बोरा (हवा)

एड्रियाटिक तट पर बहे वाली कैटाबैटिक हवा

बोरा (अंग्रेजी: Bora) एगो उतरही चाहे उत्तर-पूरुब से बहे वाली लोकल कैटाबैटिक हवा हवे जे एड्रियाटिक सागर के आसपास के इलाका में बहे ले। एह हवा से एड्रियाटिक तट के इटली, स्लोवेनियाक्रोएशिया देस प्रभावित होखे लें।[1] आमतौर पर ई एड्रियाटिक के किनारा वाला इलाका में पहाड़ी गैप सभ से नीचे उतरे ले खास क के डिनैरिक ऐल्प्स से।[2]

क्रोएशिया के निन में हरीकेन नियर तेजी वाली बोरा हवा।

ई हवा ढाल के सहारे नीचे उतरे भा धँसके ले जेकरा चलते एकरा के कैटाबैटिक हवा में गिनल जाला। ई साल भर में कौनों भी सीजन में बह सके ले हालाँकि, एकर सभसे बेसी बहाव जाड़ा के दिनन में होखे ला।[3] जाड़ा में ई पूरा एड्रियाटिक सागर के इलाका में परभावी हो जाले आ माल्टा तक ले पहुँच सके ले।[2] बाकी समय ई खाली भर समुंद्र के किनारा वाला इलाका में महसूस कइल जाला। अपना सबसे भयानक रूप में एह हवा के तेजी घातक होखे ले आ 100 किमी प्रति घंटा के रफ़्तार तक ले के हो सके ले; अदिमी के ढनका देवे आ गाड़ी पलट देवे के ताकत वाली होखे ले।[1]

बोरा शब्द यूनानी भाषा के बोरस शब्द से आइल हवे जेकर अरथ होला उत्तर दिसा। अइसने नाँव के इस्तेमाल भूमध्य सागरकाला सागर बेसिन में तटीय इलाका सभ में बहे वाली उत्तर-पूरबी हवा सभ खातिर इस्तेमाल होखे ला। नाँव के इस्तेमाल बुल्गारिया में, काला सागर के इलाका में, रूसी आर्कटिक के नोवा ज़ेमिल्या में आ पच्छिमी अमेरिका में रॉकी परबत से पूरबी ढाल पर उतरे वाली हवा सभ खातिर इस्तेमाल होखे ला।[1]

इहो देखल जाय संपादन करीं

संदर्भ संपादन करीं

  1. 1.0 1.1 1.2 "bora | wind | Britannica". www.britannica.com (अंग्रेजी में). Retrieved 22 अप्रैल 2022.
  2. 2.0 2.1 "What is a Bora Wind?". WorldAtlas (अंग्रेजी में). 26 जुलाई 2019. Retrieved 22 अप्रैल 2022.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)
  3. "Wind of the World: Bora | weatheronline.co.uk". www.weatheronline.co.uk (अंग्रेजी में). Retrieved 22 अप्रैल 2022.{{cite web}}: CS1 maint: url-status (link)