हुड वाला पिट्टा (नेपाली: चित्रक पिट्टा, अंग्रेजी: Hooded pitta; Pitta sordida) पिट्टा परिवार के एक ठो passerine चिरई बाटे जवन पूरबी आ दक्खिनी पूरबी एशिया में आ समुंद्र तटीय दक्खिनी पूरबी एशिया में पावल जाले। ई एह इलाका के जंगल से ले के बाग बगीचा आ खेती वाला इलाका सभ में मिले ले। लेप्चा भाषा में एकरा के फित्तम् फ़ो कहल जाला।[2]

हुड वाला पिट्टा
बैज्ञानिक वर्गीकरण
किंगडम: जानवर
फाइलम: कार्डेटा
क्लास: चिरई
ऑर्डर (Order): Passeriformes
परिवार: पिट्टादी
जाति (Genus): पिट्टा
प्रजाति: P. sordida
दूपद नाँव
Pitta sordida
(Müller, 1776)

ए चिरई के लंबाई 16 से 19 सेंटीमीटर ले हो सके ले आ वजन लगभग 42 से 70 ग्राम ले होला। ई चिरई कई प्रकार के किरौना आ लार्वा खाले आ रसदार फल भी खाले। इन्हन के मिलन समय फरवरी से अगस्त ले होला (भारत में जून से अप्रैल[2])जवना दौरान ई जमीन पर आपन खतोना बनावे ले आ नर आ मादा दुनों मिल के बच्चा सब के देखभाल करे लें। ई अपने निवास क्षेत्र के बहुत महत्व देले आ इन्हन के आवाज मधुर (क्वीक-क्वीक) होले, जवन कबो कबो रात भर चले ले।

हुडेड पिट्टा

रंगरूप संपादन करीं

 
सैन डियागो चिड़ियाघर में

ई चिरई चमकीला रंग से ले के हल्का मटमइल निलछाहूँ-हरा रंग के हो सके ले। एकरे मूंडी के रंग करिया होला आ टोपीदार लउके ला एही से एकरा के हुड वाला पिट्टा भी कहल जाला। मूंडी के ऊपर भूरा रंग के निशान भी कबो कबो होला। बाकी शरीर नीलाहूँ हरियर होला। पूँछ के रंग करिया होला जवना के छोर पर नीला रंग भी हो सकेला। पिट्टा जाति के बाकी चिरई सभ नियर एकर पोंछ बहुत बाहर निकलल ना होले बलुक बहुत छोट होला।

भूगोलीय क्षेत्र संपादन करीं

पूरबी आ दक्खिनी पूरबी एशिया में आ समुंद्र तटीय दक्खिनी पूरबी एशिया में पावल जाले। ई एह इलाका के जंगल से ले के बाग बगीचा आ खेती वाला इलाका सभ में मिले ले।

भारतीय उपमहादीप संपादन करीं

भारत में ई चिरई हिमालय के तराई वाला इलाका आ उत्तर प्रदेश से ले के नीचला बंगाल ले, आ बंगलादेश आ बर्मा में पावल जाले।[2]

आदत संपादन करीं

आमतौर पर ई चिरई जमीन पर छोट किरौना आ लार्वा के शिकार करे ले। पतझड़ वाला बन में ई पतई के ढेर में टकटोर के किरौना खोजे ले। भारत में इन्हन के प्रजनन काल (बच्चा देवे के समय) अप्रैल से जून होला[2] आ ई आमतौर पर बांस के पतई के गोला निअर इकट्टा क के जमीन पर खतोना बनावे ले। एक बेर में चार से पाँच अंडा देले। नर आ मादा दुनों मिल के बच्चा के पोसे लें।[2]

चिड़िया घर में संपादन करीं

पकड़ के रखले पर आम तौर पर ई बाकी साथी चिरइन के साथ घुलमिल जाले बाकी प्रजनन समय में दूसरी पिट्टा सभ पर लड़ाकू हो सकेले। लंदन चिड़ियाघर में ई चिरई लंबा गलियारा नियर हिस्सा में रखल जाले।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. BirdLife International (2012). "Pitta sordida". IUCN Red List of Threatened Species. Version 2013.2. International Union for Conservation of Nature. Retrieved 26 November 2013. {{cite web}}: Invalid |ref=harv (help)CS1 maint: uses authors parameter (link)
  2. 2.0 2.1 2.2 2.3 2.4 अली, सालिम (2002). The Book of Indian Birds (13वाँ ed.). बॉम्बे नैचुरल हिस्ट्री सोसायटी. p. 203. ISBN 0195665236.

बाहरी कड़ी संपादन करीं