ब्रिकफील्डर

दक्खिनी ऑस्ट्रेलिया में बहे वाली सूखल धूर-भरल गरम उत्तर से दक्खिन बहे वाली लोकल हवा

ब्रिकफील्डर (अंग्रेजी: Brickfielder; ब्रिकफ़ील्डर ) चाहे ब्रिकफिल्डर, दक्खिनी आस्ट्रेलिया में बहे वाली गरम, सूखल, धूर-भरल लोकल हवा हवे।[1] एह हवा के उत्पत्ती आस्ट्रेलिया के इंटीरियर (अंदरूनी) इलाका सभ में बसंत के बाद आ गरमी के सीजन में होला आ ई उत्तर से दक्खिन के बहे ले। एकरा चलते समुंद्रतटीय इलाका सभ में गर्मी बढ़ जाला। ई हवा काफी कुछ उत्तर अफिरका आ यूरोप के भूमध्य सागरीय तट पर बहे वाली हवा सिरोको नियन होखे ले।[2] एकरा के अर्जेंटाइना में बहे वाली जोंडा हवा के समकक्ष भी मानल जाला आ एकर एगो नाँव साउदर्ली बस्टर हवे।[3]

हवा के उत्पत्ती आस्ट्रेलियाई इंटीरियर के रेगिस्तान वाला इलाका में होखे ले आ ई उतरही हवा हवे।

एकर नाँव ब्रिकफील्ड पहाड़ी के नाँव पर पड़ल हवे जे वर्तमान में सेंट्रल सिडनी के हिस्सा बाटे।[4]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. Allaby, Michael (14 मई 2014). The Facts on File Weather and Climate Handbook (अंग्रेजी में). Infobase Publishing. pp. 27–28. ISBN 978-1-4381-0960-2. Retrieved 22 अप्रैल 2022.
  2. Morris, Edward Ellis (9 जून 2011). Austral English: A Dictionary of Australasian Words, Phrases and Usages (अंग्रेजी में). Cambridge University Press. ISBN 978-1-108-02879-0.
  3. "Wind of the World: Brickfielder | weatheronline.co.uk". www.weatheronline.co.uk. Retrieved 22 अप्रैल 2022.
  4. "brickfielder". Oxford Reference (अंग्रेजी में). doi:10.1093/oi/authority.20110803095526876. Retrieved 22 अप्रैल 2022.