Welcome! स्वागतम्!  

राउर बहुत-बहुत स्वागत बा अजीत कुमार तिवारी जी !

अजीत कुमार तिवारी जी, एह समय रउँआ विकिमीडिया फाउन्डेशन के परियोजना भोजपुरी विकिपीडिया पर बाड़ीं। भोजपुरी विकिपीडिया एगो मुक्त डिजिटल ज्ञानकोश हवे, जेवन अइसन भइया-बहिनी लोग मिल के लिखले बा जे ज्ञान बाँटे में बिस्वास करत बाटे। एह समय ए परियोजना में 35,149 सदस्य लोग शामिल बाटे। ई बहुते खुशी क बाति बा कि रउँओं ए में शामिल हो गइल बाड़ीं।

  • आपन परिचय आप संछेप में अपना सदस्य पन्ना पर दे सकत बानी। बहुत पर्सनल बात इहाँ मत लिखीं, न कौनों परचार वाली बात लिखीं। अपने खुद के बारे में लेख मत बनाईं।
  • दुसरा सदस्य लोगन से बात करत समय, बातचीत पन्ना पर सनेसा लिखले की बाद आपन दसखत (हस्ताक्षर) जरूर करीं। एकरा खातिर अंत में चार गो टेढ़का डैश (~~~~) लिख देंईं या टूलबार में पर क्लिक करीं।
  • मदद चाहत होखीं त विकिपीडिया के मदद पन्ना पर जाईं।

सीखे-समझे खातिर कुछ अउरी कड़ी नीचे दिहल जात बाटे:

शुरू से सीखीं    संपादन सीखीं    नया लेख लेख मनाहीं    पंचशील सदस्य समाज पन्ना

-- Nepaboy (talk) ०४:२९, १८ अगस्त २०१३ (UTC)

नमस्कार तिवारी जी संपादन करीं

तिवारी जी नमस्कार, हम के खुब निमन लागल कि रउआ इ विकी पर हमार मदद करे के चाहत बानी। लेकिन हम के समझ नईखे आवत कि हम का करीं कि भोजपुरीया लोग इ विकी से जुड़े आ इ के आगे बढ़ावे में मदद करे। एतना समय से हम इ विकीपीडिया पर आश लगा के देख रहल बानी कि सदस्य लोग आवे आ हमनी के भी इ भाषा के विकीपिडीया के दोसर भाषा के विकीपीडिया जइसहीं एहु के आगे ले जाईं पर केहु ना जुड़ल इ विकी से ३ साल के बाद भी। भोजपुरी आ नेपाली विकीपीडिया एक साथ खोलल गइल रहल। धीरे-धीरे नेपाली विकीपिडिया आगे बढ़ गइल आ भोजपुरी विकीपीडिया ओही जगह के ओही जगह रह गइल। हम के बड़ा दुख लागत बा कि इ भाषा से प्रेम करे वाला एक आदमी भी नईखन। शुरु में भोजपुरी भाषा के इ विकी बिल्कुल अंग्रेजी में रहल हम http://translatewiki.net पर जाके इ के भोजपुरी में बदलली, एकरा खातिर भोजपुरी में विकीपीडिया में लिखल लोगो के अनुरोध कइली, पर अभी भी बहुत कुछ बाँकी बा जेकर अनुवाद करल जरुरी बा। रउए कउनो उपाय बताईं जे से हम भोजपुरीया लोग के अहिजा खिंच सकीं। धन्यवाद Nepaboy (talk) ०८:०८, २५ अगस्त २०१३ (UTC)

गणेश जी नमस्कार। असल में भोजपुरी बोले आऊर लिखे वालन के साथे दिक्कत ई बा कि कई बार बोल पावै वाला लिख ना पावै ला आऊर लिख पावै वाला लिखल ना चाहै ला। आप केहुके बोलाय के कऊनो काम ना कराय सकत बाड़ें। आपन मन से केहू काम करल चाही तबै इहाँ टिक पायी। आप कोशिश करीं। हिंदी जानै वालन से मदद मँगले पर हो सकैला कि जे भोजपुरी जानत होय ऊ इहाँ पर आपन समय दे। हमहने आपन कोशिश करल जाई त धीरे-धीरे भोजपुरी विकि भी आगे बढ़ जायी। -- अजीत कुमार तिवारी बातचीत ११:५५, २५ अगस्त २०१३ (UTC)

नमस्कार! संपादन करीं

नमस्कार अजीत जी!

जहाँ ले हमारा के बुझात बा रउआँ फिर से एगो लमहर छुट्टी की बाद विकिपीडिया पर सक्रीय भइल बानी आ हिंदी विकि पर राउर योगदान देखात बाटे। इहँओ आपन कुछ समय निकाल के कुछ योगदान कइल जाय त बहुत निम्मन रही। आपके फिर से सक्रीय होखे बिधा बहुत स्वागत बाटे। --सत्यम् मिश्र (talk) ११:५९, १५ मार्च २०१५ (UTC)

हम कोसिस करब सत्यम जी। बहुत समय हम कुछ ना लिखले हई भोजपुरी में। आपो बताईं कवने विषय प लिखल जा। -- अजीत कुमार तिवारी बातचीत ०७:१२, १६ मार्च २०१५ (UTC)
अजीत जी नमस्ते! हम माफी चाहत बानी, पता न कइसे आपके संदेस हमसे मिस हो गइल। आप कौनों भी बिसय पर लिख सकत बानी जेवना में आप के रूचि होखे। आप त हमसे पहिले से इहाँ सक्रिय रहि चुकल बानी। जेतना भी थोड़-बहुत समय आप निकाल सकीं, ओतने बहुत होई। सभ लोग इहाँ वालंटियरे बाटे, हम खुद पिछला कुछ दिन से कम समय निकाल पावत रहलीं। आप के बहुत स्वागत बा!--सत्यम् मिश्र (talk) १२:१३, २५ मार्च २०१५ (UTC)
अजीत जी आप पुछले रहलीं की कौन चीज पर योगदान कइल जाय न! अगर आप एह लेखवन में से कौनों में सुधार कइ के इनहन के बढ़ावे में मदद करब त बहुत नीमन होई। आपके हिंदी विकि पर सक्रियता के देख के हमरा ई उमीद बन्हाइल बा की आप इहँओ योगदान करब। धन्यवाद!--सत्यम् मिश्र (talk) १७:०९, १९ अप्रैल २०१५ (UTC)
एह महीना में हाथ तनी तंग बा। मई से ई लेखन पर काम कयल जाई। हमहने मिल के कुछ विषय खास पर भी शुरू कर सकत हइजा। धन्यवाद सत्यम जी। हमके ठीक त ना लगत ह कि हम भोजपुरी में साल भर से ऊपर कुछ ना लिखली। आप क साथ हमके अच्छा लगी। धन्यवाद। -- अजीत कुमार तिवारी बातचीत ०५:३४, २० अप्रैल २०१५ (UTC)

आप के दस्खत संपादन करीं

नमस्ते अजीत जी, आपके अभिन के दस्खत में कुछ बदलाव करे के सलाह दिहल जात बा। काहें कि एह में <font>...</font> के इस्तेमाल हो रहल बा जेकरा कारण पन्ना सभ पर Lint error आ रहल बा।

आप अपने अभिन के दस्खत

[[User:'''अजीत कुमार तिवारी'''|<span style="text-shadow:gray 3px 3px 2px;"><font color="red"><sup></sup> '''अजीत कुमार तिवारी'''</font></span>]]<sup>[[User talk:अजीत कुमार तिवारी|<font color="green"> '''बातचीत'''</font>]]</sup>

के जगह अब

[[User:अजीत कुमार तिवारी|<span style="text-shadow:gray 3px 3px 2px;color:red">'''अजीत कुमार तिवारी'''</span>]]<sup>[[User talk:अजीत कुमार तिवारी|<span style="color:green"> '''बातचीत'''</span>]]</sup>

के इस्तेमाल करीं; एकरा से दस्खत पुरनके नियर लउकी बाकी ई एरर खतम हो जाई। धन्यबाद।--SM7--बातचीत-- 12:19, 16 मई 2018 (UTC)Reply

एकरे खातिर शुक्रिया। अजीत कुमार तिवारी बातचीत 13:18, 16 मई 2018 (UTC)Reply

अक्टूबर महीना खातिर टारगेट संपादन करीं

नमस्ते अजीत जी,

अगिला महीना भर मिल के काम करे खातिर हम टार्गेट सेट क लेले बानी। एकरा के आप विकिपीडिया:समाज पन्ना (एकर कड़ी बाएँ ओर के साइडबार में भी बा) पर जा के सभसे नीचे देख सकत बानी।

एह लिस्ट में 120 गो लेख बीछ के रखले बानी जिनहन के अपना पसंद अनुसार बिस्तार करे के बा। इनहन के सभसे ढेर देखल जाए वाला लेख सभ में से चुनल गइल बा। 1 अक्टूबर से राउर स्वागत बा एह काम में। --SM7--बातचीत-- 16:01, 28 सितंबर 2018 (UTC)Reply