लेसर सैंड प्लोवर (अंग्रेजी: Lesser sand plover, बैज्ञानिक नाँव:Charadrius mongolus) प्लोवर परिवार के एगो पनिहा चिरई बाटे। ई मुख्य रूप से भारतीय उप महादीप के समुन्द्र के किनारे के इलाका, अंडमान निकोबार, फिलीपींस से ले के आस्ट्रेलिया ले पावल जाले।

लेसर सैंड प्लोवर
मंडी उल्लन[1], कोट्टम (तमिल)
बैज्ञानिक वर्गीकरण
किंगडम: जानवर
फाइलम: कार्डेटा
क्लास: एव्स
ऑर्डर (Order): Charadriiformes
परिवार: Charadriidae
जाति (Genus): Charadrius
प्रजाति: C. mongolus
दूपद नाँव
Charadrius mongolus
Pallas, 1776
उपप्रजाति
  • C. m. mongolus
  • C. m. atrifrons
  • C. m. pamirensis
  • C. m. stegmanni
  • C. m. schaeferi

अंडा देवे के समय जून-जुलाई के महीना होला जहाँ ई हिमालय के ऊपरी इलाका में लद्दाख आ लाहुल स्पीति के क्षेत्र में अंडा देवे चल जाले। ई मुख्य रूप से हिमालय के अइसन इलाका में अंडा देवे जाले जहाँ फेड़ ना पावल जाला (3900 से 5500 मीटर)।[3] एकरे अलावा ई साइबेरिया के कुछ हिस्सा में भी अंडा देवे ली।

गैलरी संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. ENVIS Centre On Avian Ecology पर चिरई सभ के नाँव
  2. बर्डलाइफ इंटरनेशनल (2012). "Charadrius mongolus". IUCN Red List of Threatened Species. IUCN. 2012: e.T22693855A38773045. Retrieved 21 फरवरी 2016.{{cite journal}}: CS1 maint: uses authors parameter (link)
  3. सालिम अली, The Book of Indian Birds, 13th ed., Bombey Natural History Society (BNHS), Oxford Press. 2003 ISBN-13: 9780195665239 ISBN-10: 0195665236, (pp. 136)

बाहरी कड़ी संपादन करीं