वेब सर्च इंजन
(सर्च इंजन से अनुप्रेषित)
वेब सर्च इंजन भा सर्च इंजन (अंग्रेजी: Search engine) एगो अइसन सॉफ्टवेयर होला जे खास एह खाती डिजाइन कइल गइल होला कि वल्ड वाइड वेब से जानकारी खोज सके। अइसन खोज के रिजल्ट सभ के एक क्रम में प्रयोगकर्ता के सोझा रखे ला आ एह परिणाम सभ में वेब सामग्री, इमेज, बीडियो वगैरह नियर कई किसिम के चीज के हो सके ला। जहाँ वेब डाइरेक्टरी सभ मैनुअली आदमी द्वारा बनावल आ मेंटेन कइल जालीं, सर्च इंजन सभ एल्गोरिदम के इस्तेमाल से वेब क्राउलर के द्वारा ऑटोमेटिक तरीका से रियल-टाइम में जानकारी इकट्ठा क के ओकरा सूची बनावे लें। अइसन सामग्री जे वल्ड वाइड वेब पर होखे लेकिन सर्च इंजन के इंडेक्सिंग (सूची बनावे) के पहुँच से बहरें होखे ओकरा के डीप वेब के हिस्सा कहल जाला।
इहो देखल जाय
संपादन करीं- सर्च इंजन ऑप्टिमाइजेशन (SEO)
संदर्भ
संपादन करींई इंटरनेट-संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |