स्पीति

हिमाचल प्रदेश में एगो घाटी

स्पीति (भोटी भाषा में एकर उच्चारण पिति होखे ला), चाहे स्पीती घाटी, हिमालय के एगो ऊँच-ऊँचाई वाला इलाका हवे जे उत्तरी भारत के हिमाचल प्रदेश राज्य के उत्तर-पूरुब हिस्सा में स्थित बा। "स्पिति" नाँव के मतलब होला "मध्य भूमि", यानी तिब्बतभारत के बीचोबीच के जमीन।[2] स्पीति में मुख्य रूप से स्पीति नदी के घाटी, आ अउरियो कई गो नदी सभ के घाटी सभ के सामिल कइल जाला जे स्पीति नदी में आपन पानी छोड़े लीं। स्पीति में कुछ प्रमुख साइड-घाटी सभ में पिन घाटी आ लिंगटी घाटी बाड़ी सऽ। स्पीति के पूरुब में तिब्बत, उत्तर में लद्दाख, पच्छिम आ दक्खिन-पच्छिम में लाहुल, दक्खिन में कुल्लू आ दक्खिन-पूरुब में किन्नौर बाड़ें। स्पीति में ठंडा रेगिस्तान (कोल्ड डेजर्ट) वाला माहौल बाटे।[3] घाटी आ एकरे आसपास के इलाका भारत के सभसे कम आबादी वाला इलाका सभ में गिनल जालें। भोटी भाषा बोले वाली स्थानीय आबादी तिब्बती बौद्ध धर्म के माने ले।

स्पीति
Spiti River upstream of Kaza
काज़ा से ऊपर स्पीति नदी
Floor elevation2,950–4,100 मी (9,680–13,450 फीट)[1]
Geography
Locationलाहुल अउरी स्पीति जिला
State/Provinceकिन्नौर, हिमाचल प्रदेश, भारत
Population centersलोसर, काज़ा, ताबो, सुम्डो, चांगो

परंपरागत रूप से खेती रोजी-रोटी खातिर रहे, बाकी पिछला कुछ दशक में ई नकदी के फसल के खेती में बदल रहल बा। स्पीति ट्रेकिंग, पर्वतारोहण आ रोमांच पर्यटन खातिर एगो पापुलर डेस्टिनेशन हवे। शीतकालीन खेलन के पॉपुलरिटी एहिजे बढ़ रहल बा।

भूगोल संपादन करीं

स्पीति घाटी दक्खिन-पुरुब में किन्नौर में सतलज नदी से उत्तर-पच्छिम में कुंजुम रेंज से खाब के बीच में स्थित बा। स्पीति नदी के उत्पत्ती 6,118 मी (20,073 फीट) के ऊँचाई पर 'के-111' चोटी से होखे ला।[4] तक्त्सी सहायक नदी नोगपो-टोपको कुंजुम ला के लगे ग्लेशियर से निकले ले। 150 किमी के बाद, स्पीति खब के लगे सतलुज में मिल जाले। पिन, लिंगटी आ पराचू के प्रमुख सहायक नदी बाड़ीं। स्पीति नदी के थाला लगभग 6,300 किमी2 (2,400 वर्ग मील) बा। मुख्य हिमालयी श्रृंखला के बरखा के छाया में बसल स्पीति के दक्खिन-पच्छिम के मानसून से कवनो फायदा ना होला जेकरा चलते भारत के अधिकतर हिस्सा में जून से सितंबर ले व्यापक बरखा होला। ग्लेशियर के पिघले के कारण ई नदी गर्मी के अंत में चरम डिस्चार्ज पहुँचे ले।[5]

स्पीति घाटी के दू गो अलग-अलग हिस्सा बाड़ें। लोसर से लिंगटी ले ऊपरी घाटी में नदी के बहुत चौड़ा नदी के तल में धारा कई हिस्सन में बँट के बहे ले हालाँकि पानी के चैनल सकेते होला।[5][4] घाटी के तल पर प्राचीन तलछटी जमाव बाड़ें आ साइड सभ में बिसाल स्क्री ढलान बाड़ें। निचला घाटी लिंगटी से खब ले बिस्तार लिहले बाटे। इहाँ घुमावदार नदी में गहिराह घुसल चैनल आ गॉर्ज लगभग 10–130 मी (33–427 फीट) मीटर गहिर तलछटी जमा आ बेडरॉक में नीचे घुसल बाड़ें। सहायक नदी आ अउरी धारा सभ समकोण पर जुड़े लीं, ई पिछला कुछ लाख साल में भइल नियोटेक्टोनिक गतिविधि के संकेत देला।[5]

स्पीति नदी आ एकरे कई गो सहायक नदियन के दुनों ओर खड़ा पहाड़ बहुत ऊँच ऊँचाई वाला बाड़ें। पूर्वोत्तर के पारंग श्रेणी में सभसे ऊँच चोटी के ऊँचाई 7,030 मी (23,064 फीट) बाटे आ दक्खिन-पच्छिम ओर, 6,598 मी (21,646 फीट) पर मनीरंग चोटी बा। पहाड़ बंजर बाड़ें आ कुछ गाँव सभ में कुछ ठूंठ विलो आ बिखराइल पेड़ सभ के छोड़ के बहुत हद तक पेड़ से रहित बाड़ें। [4] स्पीति नदी आ एकर सहायक नदी के किनारे मुख्य बस्ती काजा आ ताबो बाड़ी स।[6]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "Losar - Chango, OpenStreetMap". OpenStreetMap (अंग्रेजी में). Retrieved 2020-08-31.
  2. Kapadia 1999, p. 209.
  3. A. S. Kashyap (2006). Dr. Satish K. Sharma (ed.). Horticulture in Cold Desert Conditions with Particular Reference to Spiti Valley of Himachal Pradesh. Temperate Horticulture: Current Scenario. New India Publishing. pp. 201–202. ISBN 9788189422363.
  4. 4.0 4.1 4.2 Harcourt, A.F.P. (1871). The Himalayan Districts of Kooloo, Lahoul and Spiti. London: W.H. Allen & Sons.
  5. 5.0 5.1 5.2 Srivastava, P.; Ray, Y.; Phartiyal, B.; Sharma, A. (1 March 2013). "Late Pleistocene-Holocene morphosedimentary architecture, Spiti River, arid higher Himalaya". International Journal of Earth Sciences. 102 (7): 1967–1984. doi:10.1007/s00531-013-0871-y. S2CID 129143186.
  6. "Khab, Himachal, OpenStreetMap.org". OpenStreetMap.org. Retrieved 14 जून 2020.

स्रोत ग्रंथ संपादन करीं