वाल्मीकि नेशनल पार्क

बिहार के पच्छिम चंपारण जिला में भारत-नेपाल सीमा पर एगो नेशनल पार आ बनजीव बिहार
(वाल्मीकि टाइगर रिजर्व से अनुप्रेषित)

वाल्मीकि नेशनल पार्क (अंग्रेजी: Valmiki National Park) भा वाल्मीकि नेशनल पार्क, टाइगर रिज़र्व आ बन्यजीव अभयारण्य भारत-नेपाल बाडर पर, भारतीय राज्य बिहार के पच्छिम चंपारन जिला में एगो राष्ट्रीय पार्क बा।[1] ई बिहार के एकलौता नेशनल पार्क हवे।[2] वाल्मीकि टाइगर रिजर्व के बिस्तार गंडक नदी के बायें तीरे पर पूरुब ओर बाटे आ ई लगभग 899.38 वर्ग किलोमीटर (347.25 वर्ग मील) रकबा के इलाका में फइलल बाटे जे एह जिला के कुल रकबा के 17 प्रतिशत के करीब बा।

वाल्मीकि नेशनल पार्क
Valmiki National Park, Tiger Reserve and Wildlife Sanctuary
Map showing the location of वाल्मीकि नेशनल पार्क
Map showing the location of वाल्मीकि नेशनल पार्क
लोकेशनपच्छिम चंपारन जिला, बिहार, भारत
नजदीकी शहरबेतिया
भूगोलीय निर्देशांक27°19′54″N 84°9′45″E / 27.33167°N 84.16250°E / 27.33167; 84.16250निर्देशांक: 27°19′54″N 84°9′45″E / 27.33167°N 84.16250°E / 27.33167; 84.16250
रकबा898.45 किमी2 (346.89 वर्ग मील)
स्थापना1978
गवर्निग बॉडीबिहार सरकार
वेबसाइटhttps://www.valmikitigerreserve.com/

साल 2018 तक के आँकड़ा के मोताबिक एहिजा कुल 40 गो बाघ रहलें।[3]

भूगोलीय रूप से ई नेशनल पार्क 83°0 50′ आ 84°0 10′ E देशांतर आ 27°0 10′ आ 27°0 03′ N अक्षांस के बीचा में बिस्तार लिहले बाटे। ई जंगल हिमालय आ गंगा के मैदान के बीच के तराई वाला इलाका हवे। प्रशासनिक हिसाब से ई बिहार राज्य के पच्छिम चंपारण जिला में पड़े ला। चंपारण शब्द खुद दू गो शब्दन के मिले से बनल हवे चंपा आ अरण्य, मतलब होला चंपा के बन। ई बन वाला इलाका जिला के उत्तरी आ उत्तरी-पच्छिमी हिस्सा में पड़े ला आ एकरे पच्छिम से गंडक नदी बहे ले। वाल्मीकि नगर जेकर पुराना नाँव भैंसा लोटन रहल, में गंडक नदी पर बैराज बना के दुनों ओर नहर निकालल गइल हईं।

पूरा जंगल 900 वर्ग किलोमीटर (350 वर्ग मील) एरिया पर बिस्तार लिहले बाटे, एह में 899.38 वर्ग किलोमीटर (347.25 वर्ग मील) एरिया पर नेशनल पार्क आ वाइल्डलाइफ सेंचुरी बाड़ें। एह जंगल के उत्तरी हिस्सा के साथे नेपाल में मौजूद संरक्षित एरिया चितवन नेशनल पार्क के पड़े ला। संरक्षण आ प्रोटेक्शन के हिसाब से ई तराई आर्क लैंडस्केप (Terai Arc Landscape) के हिस्सा हवे जेह में हिमालय के एह तराई इलाका आ गंगा मैदान के उत्तरी हिस्सा के भारत आ नेपाल में मौजूद 14 गो संरक्षित इलाका सामिल बाड़ें; इहो उनहने में से एक हवे।

बिहार सरकार के योजना बा कि 800 वर्ग किलोमीटर (310 वर्ग मील) के जंगल के घासभूमि में बदलल जाय आ ई भारत के सभसे बड़हन घास भूमि होखी।[3]

इहो देखल जाय

संपादन करीं
  1. "How this Bihar sanctuary tripled tiger numbers in 10 yrs".
  2. "Plan for eco city near tiger reserve".
  3. 3.0 3.1 "Bihar developing India's biggest grassland for Tigers". IANS. news.biharprabha.com. Retrieved 16 April 2014.