थाली

चावल, दाल, रोटी, सब्जी, समेत लगभग पूरा भोजन एकही थरिया में परोसल

थाली परंपरागत रूप में उत्तरी भारत में पूरा भोजन होला जेह में चावल, दाल, रोटी, सब्जी आ अउरी साइडडिस जइसे चटनी, अचार, पापड़, सलाद नियर चीज शामिल होखे लीं। ई आमतौर पर गोल थरिया में परोसल जाला जेह में कटोरी सभ के इस्तेमाल होखे ला दाल, आ रसदार चीजन के परोसे खातिर। थाली शब्द माने गोल थरिये होला बाक़ी इहे नाँव एह में परोसल पूरा भोजन के पड़ गइल।[1] होटल आ रेस्टोरेंट सभ में अलग-अलग चीज ऑर्डर ना क के पूरा भोजन थाली के नाँव से ऑर्डर कइल जा सके ला।

एगो रेस्टोरेंट में परोसल उत्तर भारतीय थाली

दक्क्षिण भारत में ई भोजनम् के नाँव से जानल जाला। परंपरागत रूप से काँसा (फूल) के थरिया आ कटोरी में परोसल जाला।

  1. Kleiman, Evan (26 August 2022). "Thali like it is: Regional Indian cuisine on one plate". Retrieved 4 July 2024.