विकिपीडिया:विकिप्रोजेक्ट भारत

विकिप्रोजेक्ट

भारत
मुख्य प्रोजेक्ट पन्नाबिसयमदद मददसदस्य सदस्यटेम्पलेट टेम्पलेटचर्चा परिचर्चा चर्चा परिचर्चा

विकिप्रोजेक्ट भारत एगो अइसन सदस्य मंडली आ प्लेटफॉर्म बाटे जहाँ विकिपीडिया पर भारतभारत के बिबिध चीज से संबंधित लेख बनावे, बढ़ावे आ सुधारे खातिर लोग एक साथ मिल के आपसी सहजोग से काम करत बा।

एह प्रोजेक्ट के मुख्य उद्देश्य गिनावल जाय तब -

  • इहाँ भारत से संबंधित लेखवन खातिर गाइड आ सहायता सामग्री उपलब्ध करावल जाला
  • भारत से संबंधित बिसय सभ पर लेख बनावे, बढ़ावे आ सुधारे अउरी रखरखाव करे के काम कइल जाला
  • भारत से संबंधित लेखवन के आँकलन करि के उनहन के क्वालिटी के अनुसार चिन्हित कइल जाला
  • भारत से संबंधित लेखवन में लगातार सुधार करे खातिर चर्चा के मंच उपलब्ध करावल जाला

संरचना

बिसय

विकिप्रोजेक्ट भारत के संचालन में सभसे प्रमुख चीज बा एह प्रोजेक्ट खातिर बिसय सभ के चुनाव। एकरे खातिर भारत के रूपरेखा नाँव के पन्ना बनावल गइल बा। अहिजा भारत से संबंधित प्रमुख बिसय सभ के कई खंड में बाँट के रखल गइल बा। एकरे अलावा प्रोजेक्ट उप-पन्ना पर भी एह लिस्ट में से कुछ के बीछ के अक्षर-क्रम (अल्फाबेटिकल लिस्ट) में रखल गइल बा जहाँ से लोग अपने रुचि हिसाब से लेख सेलेक्ट क के ओके बढ़ावे में मदद कर सकत बाटे। भोजपुरी विकिपीडिया के सुरुआती विकिपीडिया होख्ले के कारण बहुत सारा लेख अभिन ले बनल नइखें आ ई कड़ी लाल लउके ली जवना से सदस्य लोग के एह बिसय पर लेख बनावे के जरूरत के पता भी चल जाला।

एही प्रोजेक्ट उप-पन्ना पर एक ओर भारत श्रेणी के सगरी उप-श्रेणी भी दिहल गइल बाड़ी जवना में अपनी पसंद के टॉपिक पर बनल लेख बीछल आ देखल जा सकत बाटे।

सदस्य

विकिप्रोजेक्ट भारत से जुड़ल सदस्य लोग के लिस्ट एह श्रेणी में आ एह सदस्य पन्ना पर देखल जा सकत बाटे।

मदद

मदद-पन्ना पर लेख बनावे, सुधारे आ बिस्तार करे के तरीका भी सुझावल गइल बा; सावधानी का राखल जाय इहो बतावल गइल बा आ कुछ औजार आ कड़ी भी उपलब्ध करावल गइल बाटे।

टेम्पलेट

टेम्पलेट-पन्ना पर एह प्रोजेक्ट में इस्तेमाल होखे वाली आ अन्य टेम्पलेट सभ के एगो लिस्ट बनावल गइल बाटे। एह में से सदस्य लोग अपने प्रयोगकर्ता पन्ना पर लगावे खातिर, दूसरा सदस्य से बात करे खातिर आ दुसरा सदस्य के उत्साह बढ़ावे खातिर आ ओकरे काम के तारीफ़ करे खातिर एह टेम्पलेट सभ के इस्तेमाल कर सकत बाड़ें।

संसाधन