ब्लैक नॉर'ईस्टर
उत्तरी पूर्वी ऑस्ट्रेलिया में तुफान के मौसमी घटना आ हवा
ब्लैक नॉर'ईस्टर (अंग्रेजी: Black nor'easter) एक किसिम के लगातार रहे वाला आ गम्हीर आन्ही-तूफान वाला उतर-पुरुआ तुफान हवे जे ऑस्ट्रेलिया के पूरबी तट पर आवे ला। एकरे आवे के समय देर बसंत आ सुरुआती पतझड़ (ऑटम) सीजन होखे लें आ ई आमतौर पर दू दिन (चाहे बेसी, अगर बहुत गम्हीर होखे) रहे ला। भले ई कन्वेक्शन वाली हवा ना हवे, समुंद्र तीरे से कुछ दूरी पर (ऑफ़शोर) डेवेलप होखे वाला ई तूफान कई दिनन ले रह सके ला।
एकरे आवे पर गम्हीर करिया बादर बने लें आ झकोरे दार हवा (गेल) चले ले आ भारी बरखा आवे ला जे झंझावात के साथे हो सके ला।[1] एह किसिम के तुफान के पहिली बेर 1800 के दशक में चिन्हित कइल गइल रहल।[2]
इहो देखल जाय
संपादन करींसंदर्भ
संपादन करीं- ↑ "NORTHCLIFFE BOATS CAPSIZE IN "BLACK NOR'EASTER". Illawarra Daily Mercury. Wollongong, NSW: National Library of Australia. 8 जनवरी 1951. p. 10. Retrieved 27 मार्च 2015.
- ↑ "BLACK NOR-EASTER". The Sydney Morning Herald. National Library of Australia. 30 अक्टूबर 1911. p. 7. Retrieved 27 मार्च 2015.
बाहरी कड़ी
संपादन करीं- The Black Nor'easter: a historical study swellnet.com पर (अंग्रेजी में)
ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई ऑस्ट्रेलिया के भूगोल-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |