फाइल शेयरिंग

दुसरे लोगन ले डिजिटली स्टोर जानकारी भा मीडिया पहुँचावे के काम


फ़ाइल शेयरिंग (अंग्रेजी: file sharing) एक ठो अइसन काम हवे जेकरे जरिये दुसरे लोगन तक ले डिजिटल मीडिया उपलब्ध करावल जाला चाहे बाँटल जाला। अइसन डिजिटल मीडिया में कंप्यूटर प्रोग्राम, मल्टीमीडिया (आडियो, इमेज आ बीडियो), डाकुमेंट आ ई-बुक सभ शामिल बाड़ें। स्टोर करे, ट्रांसमिट करे आ बितरण में सभसे कॉमन तरीका सभ बाड़ें: रिमूवेबल मीडिया, सेंट्रलाइज्ड सर्वर सभ, इंटरनेट आधारित हाइपरलिंक वाला डाकुमेंट आ पियर-टू-पीयर नेट्वर्किंग।

फ़ाइल साझा करे वाली टेक्नॉलजी, जइसे कि बिटटोरेंट, आधुनिक जमाना के मीडिया पाइरेसी के अभिन्न अंग बन चुकल बाड़ें; अइसने हालत एकेडमिक डेटा आ अउरी फिरी कंटेंट खातिर भी बाटे।