शमाल

उतरही-पछुआ धूर भरल लोकल हवा जे ईराक आ फारस के खाड़ी के इलाका में बहे ले

शमाल (अंग्रेजी: Shamal)[1] ईराकफारस के खाड़ी के देसन (सऊदी अरबकुवैत शामिल बाड़ें) में बहे वाली गरम, धूर-धक्कड़ वाली लोकल हवा हवे। अरबी भाषा में शमाल भा शुमाल (अरबी: شمال) के अरथ होला उत्तर दिसा; ई हवा उत्तर आ उत्तर-पच्छिम दिसा से बहे ले। दिन में ई हवा तेज होखे ले जबकि रात में कुछ मद्धिम पड़ जाले।[2]

A shamal overspreading Iraq

अधिकतर अइसन हवा गरमी के सीजन में बहे ले बाकी ई जाड़ा के सीजन में भी कब्बो-काल्ह बह सके ले। जून जुलाई के महीना में ई लगातार बहे ले।[1] एह लोकल हवा के परिणाम होला कि बड़हन पैमाना पर धूर भरल आन्ही नियर इस्थिति हो जाला; कई बेर ई कई सौ किलोमीटर के दूरी ले धूर आ बालू पहुँचा दे ले।[3] एह हवा में धूर आ रेत-बालू के मुख्य स्रोत जॉर्डनसीरिया के इलाका हवें।

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 "shamal | wind current | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 22 अप्रैल 2022.
  2. El-Baz, Farouk; R.M. Makharita (1994). Gordon and Breach Publishers (ed.). The Gulf War and the Environment. pp. 31–54, 178. ISBN 978-2-88449-100-6. Retrieved 2009-06-03.
  3. "Shamal Winds Drive Middle East Dust Storm". earthobservatory.nasa.gov (अंग्रेजी में). 25 जनवरी 2005. Retrieved 22 अप्रैल 2022.