भतुआ (अंग्रेजी: Winter melon) चाहे Wax gourd; बैज्ञा. नाँव:Benincasa hispida) एगो नार-पात वाली लता होखे ले जेह में बड़हन साइज के फर फरेला। ई बेनिनकासा (Benincasa) के एकलौता प्रजाति हवे। मूल रूप से ई दक्खिन-एशिया आ दक्खिन-पूरब एशिया के बनस्पति हवे।

Wax gourd
Wax gourd plant, flower, immature and mature fruit
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम: प्लेंटाई
(Plantae)
क्लैड (Clade): एंजियोस्पर्म
(Angiosperms)
क्लैड (Clade): यूडिकॉट्स
(Eudicots)
क्लैड (Clade): रोसाइड
(Rosids)
ऑर्डर (Order): Cucurbitales
परिवार: Cucurbitaceae
उपपरिवार: Cucurbitoideae
Tribe: Benincaseae
जाति (Genus): Benincasa
Savi
प्रजाति: B. hispida
दूपद नाँव
Benincasa hispida
(Thunb.) Cogn.
अउरी दूसर नाँव[1]
Waxgourd, raw
पोषण मान प्रति 100 ग्रा (3.5 औंस)
ऊर्जा54 किलोजूल (13 किलोकैलोरी)
3 g
खाद्य रेशा2.9 g
0.2 g
0.4 g
बिटामिन
थायमीन (B1)
(3%)
0.04 mg
राइबोफ्लेविन (B2)
(9%)
0.11 mg
नायसिन (B3)
(3%)
0.4 mg
Pantothenic acid (B5)
(3%)
0.133 mg
बिटामिन B6
(3%)
0.035 mg
बिटामिन C
(16%)
13 mg
मिनरल्स
कैल्शियम
(2%)
19 mg
आयरन
(3%)
0.4 mg
मैग्नीशियम
(3%)
10 mg
मैंगनीज
(3%)
0.058 mg
फास्फोरस
(3%)
19 mg
सोडियम
(7%)
111 mg
जिंक
(6%)
0.61 mg

परसेंट में दिहल अमेरिकी निर्धारित मान वयस्क बेकति खातिर
स्रोत: यू॰ऍस॰डी॰ए॰ पोषक तत्व डेटाबेस

उत्तर भारत में ई जाड़ा के समय उपजावल जाला। एकर लमहर नार-पात वाली लता होखे ले जे आमतौर पर छान-छप्पर पर चढ़ा दिहल जाला। पतई चाकर होले आ फूल पीयर रंग के होखे लें। फर जबले छोट रहे ला ओह पर रोआँ नियर होखे लें आ एकदम पुरहर हो के पाक जाए पर ई रोआँ गायब हो जालें आ उज्जर मोम नियर परत में बदल जालें। एही कारण एकरा के अंग्रेजी में वैक्स गॉर्ड (वैक्स माने मोम) कहल जाला। एही परत के कारन एकरे पुरहर आ पाकल फर के काफी लमहर समय ले रखल जा सके ला ई लगभग साल भर ले ना खराब होखे ला।

एकरे फर के पुरहर हो जाए पर सब्जी बनावल जाला आ एकदम पाक जाए पर भतुआ पाग भा पेठा नाँव के मिठाई बनावल जाला जे एक किसिम के मोरब्बा नियर होखे ला। भारत में आगरा के पेठा मशहूर हवे जे एही फर से बने ला। मिठाई के अलावा पाकल फर के गुद्दा निकाल के ओकर अदउरी बनावे में भी इस्तेमाल होखे ला।[2]

कुछ धार्मिक करमकाण्ड में एकरे फर के बलि देवे में भी इस्तेमाल कइल जाला।[3]

संदर्भ संपादन करीं

  1. "The Plant List: A Working List of All Plant Species". Archived from the original on 2018-10-03. Retrieved अप्रैल 10, 2014.
  2. मिश्र, विद्यानिवास (1 जनवरी 2009). हिंदी की शब्द संपदा (हिंदी में). राजकमल प्रकाशन. ISBN 978-81-267-1593-0. Retrieved 22 फरवरी 2022.
  3. "नवरात्र में भतुआ की बढ़ी मांग, स्वास्थ्य के लिए भी है गुणकारी". दैनिक जागरण (हिंदी में). Retrieved 22 फरवरी 2022.