शिक्षा बिज्ञान (अंग्रेजी: education sciences) चाहे शिक्षा सिद्धांत (education theory), जेकरा अक्सरहा शिक्षाशास्त्र (पेडोगोजी) कहल जाला), आ बहुवचन में शिक्षा बिज्ञान सभ, शिक्षा के नीति आ शिक्षा के प्रैक्टिस के बिबरन, बरनन करे, उनहन के समझ बढ़ावे आ शिक्षा के उचित नीति आ तरीका के सलाह देवे वाला बिज्ञान हवें। एह बिज्ञान सभ में कई गो शाखा आ बिसय आवे लें, जइसे की शिक्षा शास्त्र (भा पेडागोजी), एंड्रागोजी, कैरिकुलम, सीखल, शिक्षा नीति, शिक्षा संरचना, शिक्षा बेवस्था वगैरह। शिक्षा संबंधी चिंतन आ बिचार सभ में कई अउरी ज्ञान के शाखा सभ से मदद लिहल जाला जिनहन में इतिहास, दर्शनशास्त्र, समाजशास्त्रमनोबिज्ञान शामिल बाड़ें।