विकिपीडिया:इतिहास में आजु/10 जनवरी
ई इतिहास में 10 जनवरी के भइल घटना सभ के लिस्ट बाटे, जवन मुख्य पन्ना के "आजु के दिन" खंड में देखावल जाला। नया आइटम के सुझाव देवे खातिर, आम तौर पर आप निर्भीक हो के एह पन्ना के संपादन कर सकत बानी। अगर नया बानी त संपादन करे से पहिले "इतिहास में आजु" दिशानिर्देश जरूर पढ़ीं। हालाँकि, अगर आप जवन चीज जोड़ल चाहत बानी अगर ओह पर कौनों बिबाद के संभावना होखे तब, या अगर ई पन्ना जल्दिये मुख्य पन्ना पर देखावल जाए वाला होखे तब, आपन सुझाव के एकरे वार्ता पन्ना पर लिख दीं, सीधे एही में मत जोड़ीं।
नोट करीं कि विकिपीडिया के मुख्य पन्ना पर देखावल जाये वाली चीज सभ के चुनाव ओह में कड़ी के रूप में दिहल जाये वाले लेख के क्वालिटी आ अउरी बाकी मुख्य पन्ना के आइटम के साथ तारतम्य के आधार पर होला, ई चुनाव ख़ाली भर [[वि::उल्लेखनीयता|चीज के महत्वपूर्ण या सही होखे]] के आधार पर ना होला। एक बेर में चार से ले के छह गो ले आइटम देखावल जा सके ला। एही से हर ऊ चीज जवन "बहुत जरूरी आ महत्व के होखे" इहाँ ना देखावल जा सकेला। एकरे अलावा, अगर कौनों बात के उल्लेख बीछल लेख भा बीछल फोटो में पहिलहीं हो रहल बाटे तब ओ से जुड़ल चीज इहाँ एह साल ना देखावल जाला।
जवना समय ई मुख्य पन्ना पर देखाई दे रहल होखे, आ एह में कवनों किसिम क खराबी लउके, रिपोट करे खातिर मुख्य पन्ना खराबी देखीं। धियं रहे कि ई लिस्ट एह में कड़ी के रूप में दिहल लेख सभ से कुछ अलग तरह से भी तथ्य देखावत हो सकेले। बदलाव से पहिले विकिपीडियन लोग मंडली में आम सहमती बनावे के कोसिस करीं, सीधे इहाँ बदलाव मत करीं।
- १७७६ – थॉमस पेन (फोटो में देखावल) के रचित कॉमन सेंस के प्रकाशन, ई तेरह उपनिवेश सभ में ब्रिटिश शासन के गलत घोषित करे वाली एगो पम्फलेट रहे।
- १८६३ – मेट्रोपॉलिटन रेलवे के पैडिंगटन आ फैरिंगडन के बीच सेवा सुरू भइल, आज के समय में ई लंदन अंडरग्राउंड के सभसे पुरान खंड बाटे।
- १९२९ – द एडवेंचर्स ऑफ टिनटिन, बेल्जियन चित्रकार हर्जे के रचित एगो पापुलर कॉमिक बुक, पहिली बेर बेल्जियन अखबार Le Vingtième Siècle के लड़िकन वाला सप्लीमेंट में छपल शुरू भइल।
- १९९३ – ब्रेयर तूफान, उत्तर अटलांटिक में रिकार्ड कइल गइल अबले के सबसे शक्तिशाली गैर उष्णकटिबंधीय चक्रवात अपने सभसे तेज ताकत पर पहुँचल।
- अउरी तारीख देखीं: