Welcome! स्वागतम्!  

राउर बहुत-बहुत स्वागत बा राजा भोजपुरिया जी !

राजा भोजपुरिया जी, एह समय रउँआ विकिमीडिया फाउन्डेशन के परियोजना भोजपुरी विकिपीडिया पर बाड़ीं। भोजपुरी विकिपीडिया एगो मुक्त डिजिटल ज्ञानकोश हवे, जेवन अइसन भइया-बहिनी लोग मिल के लिखले बा जे ज्ञान बाँटे में बिस्वास करत बाटे। एह समय ए परियोजना में 35,013 सदस्य लोग शामिल बाटे। ई बहुते खुशी क बाति बा कि रउँओं ए में शामिल हो गइल बाड़ीं।

  • आपन परिचय आप संछेप में अपना सदस्य पन्ना पर दे सकत बानी। बहुत पर्सनल बात इहाँ मत लिखीं, न कौनों परचार वाली बात लिखीं। अपने खुद के बारे में लेख मत बनाईं।
  • दुसरा सदस्य लोगन से बात करत समय, बातचीत पन्ना पर सनेसा लिखले की बाद आपन दसखत (हस्ताक्षर) जरूर करीं। एकरा खातिर अंत में चार गो टेढ़का डैश (~~~~) लिख देंईं या टूलबार में पर क्लिक करीं।
  • मदद चाहत होखीं त विकिपीडिया के मदद पन्ना पर जाईं।

सीखे-समझे खातिर कुछ अउरी कड़ी नीचे दिहल जात बाटे:

शुरू से सीखीं    संपादन सीखीं    नया लेख लेख मनाहीं    पंचशील सदस्य समाज पन्ना

-- नया सदस्य स्वागतकर्ता (बात करीं) 04:42, 19 फरवरी 2023 (UTC)Reply

संपादन सलाह संपादन करीं

नमस्कार राजा भोजपुरिया जी, राउर नाया लेख के निर्माण के काम बढ़ियाँ काम बा। राउर बनावल नाया लेखवन में से कुछ में हम सुधार कइले बानी। ओह सुधारन के आगे से धियान में रख के नाया लेख बनाइब। कौनों किसिम के समस्या होखे तब पूछ सकत बानी।

एकरे अलावा धियान दीं कि नया लेख बनावे के बाद ओकरा के विकिडेटा से जरूर जोड़ीं।

बहुत छोट नया लेख मत बनाई। बलुक लेख के बिस्तार से बनाई। लेख बनावे में जल्दीबाजी के कौनो जरूरत ना बाटे। मशीनी अनुबाद के इस्तेमाल में सावधानी राखीं। हो सके त नया लेख कम से कम दस हजार बाईट से बेसी के बनाई (एकरा नीचे लेख के आधार लेख मानल जाला)।

देवनागरी अंक आ कैथी के इस्तेमाल मत करीं।

टेम्पलेट सभ में अनुबाद करत समय धियान रखीं कि सगरी चीज के अनुबाद करे से कई बेर टेम्पलेट के फंक्शन गड़बड़ा जाला। सीखे के कोसिस करीं की कवना चीज के अनुबाद कइल जाय आ कवना के ओइसहीं छोड़ दिहल जाय।

आगे संपादन खातिर आशा बा सुधार के धियान में राखब। शुभकामना। --SM7--बातचीत-- 20:10, 20 फरवरी 2023 (UTC)Reply

जल्दीबाजी मत करीं आ हिज्जे के धियान राखीं - तू झूठी मैं मक्कर में मक्कर ना मक्कार सही शब्द हवे। अउरी टेम्पलेट में {{Film date|df=y|२०२३|०३|०८}} में आप फिर से देवनागरी में अंक लिखले बानी जेकरा चलते एकर गणना आ प्रदर्शन खराब हो रहल बा। सॉफ्टवेयर गणना करे में देवनागरी अंक ना चीन्हे ला। इनहन के इस्तेमाल मत करीं। लेख में अउरी जरूरी सुधार पूरा करीं तब आगे दूसर नया लेख बनाईं। धन्यबाद। --SM7--बातचीत-- 05:20, 21 फरवरी 2023 (UTC)Reply

अनुबाद संपादन करीं

Related Page अउर Last edited भोजपुरी में नइखे हो सकत का ? राजा भोजपुरिया (बात करीं) 06:20, 21 फरवरी 2023 (UTC)Reply

हो सकत बा। अनुबाद हम क देइब बाकी कुछ दिन के बाद लागू होखी। --SM7--बातचीत-- 07:58, 21 फरवरी 2023 (UTC)Reply
ई फ्रेज आपके कहाँ लउकत बाड़ें ? --SM7--बातचीत-- 08:39, 21 फरवरी 2023 (UTC)Reply

देवनागरी संख्या संपादन करीं

देवनागरी संख्या पे भी कुछ परयास कईल जाव। राजा भोजपुरिया (बात करीं) 08:15, 21 फरवरी 2023 (UTC)Reply

लोकल रूप से हम सारा कोसिस क के थाक चुकल बानी। सारा किसिम के टेम्पलेट ए अंक के साथे ना काम करे लें। डेवेलपमेंट टीम के लगे ई प्रस्ताव कई सालन से हिंदी विकिपीडिया के ओर से डालल गइल बा आ अभिन ले कुछ ना भइल। एही से आप से कह रहल बानी की इनहन के इस्तेमाल मत करीं।
ओइसे राउर एतना आग्रह काहें बा ए अंक खातिर? --SM7--बातचीत-- 08:46, 21 फरवरी 2023 (UTC)Reply
अगर हमरा सम्पादन करे के बा तऽ हम शुद्ध देवनागरी में कईल चाहत बानी। राजा भोजपुरिया (बात करीं) 08:48, 21 फरवरी 2023 (UTC)Reply
मराठी विकीपीडिया में सभ कुछ देवनागरी में इहाँ तक की टेम्पलेट भी। भोजपुरियो में वसही होखे के चाहीं। राजा भोजपुरिया (बात करीं) 08:50, 21 फरवरी 2023 (UTC)Reply
परयास करीं ।
देवनागरी टेम्पलेट अउर देवनागरी संख्या खातिर। राजा भोजपुरिया (बात करीं) 08:52, 21 फरवरी 2023 (UTC)Reply

चेतावनी संपादन करीं

नमस्कार राजा भोजपुरिया जी, आपके हम मना क चुकल बानी की एह विकिपीडिया पर देवनागरी अंक आ कैथी के इस्तेमाल मत करीं। बाकी तबो आप लगातार इनहन के इस्तेमाल करत जात बाड़ीं। अइसन मत करीं।

एकरे अलावा गूगल के मशीनी अनुबाद के समय धियान से सुधार करीं। बजाय अंधाधुंध नया लेख बनावे के, बढ़ियाँ से लेख बनाईं ओकरे बाद अगिला के ओर बढ़ीं। राउर बनावल लेख सभ में सुधार कइल गइल बा ओकरा के देख के सीखे के कोसिस करीं।

मनमाना बेह्वार मत करीं। धन्यबाद। --SM7--बातचीत-- 21:34, 22 फरवरी 2023 (UTC)Reply

मराठी विकीपीडिया देखीं। राजा भोजपुरिया (बात करीं) 01:33, 23 फरवरी 2023 (UTC)Reply
ई का जबाब भइल कि मराठी विकिपीडिया देखीं? हम त देखले बानी, मराठी आ अउरियो कई गो विकिपीडिया। एकर का मतलब बा कि मराठी विकिपीडिया देखे के कहि दिहले की बाद आप फिर दोबारा उहे काम शुरू क दिहलीं जेकरा खातिर मना कइल जात बा? --SM7--बातचीत-- 07:47, 23 फरवरी 2023 (UTC)Reply
कहनाम की मराठी विकीपीडिया में देवनागरी संख्या आ मराठी ज्ञानसन्दूक दुनों चलेला तऽ अइसन भोजपुरी विकीपीडिया पऽ ना हो सकेला। बस इहे कहे के रहे।
आपन राय जरूर दिही। राजा भोजपुरिया (बात करीं) 08:21, 23 फरवरी 2023 (UTC)Reply
आ हम आपके पहिलहूँ बता चुकल बानी कि इहाँ अइसन ना हो सके ला। तकनीकी कारन से भी आ आम कारन (एह अंक के इस्तेमाल के जरूरत के तर्क के कारन) भी। मराठी, नेपाली, मैथिली, हिंदी नियर देवनागरी में लिखल जाए वाली विकिपीडिया सभ पर बहुत कोसिस भइल बा (जहाँ अइसन कोसिस बा ओहिजे सालन ले कई प्रयोगकर्ता लोग एही काम में लागल बा, जबकि एहिजे ना त एतना संख्या में टेम्पलेट संपादन करे वाला लोग बा न एह काम में एतना समय बर्बाद करे के कौनो खास जरूरत बा)। तवना पर अबो कौनों अइसन विकिपीडिया ना बा जे पर सौ परसेंट देवनागरी अंक लागू भइल होखे। मराठी, नेपाली सभ जगह आपके अंक के खिचड़ी देखे के मिली, कहीं थोर-कहीं बेसी। ई आपके भरम बा कि सगरी के सगरी टेम्पलेट मराठी पर देवनागरी में ठीक से काम करे लीं। अइसन खिचड़ी के का जरूरत बा? खाली एह खातिर कि आप एकरा के शुद्ध बूझत बानी? जे लोग एहिजे इंटरनेशनल अंक लिखत बा ऊ अशुद्ध लिख रहल बा? एही खिचड़ी से बचाव आ एकरूपता खातिर आपके देवनागरी अंक लिखे से मना कइल जात बा।
एकरे अलावा आप कैथी लिखाई काहें लिख रहल बानी? केतना परसेंट भोजपुरी भाषी लोग एकर इस्तेमाल करे ला आ मुला एकरा के बुझबो करे ला?--SM7--बातचीत-- 08:49, 23 फरवरी 2023 (UTC)Reply
अउरियो ई कि आप नया लेखबनावे के बाद उनहन में जरूरी सुधार काहें नइखीं करत? उनहन में मशीनी अनुबाद वाला वाक्य ले छोड़ दे रहल बानी। कवन जल्दी बा एगो के बाद जुरते ओकरा के खराब हालत में छोड़ के दूसर लेख बनावे के?--SM7--बातचीत-- 08:53, 23 फरवरी 2023 (UTC)Reply

दोबारा संपादन करीं

आप के एह संपादन के हम का मतलब बूझीं? --SM7--बातचीत-- 15:26, 23 फरवरी 2023 (UTC)Reply

भोजपुरी नाँव ना लिख सकनी जा का। राजा भोजपुरिया (बात करीं) 15:28, 23 फरवरी 2023 (UTC)Reply
ई ऊपर जवन संपादन देखावत बानी ओह में भोजपुरी नाँव लिखले बानी आप? परेम से अनुरोध करे पर नइखीं मानत, न चेतावनी के कौनो धियान बाटे। काहें अइसन करत बानी? --SM7--बातचीत-- 15:33, 23 फरवरी 2023 (UTC)Reply
रउआ तऽ अंगरेजी के भोजपुरी कहत बानी। अब हम का कही राजा भोजपुरिया (बात करीं) 15:37, 23 फरवरी 2023 (UTC)Reply
पहिले त ऊपर जवन संपादन के बारे में पुछात बा ओकर जबाव दीं। राउर दूसर सवाल जहां हमरे वार्ता पर बा ओही जे चर्चा करीं। ऊपर वाला संपादन के का मतलब बूझल जाय?--SM7--बातचीत-- 15:43, 23 फरवरी 2023 (UTC)Reply

अंतिम चेतावनी संपादन करीं

राजा भोजपुरिया जी, आपके ई अंतिम चेतावनी दिहल जा रहल बा। एह विकिपीडिया के डिफॉल्ट लिखाई देवनागरी हवे आ डिफॉल्ट अंक इंटरनेशनल अंक सिस्टम हवे। आप लगातार इनहन के उल्लंघन क रहल बानी। कैथी लिखाई के प्रयोग कइल बंद करीं। एकरा चलते आपके संपादन के विघटनकारी आ उत्पात मान के कार्रवाई कइल जा सके ला। आपके संपादन करे पर रोक लगावल जा सके ला। धन्यबाद। --SM7--बातचीत-- 05:10, 25 फरवरी 2023 (UTC)Reply

𑂩𑂰𑂇𑂩 𑂍𑂯𑂢𑂰𑂧 𑂍𑂰 𑂥𑂰 𑂠𑂵𑂫𑂢𑂰𑂏𑂩𑂲 𑂮𑂁𑂎𑂹𑂨𑂰 𑂞ऽ 𑂮𑂏𑂩𑂲 𑂪𑂱𑂎𑂰𑂞 𑂥𑂰- राजा भोजपुरिया (बात करीं) 14:15, 25 फरवरी 2023 (UTC)Reply
𑂦𑂷𑂔𑂣𑂳𑂩𑂲 𑂍𑂶𑂟𑂲 𑂧𑂵𑂁 𑂪𑂱𑂎𑂪𑂰 𑂣𑂵 𑂩𑂰𑂇𑂩 𑂉𑂞𑂢𑂰 𑂍𑂰𑂯𑂵𑂁 𑂤𑂰𑂗𑂵𑂪𑂰- राजा भोजपुरिया (बात करीं) 14:16, 25 फरवरी 2023 (UTC)Reply
𑂔𑂵𑂍𑂩𑂰 𑂔𑂷𑂢 𑂪𑂱𑂎𑂰𑂆 𑂧𑂵𑂁 𑂪𑂱𑂎𑂵 𑂥𑂰 𑂇𑂯 𑂪𑂱𑂎𑂰𑂆 𑂧𑂵𑂁 𑂪𑂱𑂎𑂵 𑂠𑂱𑂯𑂲- राजा भोजपुरिया (बात करीं) 14:19, 25 फरवरी 2023 (UTC)Reply

अन्य लिपि में लेख निर्माण संपादन करीं

नमस्ते राजा भोजपुरिया जी, भोजपुरी विकिपीडिया में लेख निर्माण के लिए देवनागरी लिपि को मानक माना गया हैं । आपने कैथी लिपि का प्रयोग कर के लेख निर्माण किया हैं जो नियम विपरीत हैं । आप का प्रयास उचित हो सकता हैं अगर भविष्य में समुदाय इस लिपि को सर्वसम्मति से मानने को तयार हो जाए पर अभी तत्काल वैसा हो पाना सम्भव नहीं दिख रहा हैं । मैने इसी कारण का हवाला देते हुए आप के द्वारा निर्माण किए गए कैथी लिपि प्रयुक्त लेख को शीह चिन्हित किया हैं । आप इस बात पर गम्भीरता से ध्यान देंगे धन्यवाद।--Biplab Anand (बात करीं) 12:44, 25 फरवरी 2023 (UTC)ििReply

𑂦𑂷𑂔𑂣𑂳𑂩𑂲 𑂢𑂰 𑂄𑂫𑂵𑂪𑂰 𑂞ऽ 𑂒𑂱𑂁𑂠𑂲 𑂦𑂰𑂎𑂰 𑂧𑂵𑂁 𑂧𑂞 𑂪𑂱𑂎- राजा भोजपुरिया (बात करीं) 14:07, 25 फरवरी 2023 (UTC)Reply
𑂯𑂏𑂪 𑂥𑂁𑂠 𑂍𑂩ऽ 𑂮𑂢 𑂒𑂱𑂁𑂠𑂲 राजा भोजपुरिया (बात करीं) 14:17, 25 फरवरी 2023 (UTC)Reply

रोक (Blocked) संपादन करीं

आप के कुछ समय खातिर विकिपीडिया पर संपादन करे से रोक दिहल गइल बा। आशा बा कि ई समय-सीमा खतम होखे के बाद आप विकिपीडिया पर आपन सकारात्मक योगदान करब।

अगर आपके बुझात बा कि आप पर लगावल रोक हटावल जाए के चाहीं, एहिजा आपन कारण बता के अनुरोध क सकत बानी। --SM7--बातचीत-- 19:19, 25 फरवरी 2023 (UTC)Reply

एक बेर रोक के हटला के बादो आपके बेवहार में कौनों बदलाव ना देखात बाटे, एकरा चलते आपके ब्लॉक के दुबारा बढ़ावल जा रहल बा।
ब्लॉक से बचे खातिर दूसर खाता मत बनाईं न IP से ब्लॉक के उलंघन करे के कोसिस करीं, अइसन खाता सभ के ब्लॉक क दिहल जाई। ई कौनों सकारात्मक बेहवार ना हवे।
सभ्य आचरण करीं, अपशब्द वाला टिप्पणी मत करीं जइसन आ हमरे वार्तालाप पन्ना पर लिख रहल बानी। एकरा से कौनों लाभ ना होखे वाला बा।
बजाय आपन बिचार मनमाना तरीका से बेह्वार क के लागू करवावे के, चर्चा करीं आ अपना तर्क से लोगन के सहमत करीं। अगर आप चाहत बानी कि एह विकिपीडिया के डिफॉल्ट लिपि आ अंक सिस्टम के बदलल जाए के चाहीं तब ई आपके प्रस्ताव के रूप में लिख के साबित करे के पड़ी आ सभका सहमती से (Consensus) से अइसन बदलाव लागू कइल जाई न कि आपके बेर-बेर मनमाना बेहवार से। प्रस्ताव लिखे खातिर आप वि:चौपाल के इस्तेमाल ब्लॉक के अवधि पूरा होखे के बाद क सकत बानी। राउर ब्लॉक के बीच में हटावल जा सके ला अगर आप ई वादा करीं कि चर्चा करब आ ओकरे निर्णय ले आपन बेहवार सुधारब आ चल आ रहल परंपरा के पालन क के लेख में सुधार करब भा नया लेख बनाइब।
आप के दुबारा समझावल जात बा कि कौनों नया लेख बनावे के बाद ओह में प्रारूप आ फार्मेटिंग संबंधी जरूरी सुधार करीं। लेख के बिस्तार करीं। गूगल अनुबाद के मदद से चार-छह लाइन के अनुबाद जोड़ दिहले से आ ओह में अंक भर बदल दिहले से भोजपुरी के बहुत भलाई होखत बा अइसन मत जाहिर करीं। उचित तरीका से लेख बनावे आ बिस्तार करे के सीखीं, एह में कौनों किसिम के समस्या होखे तब बताईं।
लेखन में अंगरेजी में कड़ी मत जोड़ीं आ लेखन में मनमाना कड़ी खाली कड़ी जोड़े भर खातिर मत जोड़ीं।
राउर ई वार्ता पन्ना खुलल बा। विकिपीडिया के कामकाज के तरीका समझे के कोसिस करीं आ एहिजे सभ्य आचरण के साथ आपन अनुरोध रख सकत बानी।
धन्यबाद।--SM7--बातचीत-- 10:38, 7 मार्च 2023 (UTC)Reply

{{subst:db-reason-deleted|1=ड्यून (2021 फिलिम)|2=मशीनी अनुबाद: बिना मैनुअल सुधार के}} --SM7--बातचीत-- 15:28, 5 मई 2023 (UTC)Reply