सुंदरबन नेशनल पार्क

भारत के पच्छिम बंगाल में नेशनल पार्क, टाइगर रिजर्व, आ बायोस्फियर रिजर्व

सुंदरबन नेशनल पार्क भारत के पश्चिम बंगाल में एगो नेशनल पार्क, बाघ रिजर्व आ बायोस्फीयर रिजर्व बा। ई गंगा डेल्टा पर सुंदरबन के हिस्सा हवे आ बांग्लादेश के सुंदरबन रिजर्व बन से सटल बा। ई बांग्लादेश के दक्खिन-पच्छिम में कोना पर पड़े ला। डेल्टा में घन रूप से मैंग्रोव जंगल बाड़ें, आ ई बंगाल बाघ खातिर सभसे बड़हन रिजर्व सभ में से एक हवे। इहाँ कई किसिम के चिरई, रेप्टाइल आ इन्वर्टीब्रेट प्रजाति सभ के भी निवास बा जेह में खारा पानी के मगरमच्छ सामिल बा। वर्तमान सुंदरबन नेशनल पार्क के 1973 में सुंदरबन टाइगर रिजर्व के कोर एरिया आ 1977 में वन्यजीव सैंक्चुअरी घोषित कइल गइल। 4 मई 1984 के एकरा के नेशनल पार्क घोषित कइल गइल। ई यूनेस्को के बिस्व धरोहर स्थल हवे जे 1987 में दर्जा पवलस[2][3] आ 2019 से एकरा के रामसर साइट के रूप में चिन्हित कइल गइल बा [1] एकरा के 1989 से वर्ल्ड नेटवर्क ऑफ बायोस्फीयर रिजर्व (मैन एंड बायोस्फीयर रिजर्व) में दर्ज कइल गइल हवे।

Sunderbans National Park
Tiger from Sundarbans Tiger Reserve
Map showing the location of Sunderbans National Park
Map showing the location of Sunderbans National Park
Location in India
लोकेशनSouth 24 Parganas, West Bengal, India
नजदीकी शहरKolkata
भूगोलीय निर्देशांक21°50′17″N 88°53′07″E / 21.8380°N 88.8852°E / 21.8380; 88.8852निर्देशांक: 21°50′17″N 88°53′07″E / 21.8380°N 88.8852°E / 21.8380; 88.8852
रकबा1330.10 sq. km.
स्थापना1984; 40 years ago (1984)
गवर्निग बॉडीGovernment of India
पैमानाNatural: (ix), (x)
संदर्भ452
इंस्क्रिप्शन1987 (11th सेशन)
रकबा (एरिया)133,010 हे (513.6 वर्ग मील)
ऑफिशियल नाँवSundarban Wetland
तिथी30 January 2019
रिफरेंस नं॰2370 [1]

भूगोल संपादन करीं

सुंदरबन नेशनल पार्क 21° 432′ – 21° 55′ उत्तर अक्षांश के बीच आ 88° 42′ – 89° 04′ पूर्व देशांतर के बीच पड़े ला। एह पार्क के समुंद्र तल से औसत ऊँचाई 7.5 मीटर बा। ई पार्क 54 गो छोट टापू सभ से बनल बा आ गंगा नदी के कई गो डिस्ट्रीब्यूटरी एकरा के काटे लीं।

आवाजाही संपादन करीं

हवाई : सुंदरबन नेशनल पार्क 140 पर स्थित बा किलोमीटर दूर नेताजी सुभाष चंद्र बोस अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा, जहाँ से दुनिया भर में अंतर्राष्ट्रीय उड़ान होखे लीं।

रेल : सुंदरबन नेशनल पार्क के नजदीकी रेलवे स्टेशन कैनिंग रेलवे स्टेशन बा जवन 29 पर स्थित बा सुंदरबन (यानी गोधखाली) के गेट वे से किमी दूर।

सड़क : कोलकाता से एह नेशनल पार्क ले में पश्चिम बंगाल के स्टेट हाइवे 3 से पहुंचल जा सकेला।

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 "Sundarban Wetland". Ramsar Sites Information Service. Retrieved 14 February 2019.
  2. "Sundarbans National Park". World Heritage: Unesco.org. Retrieved 2010-11-06.
  3. "Sundarbans National Park" (PDF). Unesco. Retrieved 2010-11-06.

बाहरी कड़ी संपादन करीं