सेल्फोस आइसलैंड देस के उत्तरी हिस्सा में जोकुल्या ऑ फ्यूलम (Jökulsá á Fjöllum) नदी पर मौजूद एक ठो झरना बाटे। ई नदी कई ठो झरना बनावत बहे ले आ 30 किलोमीटर लंबाई पूरा कइ के आर्कटिक सागर में मौजूद एक ठो खाड़ी में गिरे ले।

सेल्फोस झरना के 2014 में लिहल एक ठो तस्वीर

नदी के पानी के स्रोत हिमानी से पघिल के निकले वाला पानी हवे। एही कारण नदी में बहाव के मात्रा आ झरना के आकार सीजन के अनुसार बदलत रहे ला। एह में मौसम आ ज्वालामुखी घटना के कारण भी बदलाव देखे के मिले ला।

सेल्फोस झरना से नीचे के ओर कुछ दूर के बाद डेटिफोस नाँव के एक ठो अउरी झरना बाटे। ई यूरोप के सभसे ताकतवर झरना सभ में गिनल जाला।

संदर्भ संपादन करीं