मीथेन
मीथेन चाहे मेथेन (अंगरेजी: Methane; अमे. उच्चा.: मॆथेन) एगो रासायनिक कंपाउंड हवे जेकर रासायनिक फार्मूला CH4 हवे (मने कि एह में कार्बन के एक ठो परमाणु आ हाइड्रोजन के चार ठे परमाणु होखे लें)। आम तापमान आ दाब पर ई पृथ्वी पर गैस के रूप में मिले ले। ई ग्रुप-14 के हाइड्राइड हवे आ सभसे सिंपल अल्केन हवे। एकर पृथ्वी पर मौजूद भरपूर मात्रा एकरे ईंधन (जलावन गैस) के रूप में इस्तेमाल खातिर उपयुक्त बनावे ले बाकी एकरा के वायुमंडल से अलगा के एकट्ठा कइल कठिन होखे के कारन एह तरीका से इस्तेमाल बहुत ना हो पावे ला।
![]() | |||
| |||
नाँव | |||
---|---|---|---|
सहज IUPAC नाँव
Methane[1] | |||
सिस्टमेटिक IUPAC नाँव
Carbane (never recommended[1]) | |||
अउरी नाँव
| |||
अगर अन्य जानकारी न दिहल गइल होखे, पदार्थन खाती आँकड़ा उनहन के स्टैंडर्ड स्टेट (25 °C [77 °F], 100 kPa पर) बतावल गइल बा। | |||
मीथेन गैस धरती के सतह से नीचे के हिस्सा में आ समुंद्र के तली में पावल जाले जबकि धरती के सतह पर ई कई जीवीय प्रक्रिया द्वारा बने ले। एकर उत्पत्ती भूबिग्यानी आ जीवीय दुनो तरीका से होला। ई गोबर आ दलदली जगह में भी प्राकृतिक रूप से मिले ले। ई एगो ग्रीनहाउस गैस हवे आ एकर मात्रा वर्तमान में वायुमंडल में बढ़ रहल बाटे। एकर सभसे बेसी कंसंट्रेशन समुंद्री तली में पावल जाले।
संदर्भसंपादन
- ↑ 1.0 1.1 "Front Matter". Nomenclature of Organic Chemistry : IUPAC Recommendations and Preferred Names 2013 (Blue Book). Cambridge: The Royal Society of Chemistry. 2014. pp. 3–4. doi:10.1039/9781849733069-FP001. ISBN 978-0-85404-182-4.
Methane is a retained name (see P-12.3) that is preferred to the systematic name ‘carbane’, a name never recommended to replace methane, but used to derive the names ‘carbene’ and ‘carbyne’ for the radicals H2C2• and HC3•, respectively.
ई रसायनशास्त्र-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई पर्यावरण-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |