टॉरनैडो

बहुत घातक तेजी से घुमरियावत हवा के सूँढ़ नियर मौसमी घटना जे नीचे जमीन से ले के ऊपर कपासी बरखा बाद क

टॉरनैडो चाहे टारनेडो (अंग्रेजी: tornado) बहुत तेज घुमरीदार हवा के तूफान हवे। ई बवंडर भा चक्रवात के एगो किसिम हवे जेह में सेंटर में बहुत कम हवादाब के चलते चारो ओर से हवा सेंटर के ओर झपटे ला आ हवा के घुमरीदार खम्हा नियर बन जाला जे ऊपर आसमान में झंझावात के निचला हिस्सा से ले के धरती के सतह तक ले हाथी के सूंढ़ नियर या फिर कुप्पी नियर लटकल लउके ला। एही से एकरा के बहुत तेज घुमरियावत हवा के खम्हा के रूप में परिभाषित कइल जाला।[1] अंग्रेजी में अइसन तूफान सभ के आमतौर पर ट्विस्टर, व्हर्लविंड भा साइक्लोन[2] कहल जाला हालाँकि, मौसम बिज्ञान में साइक्लोन के मतलब चक्रवात होला जे हवा के घुमरीदार बहाव वाला सिस्टम खातिर अउरी ब्यापक रूप से होला जेह में अगर देखे वाला ब्यक्ति आसमान से नीचे के ओर एह सिसटम के देखे तब इनहन में हवा के बहाव उत्तरी गोलार्ध में घड़ी के सुई के बिपरीत आ दक्खिनी गोलार्ध में घड़ी के दिसा में होला।[3]

टॉरनैडो
Tornado
एली, मैनीटोबा के ओर बढ़त एगो टॉरनैडो
सीजनमुख्य रूप से बसंतगर्मी के सीजन में; बाकी साल के कौनों समय
परभावहवा से बिनास

टॉरनैडो सभ बिबिध साइज आ आकृति के हो सके लें, अक्सरहा ई कुप्पी के आकृति में देखलाइ पड़े वाला बादर के रूप में होखे लें जे कपासीबरसाती बादर के निचला तली से नीचे जमीन की ओर लटकल रहे ला आ ऊपर बादर आ निचला हिस्सा में धूर-माटी आ कंजास घुमरीदार हवा के साथे चक्कर लगावत रहे ला। ज्यादातर टॉरनैडो सब के स्पीड 110 मील प्रति घंटा (180 किमी/घं) से कम्मे रहे ला आ ई लगभग 250 फीट (80 मी) के गति से आगे बढ़े लें आ कुछ किलोमीटर तक जा के फिर गायब हो जालें। अगर बहुत बिनासक टॉरनैडो होखे तब इनहन में हवा के स्पीड 300 मील प्रति घंटा (480 किमी/घं) से बेसी हो सके ले आ ई two मील (3 किमी) से ढेर डायमीटर वाला हो सके लें, जमीन पर कई दर्जन मील (100 किमी से बेसी) दूरी तय क सके लें।[4][5][6]

सभसे ढेर टारनेडो अमेरिका देस में आवे लें। भारत में ई कभी कभार आवे लें उदाहरण खातिर 2010 में कलकत्ता के आसपास पच्छिम बंगाल में अइसन तूफान 13 अप्रैल के आइल जेह में काफी तबाही भइल रहे आ लगभग दस लाख लोग बेघर भइल; ई मानसून के नार्वेस्टर तूफान सभ के दौरान आइल रहे।[7]

संदर्भ संपादन करीं

  1. Safety (2019-01-08). "Tornado Safety". Weather.gov. Retrieved 2020-02-22.
  2. "merriam-webster.com". merriam-webster.com. Retrieved 2012-09-03.
  3. Garrison, Tom (2012). Essentials of Oceanography. Cengage Learning. ISBN 978-0-8400-6155-3.
  4. Wurman, Joshua (2008-08-29). "Doppler on Wheels". Center for Severe Weather Research. Archived from the original on 2007-02-05. Retrieved 2009-12-13.
  5. "Hallam Nebraska Tornado". National Weather Service. National Oceanic and Atmospheric Administration. 2005-10-02. Retrieved 2009-11-15.
  6. Roger Edwards (2006-04-04). "The Online Tornado FAQ". Storm Prediction Center. National Oceanic and Atmospheric Administration. Archived from the original on 2006-09-29. Retrieved 2006-09-08.
  7. "Tornado leaves almost one million homeless in India". Reuters (अंग्रेजी में). 22 अप्रैल 2010. Retrieved 8 फरवरी 2022.

बाहरी कड़ी संपादन करीं