यूराल नदी
यूराल (अंग्रेजी: Ural river) रूस आ कजाकिस्तान देसन में बहे वाली जे परंपरागत बिभाजन में यूरोप आ एशिया महादीपन के सीमा बनावे ले। ई यूराल परबत के दक्खिनी हिस्सा से निकले ले आ अंत में कैस्पियन सागर में जा गिरे ले। 2,428 किलोमीटर (1,509 मील) के लंबाई वाली ई नदी वोल्गा आ डेन्यूब के बाद यूरोप महादीप के तिसरी सबसे लमहर नदी हवे आ एशिया महादीप के 18वीं सबसे लमहर नदी हऽ।
यूराल | |
---|---|
लोकेशन | |
देश | कजाकिस्तान, रूस |
भौतिक लच्छन सभ | |
Source | |
- location | यूराल परबत |
मुहाना | |
- location | कैस्पियन सागर |
लंबाई | 2,428 किमी (1,509 मील) |
थाला के साइज | 231,000 किमी2 (89,000 वर्ग मील) |
Discharge | |
- average | 400 m3/s (14,000 cu ft/s) |
ऑफिशियल नाँव | Ural River Delta and adjacent Caspian Sea coast |
तिथी | 10 मार्च 2009 |
रिफरेंस नं॰ | 1856[1] |
यूराल नदी के उदगम यूराल परबत के माउंट क्रुग्ल्याया चोटी के लगे से होखे ला जेकरे बाद ई परबत के समानांतर दक्खिन मुँह बहे ले आ मैग्नितोगोर्स्क पहुँचे ले, एकरे बाद ओर्स्क हो के बहे के बाद पच्छिम मुँह के हो जले आ लगभग 300 किमी बहे के बाद ओराल के लग्गे फिर से दक्खिन मुँह के हो जाले। एकरा बाद ई एगो बड़हन मैदानी हिस्सा में मियांडर बनावत बहे के बाद अत्यराओ के कुछ नीचे जा के कैस्पियन सागर में मिले ले आ आपन खास किसिम के फेड़ के आकृति भा चिरई के पंजा के आकृति के (डिजीटेट) डेल्टा बनावे ले।
यूराल नदी के डेल्टा आ आसपास के कैस्पियन सागर के तीर रामसर साइट के दर्जा वाला अस्थान हवे, एकरा के ई दर्जा 2009 में दिहल गइल रहे।
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ "Ural River Delta and adjacent Caspian Sea coast". Ramsar Sites Information Service. Retrieved 25 April 2018.
ई लेख कौनो नदी के बारे में एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |