खसरा भा ख़सरा भारतपाकिस्तान में इस्तमाल होखे वाला एक तरह के कानूनी दस्तावेज हवे जेहमें जमीन आ फसल के बिबरन लिखल रहे ला। आमतौर पर ई शजरा (जमीन के नकसा) के साथ मिला के देखल जाला, आ एह में खेत के आकार, खेत के उपजाऊपन, मिलिकियत (के-के मालिक बा) आ केकर केतना हिस्सा बा, कवन फसल बोअल जाले, वगैरह के डिटेल में जानकारी दर्ज रहे ला।

खतौनी संपादन करीं

खतौनी भा ख़तौनी केहू ब्यक्ति (परिवार के मुखिया) के नाँव दर्ज जमीन के सगरी खसरा सभ के एकट्ठा दस्तावेज हवे। ई भारत आ पाकिस्तान में जमीन संबंधी एगो कानूनी दस्तावेज होला।

हर किसान के ओकरा जमीन संबंधी जानकारी जे पटवारी के रजिस्टर में खसरा के रूप में दर्ज कइल गइल होले, माँगे पर खतौनी के रूप में उपलब्ध करावल जाले। कुछ जगह एकरा के किसान बही कहल जाला।

वर्तमान समय में भारत के अधिकतर राज्यन के जमीन संबंधी रेकार्ड राज्यन के डिजिटल पोर्टल से डाउनलोड कइल जा सकत बाने; एह पोर्टल सभ के भूलेख नाँव दिहल गइल बाटे।

इहो देखल जाय संपादन करीं