राइमोना नेशनल पार्क
राइमोना नेशनल पार्क चाहे रायमोना नेशनल पार्क (अंग्रेजी: Raimona National Park) भारतीय राज्य आसाम के एकदम पच्छिमी हिस्सा में उत्तर ओर मौजूद एगो नेशनल पार्क बाटे। ई नेशनल पार्क बोडोलैंड टेरिटरी के कोकराझार जिला के गोसाईंगंज आ कोकराझार सबडिवीजन में बा। एकरा के नेशनल पार्क के रूप में बनावे के घोषणा बिस्व पर्यावरण दिवस पर 5 जून 2021 के कइल गइल। मनास टाइगर रिजर्व के सभसे पच्छिमी बफर जोन के रूप में काम करे वाला रिपु रिजर्व फारेस्ट के हिस्सा में ई पार्क 422 किमी2 (163 वर्ग मील) के लगातार बन क्षेत्र में बिस्तार लिहले बाटे; ई पूरबी हिमालयन बायोडाइवर्सिटी हॉटस्पॉट के हिस्सा हवे।[1]
राइमोना नेशनल पार्क | |
---|---|
रायमोना नेशनल पार्क | |
आइयूसीएन श्रेणी II (राष्ट्रीय पार्क) | |
लोकेशन | सरलपाड़ा, कोकराझार जिला, आसाम |
नजदीकी शहर | कोकराझार |
भूगोलीय निर्देशांक | 26°39′35″N 89°58′34″E / 26.65972°N 89.97611°Eनिर्देशांक: 26°39′35″N 89°58′34″E / 26.65972°N 89.97611°E |
रकबा | 422 किमी2 (163 वर्ग मील) |
बनल | 9 जून 2021 |
गवर्निग बॉडी | आसाम सरकार |
शुरुआत में एह जगह के रिपु-चिरांग वाइल्डलाइफ सैंक्चुअरी बनावे के बिचार रहल बाकी बाद में एकरा के नेशनल पार्क के रूप में बनावल गइल। 9 जून 2021 के, आसाम गैजेट में नोटिफिकेशन के बाद से ई आसाम के छठवाँ नेशनल पार्क बन गइल।[2]
एह नेशनल पार्क में एशियाई हाथी, गौर (इंडियन बिशन), आ सुनहरा लंगूर सभ के मजिगर आबादी बाटे। ई नेशनल पार्क चिरांग-रिपु एलिफैंट रिजर्व के भी हिस्सा बाटे।
इहो देखल जाय
संपादन करींसंदर्भ
संपादन करीं- ↑ "Assam: Raimona declared National Park on World Environment Day". assamtribune.com. The Assam Tribune. 5 जून 2021. Retrieved 5 जून 2021.
- ↑ "Raimona becomes Assam's sixth national park". thenewsmill.com. The News Mill. 5 June 2021. Retrieved 5 June 2021.