सौर समय
आसमान में सूरज के अवस्थिति के आधार पर समय के चले के लेखा जोखा के सौर्य समय कहल जायेला। सौर्य समय कि मुलभुत इकाई दिन होखेला। दु तरह के सौर्य समय आभासी सौर्य समय (सूरज के भांप के समय मालूम करल) आ सौर्य समय (घड़ी के आधार पर) बा।
परिचय
संपादन करींएगो लमहर स्तम्भ खम्भा जमीन पर कउनो घाम वाला दिन में क्षेत्रीय समय दुपहर 12:00 बजे खड़ कइला पर; छाँह उत्तर या दक्खिन ओर लउकेला (आ चाहे ना लउकेला जब सूरज सीधा कपार पर होखे) अगिला दिन ठीक 12:00 बजे छाँह फेर से ओहि स्थिति में लउकेला, अइसन लागेला जैसे सूरज 360 डिग्री अर्ध-वृत्त में धुरी के चक्कर कटेला। जब सूरज 15 डिग्री आगे बढ़ेला (वृत्त के 1/24 भाग), त उ समय ठिक समय 13:00 होखि; आ 15 डिग्री अउर आगे बढ़ला पर समय ठिक 14:00 होखि।
परेशानी इ बा कि सितम्बर में सूरज कम देर तक रहेला (जइसन कि एगो विशुद्ध घड़ी से मापल गइल बा) आ जब सूरज के परिक्रमा के दिसम्बर में मापल जायेला त 24 घंटा के समय में 21 सेकण्ड की कमी या 29 सेकण्ड कि अधिक्ता हो सकत बा। जैसन कि इक्वेशन ऑफ़ टाइम लेख में कहल गइल बा, कि अइसन इ खातिर होला काहे कि पृथ्वी के भ्रमण-पथ विकेन्द्रित बा। (उदाहरणार्थ: पृथ्वी के परिक्रमा-पथ पूर्णतः गोल नइखे, माने कि सूरज से पृथ्वी के दुरी हर जगह बराबर नइखे) आ पृथ्वी की धुरी आपन परिक्रमा-पथ पर सीधा नइखे (ग्रह कि तिरछापन)
इ से प्रभाव इ पड़ेला कि लगातार एक समान चले वाली घड़ी सूरज के अनुसरण नइखे कर सकत, बल्कि इ सिर्फ एक "मानक सूरज" कि अनुसरण कर सकेला जवन एक समान बराबर दर से चलेला जवन असली सूरज के सालाना औसत दर पर चलेला। इ "मानक सौर्य समय" ह जवन एक सदी से अगिला सदी तक पूर्णतः बराबर रूप से चलेला लेकिन कई उद्देश्यन खातिर इ बहुत हद तक ठीक बा। वर्तमान में एक मानक सौर्य दिन लगभ 86,400.002 SI सेकण्ड होखेला।
ई खगोलिकी-संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |