प्लेटलेट

खून में मौजूद बिना नाभिक के कोशिका जे खून के थक्का जमावे में सहजोग करे लीं

प्लेटलेट्स (अंग्रेजी: platelets) चाहे थ्रोम्बोसाइट्स (thrombocytes) खून के हिस्सा होलें जिनहन के मुख्य काम चोट-चपेट लागे चाहे कटे पर नस सभ से खून के बाहर बहे से रोके खातिर खून के थक्का बनावल होखे ला। प्लेटलेट्स सभ में कोशिका के केंद्रक (सेल न्यूक्लियस) ना होखे ला आ ई खाली भर साइटोप्लाज्म के टुकड़ा होखे लीं जे हड्डी के मज्जा (गूदेदार हिस्सा) में चाहे फेफड़ा में बने लीं आ आगे खून में सामिल हो जालीं। प्लेटलेट्स सभ मैमल (अपना बच्चा के दूध पियावे वाला) जानवर सभ में मिले लीं।

Platelets
एगो लाइट माइक्रोस्कोप से लिहल गइल इमेज (500 X) खून के भीतर बैंगनी रंग से प्लेटलेट्स आ गुलाबी रंग से लाल ब्लड सेल (आरबीसी) देखावल गइल बाटे।
Details
Precursorमेगाकार्योसाइट्स
Functionखून के थक्का जमावल; खून बहे से रोकल
Identifiers
LatinThrombocytes
MeSHD001792
FMA62851
Anatomical terms of microanatomy

प्लेटलेट्स के निश्चित गिनती होखल सेहत खातिर जरूरी होला। कई कारन से इनहन के गिनती में कमी आ सके ला। नार्मल से कम गिनती हो जाए के समस्या के थ्रॉम्बोसाइटोपेनिया के नाँव से जानल जाला। ई बिबिध कारन आ बेमारी सभ के दसा में हो सके ला। आमतौर प डेंगू नियन बेमारी में आदमी के खून में प्लेटलेट्स के गिनती कम हो जाला आ थ्रॉम्बोसाइटोपेनिया के इस्थिति बन जाला जे अपना चरम केस में घातक आ जानलेवा हो सके ला।