वीर बहादुर सिंह
वीर बहादुर सिंह (18 जनवरी 1935 - 30 मई 1989) एगो भारतीय राजनीतिक नेता आ लेखक रहलें। उत्तर प्रदेश के गोरखपुर जिला में जनमल सिंह कांग्रेस पार्टी के नेता रहलें, एह राज्य के मुख्यमंत्री बनलें आ ओकरे बाद राजीव गाँधी के केंद्रीय मंत्रिमंडल में संचार मंत्री भी रहलें। मुख्यमंत्री के रूप में इनके कार्यकाल 24 सितंबर 1985 से 25 जून 1988 ले रहल आ एकरे बाद केंद्र सरकार में संचार मंत्री बनलें।
वीर बहादुर सिंह | |
---|---|
उत्तर प्रदेश के 14वाँ मुख्यमंत्री | |
कार्यकाल 24 सितंबर 1985 - 24 जून 1988 | |
इनसे पहिले | नारायण दत्त तिवारी |
इनके बाद | नारायण दत्त तिवारी |
निजी जानकारी | |
जनम | 18 जनवरी 1935 गोरखपुर, यूनाइटेड प्रोविंस, ब्रिटिश भारत |
निधन | 30 मई 1989 (उमिर 55) पैरिस, फ्रांस |
राजनीतिक पार्टी | भारतीय राष्ट्रीय काँग्रेस |
वीर बहादुर सिंह भारतीय आजादी आंदोलन में सक्रिय भूमिका अदा करे वाला आंदोलनकारी रहलें आ 1942 के भारत छोड़ो आंदोलन में हिस्सा लिहले रहलें। इनके लेखन कैरियर में कई गो निबंध संग्रह के रचना सामिल बा। एह लिखाई के मुख्य बिसय भारत के आर्थिक सिस्टम आ इहाँ के श्रम ब्यवस्था रहल।
सिंह के यादगार के रूप में पूर्वांचल विश्वविद्यालय के नाँव इनके नाँव पर रखल गइल बा, गोरखपुर शहर में खेलकूद कॉलेज के नाँव आ एगो अउरी डिग्री कॉलेज के नाँव इनके नाँव पर रखल गइल बा।
संदर्भ
संपादन करींबाहरी कड़ी
संपादन करीं- Chief Ministers of Uttar Pradesh (अंग्रेजी में)
रानीतिक पद | ||
---|---|---|
पहिले नारायण दत्त तिवारी |
उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री 24 सितं 1985 – 25 जून 1988 |
बाद में नारायण दत्त तिवारी |
ई जीवनी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |