राजकुमारी मिश्रा
Welcome! स्वागतम्!राउर बहुत-बहुत स्वागत बा राजकुमारी मिश्रा जी ! ई जरूर पढ़ल जाय:
राजकुमारी मिश्रा जी, एह समय रउँआ विकिमीडिया फाउन्डेशन के परियोजना भोजपुरी विकिपीडिया पर बाड़ीं। भोजपुरी विकिपीडिया एगो मुक्त डिजिटल ज्ञानकोश हवे, जेवन अइसन भइया-बहिनी लोग मिल के लिखले बा जे ज्ञान बाँटे में बिस्वास करत बाटे। एह समय ए परियोजना में 36,829 सदस्य लोग शामिल बाटे। ई बहुते खुशी क बाति बा कि रउँओं ए में शामिल हो गइल बाड़ीं।
सीखे-समझे खातिर कुछ अउरी कड़ी नीचे दिहल जात बाटे:
|
-- नया सदस्य स्वागतकर्ता (बात करीं) ०८:२२, १९ जुलाई २०१६ (UTC)
आपके खातिर एगो बार्नस्टार
संपादन करींनवागन्तुक बार्नस्टार | |
नमस्ते राजकुमारी मिश्रा जी, आपके योगदान देख के हमारा के बहुत खुसी भइल आ आशा करत बानी की आप एही तरे भोजपुरी विकिपीडिया पर आपन योगदान देत रहब आ हमनी के नया लेख के संख्या में बढ़ती होखी। आपके उत्साह बढ़ावे खातिर हमरी ओर से एगो सम्मान के रूप में ई बार्नस्टार। --सत्यम् मिश्र [[User talk:सत्यम् मिश्र|<span सत्यम् मिश्र बातचीत ०६:४७, २० जुलाई २०१६ (UTC) |
प्रस्ताव पर राउर समर्थन चाहत बाटे
संपादन करींनमस्ते राजकुमारी मिश्रा जी! चौपाल पर एक ठो प्रस्ताव रखल गइल बा जेह में आपके समर्थन के जरूरत बा। एकरे साथे अगर आप उहाँ दिहल गइल कड़ी में प्रस्तावित नीति में कौनों सुझाव भा सुधार बतावल चाहत होखीं त ओहू के बहुत स्वागत बा। समर्थन करे खातिर संबंधित खंड में अन्य लोग के दस्खत के नीचे आगे दिहल चीज: * {{समर्थन}} — ~~~~
के पेस्ट कर दीं। --SM7--बातचीत-- १८:१०, १२ दिसंबर २०१६ (UTC)
- कृपया विकिपीडिया:चौपाल#नीक लेख आ बीछल लेख खातिर पैमाना निर्धारण पर आपन समर्थन या सुझाव दिहल जाय दिहल जाय। ई चर्चा २३ तारीख ले खुलल बाटे। --SM7--बातचीत-- १९:३१, २० दिसंबर २०१६ (UTC)
उल्लेखजोग बिसय पर नया लेख
संपादन करींनमस्ते राजकुमारी मिश्रा जी, आपके बनावल लेख देख के आ इहाँ भोजपुरी विकिपीडिया पर योगदान देख के हमरा बहुत खुसी बा। हालाँकि, आपके बनावल नया लेख सभ में कई सारा लेख अइसन बाने जिनहन के Notability पर केहू के सुबहा हो सके ला, जइसे कि बोगमालो बीच रिसोर्ट, कारण ई बा कि एह बिसय पर कवनों अन्य विकिपीडिया पर लेख नइखे बनल।
आगे से कोसिस करीं कि अगर होटल इत्यादि पर लेख बनावे के होखे तब अइसन होटल सभ पर लेख बनाईं जेकरे बारे में अंगरेजी विकिपीडिया पर लेख जरूर होखे। अंगरेजी विकिपीडिया पर लेख रहले पर बिसय के उल्लेखजोग होखे में कवनो शंका ना रह जाई। एकरे बिपरीत अगर आप अइसन बिसय पर लेख बनाइब जेकरे उल्लेख जोग होखे पर संदेह होखे तब ई परचार के श्रेणी में भी गिनल जा सके ला। परचार खातिर बनल लेख के हटावल जा सके ला।
आपसे बिनती बा कि आगे से एह बात के धियान जरूर राखीं। बहुत-बहुत शुक्रिया। --SM7--बातचीत-- 06:16, 26 जुलाई 2017 (UTC)
- हमनी क विकिपीडिया की दुनिया में नया बानीं जा और आपकी कमेन्ट जइसन विभिन्न माध्यम से सीखत बानीं जा। हमनीं क इरादा एके प्रचारक बनवले क नाहीं बल्कि जानकारीपूर्ण बनवले क रहल ह जइसन की अब हमनीं क क देले बानीं जा। अगर आपके एइसन लागत होखे की एपर हमनी के कुछ अलग कइले क जरुरत बा त कृपा करके हमनीं के बताइं।
राजकुमारी मिश्रा 15:38, 17 अगस्त 2017 (UTC)
- हमार कहल बस एतने रहल कि अगर आप अइसन बिसय पे लेख बनाइब जेकरे ऊपर अंगरेजी विकिपीडिया में भी लेख होखे तब केहू के शंका ना रहि जाई। बाकी आप के इहाँ योगदान कइल देख के हमरा बहुत खुसी बा। --SM7--बातचीत-- 17:47, 17 अगस्त 2017 (UTC)