सेल्टिक सागर
समुंद्र
सेल्टिक सागर (अंग्रेजी: Celtic Sea; आयरिश: An Mhuir Cheilteach) अटलांटिक महासागर के एगो हिस्सा बा जवन आयरलैंड के दक्खिनी किनारे के ओर बाटे आ एकर पूरबी सीमा सेंट जॉर्ज चैनल से बने ले;[1] आ अन्य सीमा में शामिल बाड़ें ब्रिस्टल चैनल, इंग्लिश चैनल, आ बिस्के के खाड़ी, आ जमीनी सीमा के रूप में वेल्स, कॉर्नवाल, डिवॉन, आ ब्रिटनी बा। दक्खिनी आ पच्छिमी सीमा के बिस्तार उहाँ ले बा जहाँ ले यूरोपियन महादीप के महादीपीय शेल्फ के बिस्तार बाटे आ जहाँ के बाद गहिराई में अचानक तेज बढ़ती होले। आइल्स ऑफ स्किली छोट-छोट दीप सभ से बनल दीपमाला बाटे जे एह सागर में मौजूद बा।
सेल्टिक सागर Celtic Sea | |
---|---|
प्रकार | सागर |
थाला के देस | आयरलैंड, इंग्लैंड, वेल्स, फ्रांस |
संदर्भ
संपादन करींबाहरी कड़ी
संपादन करीं- Coccoliths in the Celtic Sea: सेल्टिक सागर में फाइटोप्लैंकटन के खिलान, अंतरिक्ष से en:MISR इमेज में देखात बाटे, 4 जून 2001
निर्देशांक: 50°N 8°W / 50°N 8°W
ई यूरोप के भूगोल या अस्थान से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई समुंद्र बिज्ञान संबंधी लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |