रामेश्वरम
12 घृष्णेश्वर   महाराष्ट्र औरंगाबाद, महाराष्ट्र

बाहरी कड़ी संपादन करीं