पर्यावरणी शिक्षा
पर्यावरणी शिक्षा शिक्षा एक एह ठो प्रकार हवे जे अइसन चीज सिखावे पर केंद्रित बा कि मनुष्य अपना पर्यावरण के कइसे बेहतर ढंग से मैनेज क सके ला। ई एह बात के सिखावे के संस्थागत प्रयास हवे कि पर्यावरण के सिस्टम कइसे काम करे ला, मनुष्य द्वारा कइसे परभावित होला, आ मनुष्य के पर्यावरण पर पड़े वाला परभाव आ इनहन से उपजल पर्यावरणी समस्या सभ के कइसे मैनेज कइल जाय।
पर्यावरणी शिक्षा कौनों ख़ास किसिम के बिचारधारा के वकालत ना करे ला बलुक हर ब्यक्ति में खुद के बिबेक आ निर्णयक्षमता पैदा करे के कोसिस करे ला ताकि ऊ पर्यावरण से संबंधित मुद्दा सभ पर बेहतर तरीका से निर्णय ले सके।
परिभाषा
संपादन करींयूनाइटेड नेशंस एन्वायरमेंट प्रोग्राम द्वारा पर्यावरणी शिक्षा के परिभाषा दिहल गइल बा कि,
“ | पर्यावरणी शिक्षा अइसन प्रक्रिया ह जे ब्यक्ति के पर्यावरणी मुद्दा सभ के जानकारी हासिल करे, समस्या समाधान में सहभागी बने, आ पर्यावरण के बेहतर बनावे खातिर एक्शन लेवे के अवसर उपलब्ध करावे ला। परिणाम के तौर पर, ब्यक्ति लोग पर्यावरणी मुद्दा सभ के गहिराई से समझ बिकसित करे ला आ अइसन कौशल वाला बनेला कि जानकारीपूर्ण आ जिम्मेदार तरीका से निर्णय ले सके। | ” |
— ईपीए, What is Environmental Education?[1] |
फोकस
संपादन करींपर्यावरण शिक्षा के अंग के रूप में नीचे दिहल गइल चीज बतावल बा[1]:
- जागरुकता आ संवेदनशीलता - पर्यावरण आ पर्यावरणी चुनौती सभ के प्रति
- ज्ञान आ समझ - पर्यावरण आ एकरे चुनौती सभ के
- दृष्टिकोण आ मोटिवेशन - पर्यावरण गुणवत्ता बढ़ावे खातिर
- कौशल बिकास - पर्यावरणी चुनौती सभ के पहिचान करे आ समाधान करे खातिर
- सहभागिता - पर्यावरणी चुनौती के समाधान के ओर आगे बढ़े में साहयक एक्टिविटी सभ में।
इहो देखल जाय
संपादन करींसंदर्भ
संपादन करीं- ↑ 1.0 1.1 "What is Environmental Education?" (अंग्रेजी में). Retrieved 22 मई 2017.
Environmental education is a process that allows individuals to explore environmental issues, engage in problem solving, and take action to improve the environment. As a result, individuals develop a deeper understanding of environmental issues and have the skills to make informed and responsible decisions.
ई लेख शिक्षा आ पढ़ाई से संबंधित एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |