लता मंगेशकर (28 सितंबर 1929 - 6 फरवरी 2022) एगो भारतीय गायिका रहली। ई भारत के सभसे प्रसिद्ध आ जानल-मानल गायिका रहली। मंगेशकर अपना सत्तर साल से ढेर लमहर कैरियर में मराठी आ हिंदी सहित कुल लगभग छत्त्तीस क्षेत्री भाषा सभ में, हजार से बेसी हिंदी फिलिमी गीत गवले रहली। भारत सरकार द्वारा 2001 में इनके सभसे ऊँच राष्ट्रीय नागरिक सम्मान भारत रत्न दिहल गइल रहल।

लता मंगेशकर
2014 में लता मंगेशकर
Born
हेमा मंगेशकर

(1929-09-28)28 सितंबर 1929[1]
इंदौर, इंदौर राज, सेंट्रल इंडिया एजेंसी, ब्रिटिश राज
(वर्तमान में मध्य प्रदेश, भारत)
Died6 फरवरी 2022(2022-02-06) (उमिर 92)[2]
बंबई, महाराष्ट्र, भारत
Nationalityभारतीय
Occupationsप्लेबैक सिंगर, संगीतकार, प्रोड्यूसर
Years active1942–अबतक
Parentsदीनानाथ मंगेशकर (पिताजी)
शेवंती मंगेशकर (महतारी)
Relativesआशा भोंसले (बहिन)
उषा मंगेशकर (बहिन)
मीना मंगेशकर (बहिन)
हृदयनाथ मंगेशकर (भाई)
Awards
Honours

6 फरवरी 2022 के बंबई के ब्रीच कैंडी अस्पताल में इनकर निधन कोविड-19 बेमारी होखले के बाद के जटिलता सभ के चलते भ गइल।[2]

  1. "Lata Mangeshkar won't celebrate 87th birthday, says 'jo shahid hue hai unki yaad karo kurbani' ['remember the victims and their sacrifice']". The Indian Express. 28 September 2016. Retrieved 28 September 2016.
  2. 2.0 2.1 "लता मंगेशकर नहीं रहीं, 92 साल की उम्र में निधन". BBC News हिंदी (हिंदी में). 6 फरवरी 2022. Retrieved 6 फरवरी 2022.