मार्को पोलो (अंग्रेजी: Marco Polo; 1254 – 8–9 जनवरी 1324) एगो इटैलियन ब्यापारी, यात्री, खोजी आ लेखक रहलें। ई वेनिस रिपब्लिक में पैदा भइलें आ इनके जात्रा सभ के बिबरन Livres des merveilles du monde के नाँव से छपल। एकरा के मार्को पोलो के जात्रा के नाँव से भी जानल जाला। ई किताब यूरोप के लोग के चीन देस के बिसाल आकार, एकर राजधानी पेकिंग आ अउरी एशियाई शहर सभ के बारे में जानकारी देवे खातिर लिखल गइल रहल।

map depicting route
मार्को पोलो के जात्रा के रास्ता के नक्शा

मार्को पोलो अपने दू गो चाचा लोग, निकोलो आ मैफियो, के साथे जतरा कइलेन आ ई इतिहासी जतरा में कुल 24 बरिस लागल। इनके चाचा लोग पहिले अइसन जात्रा क चुकल रहे आ कुबलई खान से मिल चुकल रहे।

संदर्भ संपादन करीं

बाहरी कड़ी संपादन करीं