विकिपीडिया:इतिहास में आजु/जनवरी
"इतिहास में आजु" के पुरालेख
जनवरी – फरवरी – मार्च – अप्रैल – मई – जून – जुलाई – अगस्त – सितंबर – अक्टूबर – नवंबर – दिसंबर
"इतिहास में आजु" संबंधी हाल के संपादन – "इतिहास में आजु" खातिर पैमाना आ संपादन निर्देश
वर्तमान समय:04:32; बियफे, 14 नवंबर 2024 (यूटीसी) – रिफ्रेश करीं
<< | "इतिहास में आजु" जनवरी | >> | ||||
इत | सोम | मंग | बुध | गुरु | शुक्र | शनि |
1 | 2 | 3 | 4 | 5 | 6 | |
7 | 8 | 9 | 10 | 11 | 12 | 13 |
14 | 15 | 16 | 17 | 18 | 19 | 20 |
21 | 22 | 23 | 24 | 25 | 26 | 27 |
28 | 29 | 30 | 31 | |||
ई इतिहास में आजु के पुरालेख हवे जवन मुख्य पन्ना पर देखावल गइल रहे। 2024 में दिन सभ के सारिणी में सजावट |
१ जनवरी: नया साल (ग्रेगोरियन कैलेण्डर); स्वतंत्रता दिवस: ब्रुनेई (१९८४), हैती (१८०४) आ समोआ (१९६२)
- १८०१ – इटली के खगोलशास्त्री Giuseppe Piazzi द्वारा बौना ग्रह सेरेस के खोज कइल गइल, नया पौधा आ महतारी के प्रेम प्रतीक रोमन देवी के नाँव पर एकर नाँव धराइल।
- १९५९ – क्यूबा के राष्ट्रपति Fulgencio Batista डोमिनिकन रिपब्लिक भागि चललें काहें की फिदेल कास्त्रो (चे गेवारा के संघे फोटो में देखावल) के नेतृत्व में सशस्त्र सेना हवाना के अधिकार में ले लिहलस, जवना से क्यूबा के क्रांति के समापन हो गइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
२ जनवरी:पृथ्वी के उपसौर (22:49 यू॰टी॰सी॰, 2016)
- १९७५ – ललित नारायण मिश्र, भारत के रेलमंत्री के बम बिस्फोट में समस्तीपुर, बिहार में हत्या भइल।
- २००४ – धूमकेतु वाइल्ड २ (चित्र में देखावल) के लगे से स्टारडस्ट यान गुजरल आ एकरे कोमा से धूलकण के नमूना लिहलस जवन बाद में पृथ्वी पर ले आइल गइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १८८८ – 36-इंच (91 सेमी) रिफ्रेक्टिंग टेलिस्कोप (फोटो में देखावल), कैलिफोर्निया के सान जोस के लगे अस्थापित लिक वेधशाला में पहिली बेर इस्तेमाल होखे शुरू भइल।
- १९५७ – हैमिल्टन वाच कंपनी दुनिया के पहिली इलेक्ट्रॉनिक घड़ी लॉंच कइलस।
- १९५८ – दस गो कैरेबियाई ब्रिटिश उपनिवेश एक साथ मिल के आपन स्वशासित वेस्टइंडीज फेडरेशनबना लिहलें।
- १९५९ – अलास्का यूनाइटेड स्टेट्स ऑफ़ अमेरिका के उंचासवाँ राज्य बनल आ ई मुख्य जमीन से बाहर पहिला राज्य भी भइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
४ जनवरी:स्वतंत्रता दिवस: म्यामांर (१९४८)
- १६९८ – लंदन मे स्थित पैलेस ऑफ व्हाइटहाल, जवन १५३० से शाही निवास रहल, के ज्यादातर हिस्सा आगि लगले से जरि गइल।
- १८५४ – कैप्टन विलियम मैकडॉनल्ड दक्खिनी महासागर में मौजूद मैकडॉनल्ड दीप के खोज कइलें।
- १९४८ – म्यामाँर के ब्रिटिश शासन से स्वतंत्रता मिलल।
- २०१० – बुर्ज खलीफा(फोटो में देखावल) जवन दुनिया के सभसे ऊँच बिल्डिंग बाटे, खुल गइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
५ जनवरी:ट्वेल्थ नाइट (पच्छिमी ईसाइयत)
- १९१९ – जर्मन वर्कर्स पार्टी के अस्थापना भइल।
- १९३३ – सैन फ्रांसिस्को खाड़ी के प्रवेश मार्ग गोल्डन गेट जलसंधि पर गोल्डन गेट ब्रिज के निर्माण सुरू भइल।
- १९७१ – पहिली बेर वन डे इन्टरनेशनल क्रिकेट मैच ऑस्ट्रेलिया आ इंग्लैण्ड के टीमन के बीच मेलबोर्न क्रिकेट ग्राउंड पर खेलल गइल।
- २००५ – एरिस (फोटो में देखावल), अबले के जानकारी में सौर मंडल के सभसे बड़हन बौना ग्रह खोजल गइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १९०७ – इटैलियन मैरिया मॉन्टेसरी रोम में कामगार लोग के लड़िकन बच्चन खातिर आपन पहिला इस्कूल आ डे केयर सेंटर खोलली, जिनके नाँव पर आज मॉन्टेसरी शिक्षा पद्धति के नाँव बाटे।
- १९१२ - न्यू मैक्सिको (फोटो में झंडा देखावल) यूनाइटेड स्टेट्स के ४७ वाँ राज्य के रूप में शामिल भइल।
- १९१२ – जर्मन भूभौतिकी बैज्ञानिक अल्फ्रेड वेगनर पहिली बेर आपन कंटिनेंटल ड्रिफ्ट के सिद्धांत प्रस्तुत कइलें।
- १९५३ – पहिली एशियाई सोशलिस्ट कॉन्फ्रेंस बर्मा के रंगून में भइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- 1789 – अमेरिका में पहिली बेर चुनाव भइल, वोट देवे के अधिकार संपत्ती के आधार पर कुछे लोग के दिहल गइल रहे।
- 1927 – पहिली अटलांटिक-पार टेलीफोन सेवा स्थापित भइल।
- 1980 – भारत में इमरजेंसी लगावे के बाद पद से हटल इंदिरा गाँधी, तीने बरिस के बाद, दोबारा चुनाव जीत के सत्ता में आ गइली।
- 1990 – इटली देस में मौजूद पीसा के ओरमल मीनार (फोटो में देखावल) के सुरक्षा के नजरिया से आम लोग खातिर बंद क दिहल गइल।
- 2015 – पेरिस में कार्टून पत्रिका शार्ली एब्दो के दफ्तर पर आतंकवादी हमला भइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- 1026 – सुल्तान महमूद हमला क के सोमनाथ मंदिर के लूट लिहलें आ एकरा के तहस-नहस क दिहलें।
- 1198 – लोतारियो दि कोंती, रोम में तिसरा पोप इन्नोसेंट नाँव से पोप बनलें, पोप के पावर दोबारा मजबूत करे के क्षेत्र में इनके काम खातिर जानल जाला।
- 1790 – स्टेट ऑफ दि यूनियन नाँव से परसिद्ध भाषण में, अमेरिका के पहिला राष्ट्रपति जॉर्ज वॉशिंगटन पहिली बेर देस के संबोधित कइलेन।
- 1889 – हरमन होलरिथ (फोटो में देखावल) के टेबुलेटिंग मशीन खातिर पेटेंट मिलल, ई आधुनिक कंप्यूटर सभ के बिकास के कड़ी मानल जाला।
गैलिलियो (नि॰ 1642), बिमल राय (नि॰ 1962), मधु लिमये (नि॰ 1995)
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
९ जनवरी: सेंट स्टीफेंस डे (पूरबी ईसाइयत)
- १८१६ – आविष्कारक हम्फ्री डेवी अपने बनावल डेवी लैंप (फोटो में उदाहरण) के पहिला बेर टेस्ट कइलें, ई कोइला खदान में इस्तेमाल खातिर एक तरह के सेफ्टी लैंप रहे।
- १८५७ – एक ठो ७.९ Mw के भूकंप कैलिफोर्निया में मौजूद सैन एंड्रियास फाल्ट के तूर दिहलस आ एकर झटका लास वेगास ले महसूस कइल गइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १७७६ – थॉमस पेन (फोटो में देखावल) के रचित कॉमन सेंस के प्रकाशन, ई तेरह उपनिवेश सभ में ब्रिटिश शासन के गलत घोषित करे वाली एगो पम्फलेट रहे।
- १८६३ – मेट्रोपॉलिटन रेलवे के पैडिंगटन आ फैरिंगडन के बीच सेवा सुरू भइल, आज के समय में ई लंदन अंडरग्राउंड के सभसे पुरान खंड बाटे।
- १९२९ – द एडवेंचर्स ऑफ टिनटिन, बेल्जियन चित्रकार हर्जे के रचित एगो पापुलर कॉमिक बुक, पहिली बेर बेल्जियन अखबार Le Vingtième Siècle के लड़िकन वाला सप्लीमेंट में छपल शुरू भइल।
- १९९३ – ब्रेयर तूफान, उत्तर अटलांटिक में रिकार्ड कइल गइल अबले के सबसे शक्तिशाली गैर उष्णकटिबंधीय चक्रवात अपने सभसे तेज ताकत पर पहुँचल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
११ जनवरी:स्वतंत्रता दिवस: मोरक्को (१९४४)
- १०५५ – थियोडोरा, जवन कॉन्स्टेंटाइन VIII आ हेलेना के बेटी रहली, बाइजेंटाइन के महारानी बनली।
- १६९३ – एगो XI तेजी के भूकंप १६९३ में सिसली में आइल जवन इटली के इतिहास में अबले के सभसे तेज भूकंप हवे।
- १७८७ – जर्मनी में पैदा, ब्रिटिश संगीत कंपोजर आ खगोलशास्त्री विलियम हर्शेल (फोटो में देखावल) यूरेनस के दू गो चंद्रमा के खोज कइलें जिन्हन के बाद में उनुके बेटा शेक्सपियर के नाटक अ मिडसमर नाइट्स ड्रीम के पात्रन के नाँव पर ओबेरॉन आ टाइटानिया रखलें।
- १९८६ – दि गेटवे ब्रिज जवन ऑस्ट्रेलिया के ब्रिस्बेन में बा आ अपने समय में सभसे लंबा दाबित कंक्रीट के बिना बनल कैंटीलीवर ब्रिज रहे, खोल दिहल गइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
१२ जनवरी: तंजानिया में जंजीबार क्रांति दिवस (१९६४)
- १५५४ – बाइननोंग, जे दक्खिन पूर्ब एशिया के इतिहास में सभसे बड़हन साम्राज्य अस्थापित कइल, बर्मा के ताउंगो बंस के राजा बनलें।
- १८९५ – दि नेशनल ट्रस्ट फॉर प्लेसेस ऑफ हिस्टोरिक इंट्रेस्ट ऑर नैचुरल ब्यूटी, इंग्लैण्ड, वेल्श आ उत्तरी आयरलैंड के एगो संरक्षण संस्था, के अस्थापना भइल।
- १९६९ – ब्रिटिश रॉक बैंड लेड जेपलिन आपन पहिला एल्बम जारी कइलस।
- २०१० – ७.० Mw के भूकंप हैती में आइल जवना से करीब तीस लाख लोग प्रभावित भइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १८२२ – यूनान के झंडा के वर्तमान डिजाइन (फोटो में देखावल) उहाँ के जल सेना के झंडा के रूप में स्वीकार कइल गइल रहे।
- १८४२ – पहिला आंग्ल-अफ़गान युद्ध: विलियम ब्रायडन, ब्रिटिश सेना के सर्जन रहलें, जलालाबाद लवट अइलें; एह लड़ाई के हिस्सा काबुल हत्याकांड से बच के निकले वाला ऊ एकलौता यूरोपीय व्यक्ति रहलें।
- १९१० – पहिला पब्लिक रेडियो प्रसारण, न्यूयॉर्क शहर के मेट्रोपोलिटन ऑपेरा हाउस से भइल।
- २००१ – साल्वाडोर में जुड़वाँ भूकंप में पहिला भूकंप आइल, एह दुनों भूकंप के चलते कम से कम ९४४ लोग मरल आ १ लाख से ढेर मकान तबाह भइलें।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १८१४ – स्वीडन आ डेनमार्क-नार्वे के बीच कील के संधिl भइल।
- १९४३ – विंस्टन चर्चिल, रूजवेल्ट, चार्ल्स डी गॉल आ हेनरी गिरौड; दुसरा बिस्व युद्ध के आगे के रणनीति बनावे खातिर कासाब्लांका में मीटिंग कइल लोग।
- १९५७ – कृपालु महाराज पाँचवा जगद्गुरु ("संसार के गुरू"), एक तरह के हिंदू आध्यात्मिक नेता, बनलें।
- १९६० – ऑस्ट्रेलियाई रिजर्व बैंक (फोटो में मुख्यालय), देस के सेन्ट्रल बैंक आ नोट जारी करे वाला बैंक, आजु के दिन अस्थापित भइल।
- १९७८ – ऑस्ट्रियाई तर्कशास्त्री कुर्ट गूडेल, जिनके मनोबैज्ञानिक बेमारी रहे कि उनके केहू माहुर खिया देई, अपने पत्नी के हॉस्पिटल में भरती हो गइला पर भूखन मरि गइलें।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १७५९ – लंदन में मौजूद ब्रिटिश म्यूजियम (फोटो में देखावल), दुनिया के सभसे बड़ा अजायबघर में से एक, जनता खातिर खोल दिहल गइल।
- १८१५ – १८१२ के युद्ध:अमेरिकी फ़्रिगेट यू॰एस॰एस॰ प्रेसिडेंट, अंग्रेज फ़्रिगेट स्क्वाड्रन द्वारा कब्जिया लिहल गइल।
- १९३४ – भारत आ नेपाल में अबतक के सभसे भयावन भूकंप आइल जवना में लगभग ११,००० लोग के मउअति भइल।
- १९४३ – अमेरिकी रक्षा बिभाग के मुख्यालय दि पेंटागन आजु के दिन राष्ट्र के समर्पित कइल गइल; ई दुनिया के सभसे ढेर कपेसिटी वाला ऑफिस बिल्डिंग बाटे।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- १५४७ – इवान्स दि टेरिबल (फोटो में देखावल) १६ बरिस के उमिर में रूस के जार बनलें।
- १६०५ – डॉन क्विग्जॉट के पहिला हिस्सा स्पेन के मैड्रिड में पहिली बेर छपल।
- १९२० – लीग ऑफ नेशंस, पहिली अंतरसरकारी ऑर्गेनाइजेशन जेकर प्राथमिक मिशन बिस्व शांति के अस्थापना रहे, आपन समीति के पहिला मीटिंग पेरिस में कइलस।
- १९९१ – खाड़ी युद्ध के शुरुआत भइल, यूनाइटेड नेशंस के नेतृत्व वाली सेना कुवैत के आजाद करावे खातिर ईराक पर हमला शुरू कर दिहलस।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- 1773 – कप्तान कुक के दूसरकी खोज-जतरा में उनके जहाज एचएमएस रिजोल्यूशन अंटार्कटिक सर्किल के पार करे वाला पहिला जहाज बनल।
- 1946 – यूनाइटेड नेशंस सिक्योरिटी काउंसिल के पहिली बैठक भइल।
- 1961 – अमेरकी राष्ट्रपति आइजेनहावर (फोटो में देखावल) देस के नाँव एगो बिदाई भाषण दिहलें जेह में ऊ सेना आ उद्योगजगत के बीच गठजोड़ से हो सके वाला खतरा के ओर धियान देवे के कहलें।
- 1852 – ब्रिटिश हुकूमत दक्खिन अफिरका के ट्रांसवाल इलाका के आजादी के मान्यता दे दिहलस।
- 1989 – कर्नल जे के बजाज उत्तरी ध्रुब पर चहुँपे वाला पहिला भारतीय बनलें।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- 1778 – अंग्रेज कप्तान कुक पहिली बेर सैंडविच दीप पर पहुँचलें जेकरा के अब हवाई दीप (फोटो में देखावल) कहल जाला, जानकारी के मोताबिक ऊ अइसन पहिला यूरोपीय खोजी रहलें।
- 1896 – बेमारी के पता लगावे खातिर कामे आवे वाली एक्सरे मशीन पहिली बेर बजार में आइल।
- 1991 – ईराक देस पहिली बेर इजराइल के दू गो शहरन पर स्कड मिसाइल से हमला क दिहलस।
- 1995 – अनिल कुंबले केरल आ कर्नाटक के बीच खेलल जाए वाला एगो मैच में 99 रन दे के 16 विकेट लिहलें।
- 2017 – साल 2017 के नासा आ नोवा द्वारा संजुक्त रूप से अबतक ले के रेकार्ड में सभसे गरम साल घोषित कइल गइल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
19 जनवरी: कोकबोरोक दिवस (त्रिपुरा में)
- 1806 – ब्रिटिश लोग केप ऑफ गुड होप पर दोबारा कब्जा क लिहल, तीन साल पहिले ई कंट्रोल उनहन लोग के हाथ से निकल गइल रहल।
- 1966 – इंदिरा गाँधी के पहिली बेर भारत के परधानमंत्री पद खातिर नेता चुनल गइल जबकि मोरारजी देसाई प्रबल दावेदार रहलें।
- 1975 – हिमाचल प्रदेश के किन्नूर में भूकंप आइल, ई रिक्टर पैमाना पर 6.8 के ताकत वाला भूडोल रहल आ भारी तबाही भइल।
- 1983 – एपल कंपनी आपन पहिला कमर्शियल पर्सनल कंप्यूटर एपल लिसा (फोटो में देखावल) लॉन्च कइलस जवन ग्राफिकल यूजर इंटरफेस आ माउस वाला कंप्यूटर रहल आ एकर रैम 1एमबी रहे।
ओशो रजनीश (नि॰ 1990)
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- 1265 – वेस्टमिन्स्टर महल (फोटो में देखावल) में इंग्लैंड के संसद के पहिली बैठक भइल।
- 1840 – दूसरा विलियम नीदरलैंड के मुकुट धारण क के राजा बनलें।
- 1921 – तुर्की के पहिला संबिधान असेंबली में पास भइल आ एकरे साथ तुर्की के राष्ट्रीय संप्रभुता मिलल।
- 1981 – ईरान बंधक संकट के समापन भइल, 444 दिन ले बंधक रखे के बाद ईरान 52 ठे अमेरिकी नागरिक लोग के छोड़ दिहलस।
- 2007 – खाली स्की आ पतंगा के सहारे ट्रेकिंग क के चार गो साहसी यात्री लोग के टीम दक्खिनी दूरांत ध्रुव पर चहुँपल, 1967 के बाद इहाँ दूसरी बेर आ बिना मशीनी मदद के इतिहास में पहिले-पहिल केहू इहँवा चहुँपल।
- पाँचवाँ जॉर्ज (नि॰ 1936)
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- 1793 – फ्रांसीसी क्रांति: पेरिस में पैलेस दि ला रिवोलूशन के सामने सोरहवाँ लुई (फोटो में देखावल) के सरे आम गिलोटीन पर चढ़ा के गर्दन काट दिहल गइल।
- 1789 – दि पावर ऑफ सिम्पैथी छपल, विलियम हिल ब्राउन के एह उपन्यास के पहिला अमेरिकी उपन्यास मानल जाला।
- 1924 – ब्रिटेन में पहिली बेर लेबर पार्टी के सरकार बनल आ रैम्जे मैकडॉनल्ड परधानमंत्री बनलें।
- 1948 – क्यूबेक के झंडा के अंगीकार कइल गइल आ इहाँ के संसद भवन पर फहरावल गइल।
- 1972 – त्रिपुरा पूरा तरीका से भारत के राज्य बन गइल।
- व्लादिमिर लेनिन (नि॰ 1924), जॉर्ज ऑरवेल (नि॰ 1950)
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- 1506 – 150 गो स्विस गार्ड लोग के पहिला खेप वेटिकन सिटी चहुँपल आ पोप के सुरक्षा के जिम्मेदारी एकरे बाद एही लोग के द्वारा सम्हारल जाला।
- 1863 – जनवरी बिद्रोह के रूप में पोलैंड, बेलारूस आ लिथुआनियाई लोग द्वारा रूसी सेना आ सत्ता के खिलाफ आंदोलन भड़क उठल।
- 1970 – बोइंग 747 बिमान (फोटो में 1968 के एगो प्रोटोटाइप देखावल बा) पैन अमेरिका एयरलाइन्स खातिर न्यूयार्क-लंदन रूट पर पहिली बेर सर्विस में आइल।
- 1980 – सोवियत खातिर हाइड्रोजन बम बनावे में मुख्य ब्यक्ति आ नोबल बिजेता आंद्रेई सखारोव के अफगानिस्तान के लड़ाई के खिलाफ प्रदर्शन करे खातिर गिरफ्तार क के गोर्की भेज दिहल गइल।
- 1984 – एपल कंपनी ग्राफिक यूजर इंटरफेस वाला आपन पहिला सफल पर्सनल कंप्यूटर मैकिंटोश बजार में उतरलस।
- लार्ड बायरन (ज॰ 1788), रानी विक्टोरिया (नि॰ 1901)
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/23 जनवरी देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
- 41 – रोम के सम्राट कलिगुला के हत्या हो गइल आ उनके चाचा क्लौडियस के राजा बनावल गइल।
- 1857 – कलकत्ता यूनिवर्सिटी (फोटो में देखावल) के स्थापना भइल जे दक्खिनी एशिया के पहिली आधुनिक यूनिवर्सिटी हऽ।
- 1950 – भारत के संबिधान सभा जन गण मन के राष्ट्रगान आ राजेंद्र प्रसाद के भारत के पहिला राष्ट्रपति चुनलस, एही दिन भारत के संबिधान पर दस्खत भी भइल।
- 1966 – एयर इंडिया के बिमान स्विटजरलैंड में दुर्घटनाग्रस्त हो गइल आ सगरी 117 लोग मर गइल जेह में परमाणु बैज्ञानिक होमी जहाँगीर भाभा भी सामिल रहलें।
- 1965 – ब्रिटेन के परधानमंत्री सर विंस्टन चर्चिल के 90 बरिस के उमिर में निधन हो गइल, एकरे लगभग 15 दिन पहिले उनके दिल के दौरा पड़ल रहे।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
25 जनवरी: मतदाता दिवस (भारत)
- 1755 – रूसी महारानी एलिजाबेथ एगो डिक्री जारी क के मास्को स्टेट यूनिवर्सिटी के स्थापना कइली जे आ रूस के सभसे बड़हन विश्वविद्यालय बा।
- 1924 – फ्रांस में माउंट ब्लांक परबत के निचला हिस्सा में पहिली बेर जाड़ा के ओलंपिक के आयोजन भइल आ 16 देसन के लगभग 200 एथलीट लोग सामिल भइल।
- 1949 – अमेरिका के एकेडेमी ऑफ टेलीविजन आर्ट्स एंड साइंसेज संस्था पहिली बेर एमी अवार्ड प्रस्तुत कइलस।
- 1950 – भारत के संबिधान के अनुच्छेद 324 के तहत भारतीय चुनाव आयोग के गठन भइल।
- 2004 – नासा के मंगल खोजी रोवर अपार्च्युनिटी (फोटो में चित्रकार के कल्पना रूप देखावल बा) मंगल ग्रह पर उतरल।
रॉबर्ट बॉयल (ज॰ 1627) · वर्जिनिया वुल्फ (ज॰ 1882) · कोराजोन एक्विनो (ज॰ 1933)
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
२६ जनवरी: भारत में गणतंत्र दिवस (१९५०)
- १५६५ – वर्तमान में कर्नाटक में स्थित जगह पर भइल तालीकोटा के लड़ाई में दक्कन सल्तनत द्वारा विजयनगर साम्राज्य के हरा दिहले के बाद दक्खिन भारत के आखिरी बड़हन हिंदू राज के अंत हो गइल।
- १९०५ – कलिनन हीरा, रतन कहल जा सके वाला पत्थर सभ में अबले के सभसे बड़ा हीरा, 3,106.75 कैरट (621.350 ग्रा) के, प्रीमियर खदान में पावल गइल।
- १९४९ – हाल टेलिस्कोप जवन कैलिफोर्निया के पालोमर ऑब्जर्वेटरी लागल, आ २८ बरिस ले दुनिया के सभसे बड़हन दूरबीन रहल, आपन पहिली रोशनी देखलस।
- १९५० – भारतीय स्वतंत्रता आंदोलन: भारत ऑफिशियली एगो रिपब्लिक बन गइल आ भारत के संविधान लागू हो गइल आ राजेन्द्र प्रसाद पहिला राष्ट्रपति बनलें।
- १९८३ – स्प्रेडशीट प्रोग्राम लोटस 1-2-3 पहिली बेर रिलीज भइल आ एकरा के आइबीऍम पर्सनल कंप्यूटर के पहिला "किलर ऐप" के दर्जा मिलल।
- अउरी तारीख देखीं:
देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/27 जनवरी देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/28 जनवरी देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/29 जनवरी देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/30 जनवरी देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
विकिपीडिया:इतिहास में आजु/31 जनवरी देखीं – वार्ता – संपादित करीं – इतिहास
"इतिहास में आजु" के पुरालेख
जनवरी – फरवरी – मार्च – अप्रैल – मई – जून – जुलाई – अगस्त – सितंबर – अक्टूबर – नवंबर – दिसंबर
"इतिहास में आजु" संबंधी हाल के संपादन – "इतिहास में आजु" खातिर पैमाना आ संपादन निर्देश
वर्तमान समय:04:32; बियफे, 14 नवंबर 2024 (यूटीसी) – रिफ्रेश करीं