प्लेबैक सिंगर
अइसन गायक/गायिका जेकरे आवाज में साउंडट्रैक रिकार्ड कइल जाय आ फिलिम में एक्टर लोग ओह पर मुँह चलावे
प्लेबैक सिंगर (अंग्रेजी: playback singer) अइसन गायक कलाकार होखे लें जिनहन लोगन के आवाज में गीत रिकार्ड क लिहल जाला आ फिर एह रिकार्डिंग के फिलिम सभ में इस्तेमाल कइल जाला। प्लेबैक सिंगर लोग साउंडट्रैक रिकार्ड करा देला आ फिलिम में जेकरा ऊपर ई गाना शूट होखे ला ऊ एक्टर/ऐक्ट्रेस लोग गाना के बोल पर मुँह चलावे ला जेकरा के लिप-सिंकिंग कहल जाला; असली गायक/गायिका फिलिम में स्क्रीन पर ना लउके लें।

लता मंगेशकर एगो परसिद्ध प्लेबैक सिंगर रहल बाड़ी जे अपना कैरियर में हजारन गो गाना रिकार्ड करा चुकल रहली।
हिंदी भाषा में एह लोगन के पार्श्वगायक/पार्श्वगायिका कहल जाला
![]() | ई लेख केहू गायक या गायिका पर एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |