स्किनटिलैंट हमिंगबर्ड (अंग्रेजी: scintillant hummingbird; बैज्ञानिक नाँव: Selasphorus scintilla) एक किसिम के हमिंगबर्ड चिरई हवे जे कोस्टा रिका आ पनामा के मूल निवासी चिरई हवे। अउरी ऊँचाई वाला इलाका में एही के बिरादरी वल्केनो हमिंगबर्ड (volcano hummingbird, Selasphorus flammula) एकर अस्थान ले लेले।

स्किनटिलैंट हमिंगबर्ड
नर
मादा
CITES Appendix II (CITES)[2]
बैज्ञानिक वर्गीकरण e
किंगडम: एनिमेलिया
(Animalia)
फाइलम: कार्डेटा
(Chordata)
ऑर्डर (Order): सौरिशिया
सबऑर्डर: थेरोपोडा
क्लास: एव्स
ऑर्डर (Order): Apodiformes
परिवार: Trochilidae
जाति (Genus): Selasphorus
प्रजाति: S. scintilla
दूपद नाँव
Selasphorus scintilla
(John Gould, 1851)

आवास संपादन करीं

ई झाड़ीदार जंगली किनारा सभ में, कॉफ़ी के बागान सभ के तीरे आ अउरी बगान सभमे लगभग 900–2,000 मी (3,000–6,600 फीट) ले के ऊँचाई ले निवास करे ले आ बिना प्रजनन काल में ई 2,500 मी (8,200 फीट) के ऊँचाई वाला इलाकन ले रहे ले।

बिबरन संपादन करीं

एकर लंबाई बस 6.5–8 सेमी (0.21–0.26 फीट) होखे ला जेह में एकर ठोर भी सामिल बाटे।[3] नर के वजन लगभग 2 ग्रा (0.071 औंस) आ मादा के 2.3 ग्रा (0.081 औंस) होखे ला। एह तरीका से ई पृथ्वी के सभसे छोट साइज के चिरई सभ में से एक हईं सऽ। ई बी हमिंगबर्ड से कुछे बड़हन होखे ले।[4] करिया रंग के ठोर छोट आ सीधा होखे ला।

नर के शरीर के निचला हिस्सा कांसा-हरियर (bronze-green) कलर के होला आ एकर पोंछ र्यूफस (rufous) आ करिया पट्टीदार होखे ले। गला के रंग चमकीला ला होला आ एह पर सफ़ेद पट्टी होला।[3] मादा के रंग भी लगभग अइसने होला (The female is similar, but her throat is buff with small green spots and the flanks are richer rufous. Young birds resemble the female but have rufous fringes to the upperpart plumage.)[3]

प्रजनन संपादन करीं

स्किनटिलैंट सभ में खतोना बनावे आ अंडा-बच्चा के देखभाल के पूरा जिम्मेदारी मादा स्किनटिलैंट के होखे ले। ई झाडी सभ के बीचे कप नुमा खतोना में लगभग 1–4 मी (3 फुट 3 इंच–13 फुट 1 इंच) के ऊँचाई पर दू गो नखी मुकी अंडा देवे ले। इन्क्यूबेशन के काल 15–19 दिनन के होखे ला आ औरो 20–26 बच्चा सभ के रखाव होखे ला।

आहार संपादन करीं

एकर भोजन नेक्टर हवे, मने की फूलन के रस, जे ई बिबिध किसिम के छोट फूलन से लेवे ले आ एह में सैलाइवा आ अउरी अइसने प्रजाति सभ के पौधा सामिल बाड़ें जिनहन में परागीकरण छोट-छोट किरौना सभ द्वारा होखे ला। अउरी दूसर हमिंगबर्ड सभ नियर इहो चिरई कई किसिम के बहुत छोट किरौना सभ के प्रोटीन के पूर्ति खातिर खाले। अपना प्रजनन काल के दौरान नर स्किनटिलैंट सभ खुला एरिया में पर्च करे लें आ सैलाइवा वाला इलाका में भ्रमण करे ले; ई आपन भोजन के एरिया के मजबूती से रक्षा करे लें आ हमलावर रूप से डाइव लगा के अपना मलिकाई के पर्दर्शन करे लें। इनहन के आवाज मीठा "त्सिप" नियर होखे ला।

संदर्भ संपादन करीं

  1. BirdLife International (2016). "Selasphorus scintilla". खतरा में प्रजाति सभ के आइयूसीएन लाल सूची. 2016: e.T22688305A93191576. doi:10.2305/IUCN.UK.2016-3.RLTS.T22688305A93191576.en. Retrieved 12 November 2021.
  2. "Appendices | CITES". cites.org. Retrieved 2022-01-14.
  3. 3.0 3.1 3.2 Garrigues, Richard (2007). The Birds of Costa Rica: A Field Guide. Robert Dean (illustrations) (1st ed.). Ithaca, N.Y.: Comstock Publishing Associates, a division of Cornell University Press. pp. 138–139. ISBN 978-0-8014-7373-9.
  4. Wood, Gerald L. (1982). The Guinness Book of Animal Facts and Feats (3rd ed.). Enfield, Middlesex, UK: Guinness Superlatives. p. 72. ISBN 978-0-85112-235-9. OCLC 9852754.

स्रोत संपादन करीं

किताब संपादन करीं

बाहरी कड़ी संपादन करीं