फ्रीवेयर

अइसन सॉफ्टवेयर जे फ्री में उपलब्ध करावल जालें, जबकि मलिकाई के हक़ तबो सुरक्षित रहे ला

फ्रीवेयर (अंग्रेजी: freeware) अइसन सॉफ्टवेयर होला जे प्रोपराइटरी त होला, मने कि मालिकाना हक डेवलप/पब्लिश करे वाली कंपनी के लगे जरूर होला, बाकी तबो ई अंतिम प्रयोगकर्ता के बिना कौनों लागत के बितरित कइल जाला। अधिकार, लाइसेंस भा EULA के कौनों एकमत सेट नइखे जे फ्रीवेयर के निर्विवाद रूप से परिभाषित करे; हर पब्लिशर जवन फ्रीवेयर पेश करेला ओकरा खातिर आपन मोटामोटी नियम खुदे तय करेला। उदाहरण खातिर, संशोधन (मोडिफिकेशन), तिसरा पक्ष द्वारा दोबारा बितरण आ रिवर्स इंजीनियरिंग के अनुमति कुछ पब्लिशर लोग द्वारा दिहल जालीं बाकी कुछ लोग द्वारा अइसन चीज प रोक रहे ला।[1][2][3] मुफ्तओपन-सोर्स सॉफ्टवेयर के बिपरीत, जे अक्सरहा मुफ्त में भी बितरित होलें, आमतौर पर फ्रीवेयर खातिर सोर्स कोड उपलब्ध ना करावल जालें।[1][3][4][5] फ्रीवेयर के मकसद अपना निर्माता के फायदा पहुँचावल हो सके ला, उदाहरण खातिर, अउरी सक्षम आ एडवांस संस्करण के बिक्री के प्रोत्साहित कइल, जइसे कि फ्रीमियम आ शेयरवेयर बिजनेस मॉडल में देखे के मिले ला।[6]

फ्री ट्रायल संपादन करीं

कई ठे सॉफ्टवेयर आपन प्रोडक्ट के कुछ लिमिटेड समय खातिर फ्री में ट्रायल उपलब्ध करावे लें। एकर मकसद प्रोडक्ट के मार्केटिंग कइल आ ओकरे इस्तेमाल के बढ़ावा दिहल होखे ला।

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 "Freeware Definition". The Linux Information Project. 2006-10-22. Retrieved 2009-06-12.
  2. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named lawrence
  3. 3.0 3.1 उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named gnu
  4. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named dod-definition
  5. उद्धरण खराबी:Invalid <ref> tag; no text was provided for refs named wolfire2010
  6. Lyons, Kelly; Messinger, Paul R.; Niu, Run H.; Stroulia, Eleni (2012). "A tale of two pricing systems for services". Information Systems and E-Business Management (अंग्रेजी में). 10 (1): 19–42. doi:10.1007/s10257-010-0151-3. ISSN 1617-9846. S2CID 34195355.