टाइरेनियन सागर

भूमध्य सागर के हिस्सा जे इटली के पच्छिम में पड़े ला

टाइरेनियन सागर चाहे टिरेनियन सागर (अंग्रेजी: Tyrrhenian Sea) भूमध्य सागर के हिस्सा हवे जे इटली प्रायदीप के पच्छिम में बाटे। एकर नाँव इटली के टिरेनियाई लोगन के नाँव पर रखल गइल हवे। ई भूमध्य सागर (रूम सागर) के अइसन हिस्सा हवे जहाँ अफिरकी आ यूरोपीय प्लेट के टकराव वाला जगह हवे; एही कारन एहिजे कई गो ज्वालामुखी परबत समुंद्र के भीतर, आ ऊपर तक दीप के रूप में, पावल जालें। दुनिया के परसिद्ध स्ट्राम्बोली ज्वालामुखी एही सागर में सिसिली दीप के उत्तर में बाटे जेकरा के "भूमध्य सागर के प्रकाश स्तंभ" कहल जाला।

Tyrrhenian Sea
Tyrrhenian Sea.
लोकेशनभूमध्य सागर
निर्देशांक40°N 12°E / 40°N 12°E / 40; 12निर्देशांक: 40°N 12°E / 40°N 12°E / 40; 12
प्रकारसागर
थाला के देसइटली, फ्रांस
सतह क्षेत्र275,000 किमी2 (106,200 वर्ग मील)
औसत गहिराई2,000 मी (6,562 फीट)
अधिकतम गहिराई3,785 मी (12,418 फीट)

संदर्भ संपादन करीं