मैंगनीज (Manganese) एगो रासायनिक तत्व हवे जेकर रासायनीक चीन्हा Mn आ परमाणु नंबर 25 होला। ई कड़ेर आ टूटे वाला धातु हवे जे चानी के नियर होला, खानिज सभ में ई कई चीजन के साथे मिलल रूप में प्रकृति में पावल जाला, अक्सरहा लोहा के साथे मिलेला। ई ट्रांजिशन धातु हवे। एकर इस्तेमाल कई किसिम के मिलावटी धातु (एलॉय) बनावे में इस्तेमाल होला। खास इस्तेमाल इस्टील बनावे के उद्योग में होला आ ई इस्टील के मजबूती बढ़ावे ला आ एकरे क्षय होखे के रोके ला। मैंगनीज ऑक्साइड के इस्तेमाल एगो आक्सिडाइजिंग एजेंट के रूप में होखे ला, रबर बनावे में होला, सीसा (ग्लास) बनावे में होला, रासायनिक खाद आ चीनी माटी के बर्तन आ अउरी समान बनावे में होला। मैंगनीज सल्फेट के इस्तेमाल फंगस रोके खातिर होला।