जोंडा
अर्जेंटाइना में बहे वाली फॉन किसिम के लोकल हवा
जोंडा (अंग्रेजी: Zonda)[1] अर्जेंटाइना में बहे वाली लोकल हवा हवे। ई फॉन किसिम के हवा हवे, मने की कौनों पहाड़ के ऊपर से गुजर के दुसरे साइड के पहाड़ी ढाल से नीचे आवे पर गरम आ सूखल हवा हवे। चिली आ अर्जेंटाइना के सीमा पर मौजूद एंडीज परबत के पूरबी ढाल पर ई हवा बहे ले आ पच्छिम से आवे ले।
एकर एगो नाँव सोंदो/सोंडो (Sondo) भी हवे।[2]
पैदाइश
संपादन करींपोलर मारीटाइम हवा राशि से पैदाहोखे वाली हवा हवे जे एंडीज परबत के पच्छिमी ढाल पर ठंढा आ नम होखे ले बाकी पहाड़ पर चढ़े के समय बरखा करे ले आ जब दुसरे साइड में जोंडा के रूप में उतरे ले तब एडियाबेटिक प्रासेस से गर्म होखे लागे ले आ बहुधा धूल-धक्कड़ भरल भी हो सके ले। एकर रफ़्तार 240 किमी/घंटा तक ले हो सके ले।
इहो देखल जाय
संपादन करींसंदर्भ
संपादन करीं- ↑ "zonda | wind | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 30 अप्रैल 2022.
- ↑ "Wind of the World: Zonda (or Sondo) | weatheronline.co.uk". www.weatheronline.co.uk (अंग्रेजी में). Retrieved 30 अप्रैल 2022.
ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |
ई दक्खिन अमेरिका के अस्थान या भूगोल से संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |