हवा
हवा (अंग्रेजी:Air, एयर; Wind, विंड ) पहिला अरथ में हमनी की पृथ्वी के चारो ओर लपटाइल गैसन क मिक्सचर हवे जेवना से पृथ्वी क वायुमंडल बनल बाटे; दूसरा अरथ में ई धरातल के ऊपर बहे वाली हवा, जेवना के हिंदी में पवन आ अंग्रेजी में विंड कहल जाला, ओहू के भी भोजपुरी में हवा की नाँव से जानल जाला। ई लेख हवा के बहे वाला रूप के बारे में बाटे।
![हवा के दिसा नापे वाला यंत्र](http://upload.wikimedia.org/wikipedia/commons/thumb/b/bf/Windrichtungsgeber.jpg/220px-Windrichtungsgeber.jpg)
पृथिवी भा कौनों अउरी ग्रह के वायुमंडल में हवा (एयर) के प्राकृतिक बहाव भा गति, हवा (विंड) चाहे पवन हवे। एह गति भा बहाव के मुख्य कारन अलग-अलग जगह पर सुरुज द्वारा मिले वाला गर्मी के अलग-अलग मात्रा के चलते अलग-अलग वायुदाब आ पृथिवी के घूर्णन हवे।[1]
पृथ्वी पर बहे वाली हवा के तीन प्रकार में बाँटल जाला - 1. वैश्विक हवा, 2. लोकल हवा, आ 3. ऊपरी वायुमंडल क हवा।
लोकल हवा
संपादन करींलोकल हवा (अंग्रेजी: local winds[2]) सभ अइसन हवा होखे लीं जे पृथिवी के कौनों खास छोटहन हिस्सा भर में बहे लीं आ ओह जगह के लोकल भूगोल, मने की लोकल जमीनी ऊँचाई निचाई भा लोकल मौसमी घटना नियर चीज, इनहन के बहे के कारन होखे ला।[3] इनहन के बहे के समयवो कम आ सीमित होखे ला। लोकल भूगोल से परभावित हो के बहे वाली एह हवा सभ के लोकल हवा भा हिंदी में स्थानीय पवन कहल जाला।[4]
संदर्भ
संपादन करीं- ↑ Society, National Geographic (15 नवंबर 2012). "Wind". National Geographic Society (अंग्रेजी में). Retrieved 21 अप्रैल 2022.
- ↑ "local winds". glossary.ametsoc.org. अमेरिकी मौसमबिज्ञान सोसाइटी. Retrieved 21 अप्रैल 2022.
- ↑ "MetLink - Royal Meteorological Society Local Winds -". metlink.org. Retrieved 21 अप्रैल 2022.
- ↑ "Local Winds: What Are They?". Tomorrow.io Weather Blog (अंग्रेजी में). 9 दिसंबर 2021. Retrieved 21 अप्रैल 2022.[मुर्दा कड़ी]
ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |