स्ट्रेटोस्फियर

पृथिवी के वायुमंडल के नीचे से दुसरी परत

स्ट्रेटोस्फियर (अंग्रेजी: stratosphere) पृथ्वी के वायुमंडल के नीचे से दुसरी परत हवे जे ट्रोपोस्फियरमेसोस्फियर के बीचा में बाटे। स्ट्रेटा के मतलब परत भा लेयर होखे ला, एह मंडल में तापमान के चलते स्ट्रेटा बने लें जेह में ऊपर अधिका तापमान आ नीचे कम तापमान के हवा के परत होखे लीं; एकरा चलते ई डिस्टर्ब ना होखे लीं। ऊँचाई के साथे तापमान के बढ़े के कारन एह मंडल में ओजोन गैस के द्वारा अल्ट्रावायलेट किरन के सोख लिहल जाइल हवे।[3] एही मंडल में वायुमंडल के ओजोन परत होखे ला जहाँ बाकी वायुमंडल के तुलना में ओजोन के कंसंट्रेशन बेसी होखे ला। पृथ्वी के सतह के नगीचे मौजूद ट्रोपोस्फियर के तुलना में एह लेयर में तापमान के उल्टा इस्थिति होखे ला जेकरा थर्मल इन्वर्जन कहल जाला; मने कि तापमान ऊँचाई के साथे बढ़े ला जबकि ट्रोपोस्फियर में ऊँचाई बढे पर तापमान में कमी आवे ला। नीचे कम आ ऊपर बेसी तापमान वाली परत होखे के कारन एह मंडल में विक्षोभ टर्बुलेंस आ मिक्सिंग ना होला बलुक हवा के स्ट्रेटा बन जालें।

Space Shuttle Endeavour appears to straddle the stratosphere and mesosphere in this 2010 photo. "The orange layer is the troposphere, where all of the weather and clouds are generated and contained. This orange layer gives way to the whitish Stratosphere and then into the Mesosphere."[1] (The shuttle is actually orbiting at more than 320 किमी (200 मील) in altitude, far above this transition layer.)
This image shows the temperature trend in the lower stratosphere as measured by a series of satellite-based instruments between January 1979 and December 2005. The lower stratosphere is centered around 18 kilometers above Earth's surface. The stratosphere image is dominated by blues and greens, which indicates a cooling over time.[2]

निचली लेयर ट्रोपोस्फियर आ एह लेयर स्ट्रेटोस्फियर के बीचा के सीमा के ट्रोपोपॉज कहल जाला। ट्रोपोपॉज के ऊँचाई आ स्ट्रेटोस्फियर के निचला सीमा भूमध्य रेखा के लगे 20 किमी (66,000 फीट; 12 मील), मध्य अक्षांस में 10 किमी (33,000 फीट; 6.2 मील) आ ध्रुवी इलाका सभ में 7 किमी (23,000 फीट; 4.3 मील) होखे ला।[3] एह लेयर में नीचे ट्रोपोपॉज के लगे तापमान −51 °C (−60 °F; 220 K) होखे ला आ ऊपर मेसोस्फियर के लगे ई −15 °C (5.0 °F; 260 K) तक ले चहुँप जाला।[4] एहू मंडल में तापमान में सीजन सभ के साथे बदलाव देखे के मिले ला खासकर के ध्रुवी रात के समय निचला हिस्सा में तापमान बहुत नीचे चल जाला।[5] एह मंडल में हवा के गति बहुत तेज हो सके ला ट्रोपोपॉज के तुलना में, जइसे कि दक्खिनी पोलर वर्टेक्स में ई 60 मी/से (220 किमी/घं; 130 मील/घं) तक ले पहुँच सके ला।[5]

हिंदी में एकरा के समताप मंडल कहल जाला[6] आ एकरे ऊपरी सीमा के अंग्रेजी में स्ट्रेटोपाज आ हिंदी में समताप सीमा कहल जाला। स्ट्रेटोपाज एकरा के मेसोस्फियर से अलगा करे ला। एकर ऊँचाई भूमध्य रेखा के लगे कम आ ध्रुव पर बेसी होला।[7]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "ISS022-E-062672 caption". NASA. Archived from the original on 19 November 2012. Retrieved 21 September 2012.
  2. "Atmospheric Temperature Trends, 1979–2005". NASA/Earth Observatory. 6 July 2007. Archived from the original on 5 September 2015. Retrieved 24 August 2015.
  3. 3.0 3.1 "The Stratosphere - overview". scied.ucar.edu (अंग्रेजी में). University Corporation for Atmospheric Research. Retrieved 25 July 2018.
  4. "NWS JetStream - Layers of the Atmosphere". www.weather.gov (अमेरिकी अंग्रेजी में).
  5. 5.0 5.1 "Nasa Ozone Watch: Polar vortex facts". ozonewatch.gsfc.nasa.gov (अमेरिकी अंग्रेजी में).
  6. गर्ग, एच. एस. (24 सितंबर 2021). भूगोल (हिंदी में). SBPD Publications. p. 13. Retrieved 30 मई 2022.
  7. Khullar, D. R. Geography Textbook-Hindi (हिंदी में). New Saraswati House India Pvt Ltd. ISBN 978-93-5041-242-8.

बाहरी कड़ी संपादन करीं