मनी प्लांट

लता वाला एगो पौधा प्रजाति

मनी प्लांट (अंग्रेजी: Money plant; बैज्ञा. नाँव: Epipremnum aureum) फूलदार पौधा सभ के अरुम परिवार अरासियाए के एगो प्रजाति हवे। ई लता होले जेह में एक के बाद एक पतई निकलें लीं आ ई दिल के आकृति के होखे लीं। लता के रूप में ई दुसरे फेड़ सभ चाहे देवाल, तार नियर चीजन पर चढ़ जाले, एह में हवा में सोर निकले लीं जे कौनों सतह पर सपट जालीं आ एकरे चढ़े में मदद करे लीं आ अगर मिले तब एह लता के पोषण करे लीं।

मनी प्लांट
Cultivar ‘Golden Queen’
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम: प्लेंटाई
(Plantae)
क्लैड (Clade): एंजियोस्पर्म
(Angiosperms)
क्लैड (Clade): Monocots
ऑर्डर (Order): Alismatales
परिवार: Araceae
जाति (Genus): Epipremnum
प्रजाति: E. aureum
दूपद नाँव
Epipremnum aureum
(Linden & André) G.S.Bunting, 1964
अउरी दूसर नाँव[1]
  • Epipremnum mooreense
    Nadeaud, 1899
  • Pothos aureus
    Linden & André, 1880
  • Rhaphidophora aurea
    (Linden & André) Birdsey, 1963
  • Scindapsus aureus
    (Linden & André) Engl., 1908

ई पौधा मूल रूप से प्रशांत महासागर के बीचा में मौजूद फ्रेंच पाॅलिनेशिया के सोसायटी दीप के हवे। ई समशीतोष्ण इलाका सब में पॉपुलर सजावटी पौधा हवे आ वर्तमान में ई उष्णकटिबंधियो इलाका सभ में सजावटी पौधा के रूप में बहुत लगावल जाला। कई इलाका सभ में ई पौधा पहुँच के उहाँ के प्राकृतिक इकोसिस्टम के नोकसानो पहुँचवले बाटे।

हालाँकि, ई प्रजाति के हिसाब से फूलदार पौधा हवे, अपने आप अब शायदे कभी फुलाला जबले की एह में फूल लियावे खाती अलगा से हार्मोन न दिहल जाय। अपने-आप एह में फूल फुलाए के घटना अंतिम बेर 1964 में देखल गइल रहल।

एह पौधा के रॉयल हॉर्टिकल्चर सोसायटी के गोल्डन मेरिट अवार्ड मिल चुकल बाटे।

संदर्भ संपादन करीं

  1. Epipremnum aureum (Linden & André) G.S.Bunting Archived 2020-11-28 at the Wayback Machine. In: The Plant List (2013). Version 1.1. Published on the Internet; http://www.theplantlist.org/ Archived 2019-05-23 at the Wayback Machine [2015-02-28].

बाहरी कड़ी संपादन करीं

  • Pothos Production Guide - discusses care of this plant
  • Xu, Zhongjun; Wang, Li; Hou, Haiping (May 2011). "Formaldehyde removal by potted plant–soil systems". Journal of Hazardous Materials. 192 (1): 314–8. doi:10.1016/j.jhazmat.2011.05.020. PMID 21641719.