विकिपीडिया:जल्दी से हटवले के पैमाना

(विकिपीडिया:Criteria for speedy deletion से अनुप्रेषित)

जल्दी से हटवले खातिर पैमाना (हटा) खाली अइसन दसा सभ के बतावे ला जिनहन के बारे में ब्यापक सहमती बा कि एह दसा में प्रबंधक लोग अपना विवेकाधिकार के इस्तेमाल कइ के हटावे खातिर चर्चा के बिना कौनों पन्ना या मीडिया के हटा सकत बाटे (डिलीट कर सकत बा)। अइसन तरीका से हटावे के काम खाली भर नीचे लिखल नियम सभ के तहत बतावल दसा सभ में कइल जा सके ला, अन्य कौनों दसा में नाहीं।

हटावल गइल चीज वापस ले आइल जा सके ला, बाकी खाली प्रबंधक लोग द्वारा, एही से अन्य प्रकार के हटावे के काम हमेशा चर्चा क के कइल जाला, जबले कि ऊ प्रस्तावित हटावले के काम न होखें। जल्दी से हटवल, समय बचावे के नीयत से बनावल गइल बा जेवना से चर्चा में लगे वाला बेमतलब समय बचावल जा सके आ अइसन पन्ना के बिना चर्चा के हटावल जा सके जिनहन के चर्चा में रखे के फैसला होखे के कौनों उमीद न होखे।[1]

प्रबंधक लोग के कौनों पन्ना जल्दी से हटावे के पैमाना के तहत ना हटावे के चाहीं जबले कि पैमाना के लागू होखे के बारे में ऊ पूरा आश्वस्त न होखें। अगर कौनों पन्ना पछिली चर्चा में ना हटावल गइल रहल तब ओके जल्दी से हटावे के पैमाना के तहत ना हटावे के चाहीं अगर कौनों प्रकार के कॉपीराइट उल्लंघन के नया जानकारी न उपलब्ध हो गइल होखे (अइसन दसा में हाताव्ल जा सकेला) या कुछ खास निर्बिबाद कारण न होखे; ई पैमाना नीचे दिहल गइल बा। कुछ योगदान करे वाला लोग कई बेर में संपादन के बाद पन्ना बनावे ला, बहुत नया बनल पन्ना अगर अधूरा लागत होखे तब ओके न हटावल जाय बलुक कुछ इंतजार कइल जाय।

केहू भी प्रयोगकर्ता हटा टेम्पलेट सभ के इस्तेमाल द्वारा कौनों पन्ना के जल्दी से हटावे खातिर नामांकन क सकत बा। अइसन नामांकन करे से पहिले नीचे दिहल बिंदु पर बिचार करीं:

  • का ई पन्ना सुधार के रखल जा सकेला?
  • बढ़ावल जा सके लायक बा?
  • आधार लेख के रूप में रखे लायक बा?
  • कौनों दुसरा लेख में बिलय करे लायक या दुसरा टाइटिल पर अनुप्रेषण लायक बा?
  • पुरान अवतरण पर ले जा के रखल जा सके ला?
  • या कौनों अन्य तरीका से रखल जाए लायक बा?

अगर उपर में से कौनों के जबाब "हँऽ" बाटे तब उहे करीं। कौनों पन्ना हटावे लायक उमीदवार तबे होला जब एकरे इतिहास के सगरी अवतरण (रिवीजन) एही लायक होखें। हटावे के नामांकन करे वाला संपादक के साफ-साफ तौर पर ऊ पैमाना(सब) बतावे के चाहीं जेवना पर लेख जल्दी से हटावे लायक बा, आ पन्ना बनावे वाला संपादक आ पन्ना पर प्रमुख योगदान करे वाला संपादक(न) के नामांकन के सूचना देवे के चाहीं।

पन्ना के बनावे वाला प्रयोगकर्ता के अइसन टैग ना हटावे के चाहीं। खाली अइसन संपादक के ई टैग हटावे के चाहीं जे खुद पन्ना के बनावे वाला न होखे। अगर पन्ना बनावे वाला संपादक पन्ना के जल्दी से हटावे के कारण से सहमत न होखे तब ओकरा के जल्दी से हटावे के टैग के बीच में लउके वाला हटावे के नामांकन पर एतराज दर्ज करीं बटन पर क्लिक करि के आपन कारण बतावे के चाहीं। ई बटन वार्ता पन्ना पर ले जाए के कड़ी होला आ उहाँ पहिले से बनल प्रारूप में खाली जगह होला जहाँ पन्ना बनावे वाला आपन एतराज लिख सकत बा कि काहें एह पन्ना के न हटावल जाय। हालाँकि, अगर एकही ब्यक्ति के योगदान वाला पन्ना ओही ब्यक्ति द्वारा खाली क दिहल जाय तब एकरा के हटावे के अनुरोध मानल जाला (अगर ऊ पन्ना प्रयोगकर्ता नाँवस्थान में या श्रेणी न होखे), आ अइसन पन्ना के {{Db-blanked}} के टैग से हटावे खातिर नामांकित कइल जा सकत बा (देखीं व7)।

जल्दी से हटवले के अलावा, हटावे के नीचे लिखल तरीका भी बाटें:

पैमाना सभ के लिस्ट संपादन करीं

आम कारण संपादन करीं

अइसन पैमान जे कौनों भी प्रकार के पन्ना पर लागू होखे लें जबले कि कौनों सटीक पैमाना नीचे के लिस्ट में न बतावल गइल होखे, आ ई लेख, अनुप्रेषण, सदस्य पन्ना (प्रयोगकर्ता पन्ना), वार्ता पन्ना, फ़ाइल वगैरह सभ लागू होलें। नीचे सटीक पैमाना निर्धारण के तरीका दिहल बाटे कि कहाँ आ आ कब कौनों पैमाना लागू होखी।

व1. अर्थहीन संपादन करीं

अइसन पन्ना जवने क नाँव एकदम अर्थहीन या बकवास होखे; या जवना में सामग्री अइसन होखे जवना के कवनों अर्थ न बुझात होखे। एह पैमाना के तहत खराब तरीका या कमजोर शैली में लिखल चीज, उत्पात वाली चीज, कौनो दावा कइल, या फिर खराब अनुबाद वगैरह सामग्री ना आवेले। ई पैमाना सदस्य लोग के टेस्टपन्ना (सैंडबॉक्स) या अन्य प्रयोगकर्ता नाँवस्थान के पन्ना सभ पर भी ना लागू होला। संछेप में, अगर लिखल बात के कुछुओ अर्थ समझ में आवत बाटे, तब ई पैमाना (व1) ना लागू होखी।

व2. टेस्ट पन्ना संपादन करीं

ई पैमाना अइसन पन्ना पर लागू होला जे कौनों प्रकार के अभ्यास, परीक्षण, टेस्टिंग, प्रयोग करे या अन्य कौनों विकिपीडिया कार्य खातिर बनावल गइल होखे। ई पैमाना विकिपीडिया अभ्यास पन्ना के उपपन्ना पर लागू होला बाकी खुद एह टेस्टपन्ना पर ना लागू होला। ई प्रयोगकर्ता नाँवस्थान में बनल पन्ना कुल पर भी ना लागू होला। ई अइसन टेम्पलेट सभ पर भी ना लागू होला जेकर इस्तेमाल नइखे होत या जवन कौनों टेम्पलेट के डुप्लिकेट बाटे (हालाँकि, अइसन दसा में टे3 लागू हो सके ला)।

व3. साफ बर्बरता आ साफ धोखा संपादन करीं

ई पैमाना लागो होला जहाँ पन्ना साफ तौर पर बर्बरता होखे भा धोखा होखे (अगर चित्र भी गलत जानकारी देवे खातिर बनावल गइल होखे), आ अइसन अनुप्रेषण जे पन्ना-स्थानांतरण बर्बरता के सफाई के बाद बचल होखे। अइसन लेख जे कौनों वास्तव में भइल धोखाधड़ी के ऊपर बनावल गइल बाने आ ज्ञानकोश लायक जानकारी देत बाने आ ऊ धोखा उल्लेखनीय चीज रहल बा, ओह लेख सभ पर ई पैमाना ना लागू होला। यानी विकिपीडिया पर धोखाधड़ी के रूप में लेख बनावल एह पैमाना में आई, बाकी वास्तविक दुनिया के कौनों चर्चित का महत्वपूर्ण धोखाधड़ी पर बनावल लेख एह पैमाना के अनुसार ना हटावल जा सके ला।

व4. चर्चा के बाद हटावल पन्ना के दुबारा बनावल संपादन करीं

सभसे हाल के चर्चा में हटावे के फैसला के बाद हटा दिहल गइल पन्ना, ओही सामग्री के साथ या कुछ मामूली बदलाव से बनल पन्ना के एह पैमाना के अनुसार हटावल जाला।[2]एह पैमाना से बाहर अइसन पन्ना बाड़ें जिनहन के सामग्री पहिले के चर्चा में हटावल पन्ना के सामग्री से पर्याप्त रूप समानता वाली न होखे, अगर पुरनकी चर्चा में दिहल हटावे के कारण अब नइखे लागू, आ अइसन सामग्री जेकरा के प्रयोगकर्ता नाँवस्थान में ले जाइल गइल बा ताकि सुधार कइल जा सके (बाकि खाली हटावे से बचाव करे के नीयत से ना बलुक वास्तव में सुधार खातिर ले जाइल गइल बा)। ई पैमाना अइसन पन्ना सभ पर भी ना लागू होला जिनहन के हटवले के समीक्षा खातिर वापस स्थापित कइल गइल बा, जिनहन के प्रस्ताव द्वारा हटावे के बाद वापस स्थापित कइल गइल बा या जल्दी से हटवले के पैमाना के तहत हटावल गइल रहे आ वापस स्थापित कइल गइल बा (हालाँकि, अइसन स्थिति में अन्य कौनों जल्दी से हटवले के पैमाना लागू हो सकत बा)।

व5. रोकल गइल या प्रतिबंधित सदस्य के बनावल पन्ना संपादन करीं

कौनों रोकल (ब्लॉक)/प्रतिबंधित (बैन) कइल गइल प्रयोगकर्ता के बनावल पन्ना जे ब्लॉक/बैन के उल्लंघन में बनावल गइल होखे आ अउरी कौनों सदस्य के खास योगदान न होखे।

ई अइसन टेम्पलेट पर ना लागू होखी जे कहीं ट्रांस्क्लूड होखे, ना ई कौनों अइसन श्रेणी पर लागो होखी जवन इस्तेमाल लायक होखे।

  • एक पैमाना के लागू होखे के खतिर ई जरूरी बाटे कि लेख ओही दौरान बनावल गइल होखे जब प्रयोगकर्ता वास्तव में ब्लॉक या बैन रहल होखे। कौनों पन्ना जवन ब्लॉक या बैन के लगावल गइले के पहिले के बनावल होखे या फ़िर ब्लॉक/बैन हटा लिहले के बाद बनावल गइल होखे, एह पैमाना में ना आई।
  • एह पैमाना के लागो होखे खातिर बनावल पन्ना के सटीक रूप से ओह ब्लॉक या बैन के उल्लंघन होखे के चाहीं। कौनों टॉपिक-बैन प्रयोगकर्ता द्वारा ओह टॉपिक पर या संबंधित पन्ना बनावे पर ई लागू होखी लेकिन अन्य कौनों सही आ उचित बिसय पर बनावल पन्ना पर ई पैमाना ना लागू होखी।
  • {{हटा-व५|प्रतिबंधित सदस्य के नाँव}}, {{Db-g5|प्रतिबंधित सदस्य के नाँव}}, {{Db-banned|प्रतिबंधित सदस्य के नाँव}}

व6. तकनीकी संपादन करीं

ई पैमाना गैर-बिबादित रखरखाव खातिर बाटे जवना में शामिल चीज बाटे:

  • टाइटिल में तारीख वाली, खाली हो चुकल रखरखाव श्रेणी
  • कौनों बहुअर्थी पन्ना जे खाली एकही पन्ना के कड़ी से बनल होखे आ जवना के शीर्षक में अंत में "(बहुअर्थी)" जुड़ल होखे[3]
  • पन्ना स्थानांतरण के दौरान रुकावट पैदा करे वाला अनुप्रेषण पन्ना या अन्य पन्ना के हटावल।
  • जवन पन्न निर्बिबाद रूप से गलती से या फिर गलत नाँवस्थान में बन गइल होखे।
  • अकेल पड़ चुकल टेम्पलेट के आम सहमति से हटावल।
  • {{Db-g6|rationale=कारण}}, {{Db-copypaste|जवना पन्ना के स्थानांतरण करे के बा}}, {{Db-disambig}}, {{Db-move|जवना पन्ना के स्थानांतरण करे के बा|कारण}}, {{Db-xfd|fullvotepage=link to closed हटावे के चर्चा}}, {{db-error}}, {{Db-redircom}}
    • अगर ऊपर बतावल मे से कौनों न इस्तेमाल होखे तब, कारण स्पष्ट रूप से बता के {{Db-g6|rationale=हटावे के कारण}} टैग के इस्तेमाल करीं।

व7. लेखक के अनुरोध संपादन करीं

अगर कौनों पन्ना पर एकही लेखक के योगदान होखे आ ऊ खुद एकरा के हटावे के अनुरोध (अच्छा नीयत से) करत होखे। (पन्ना स्थानांतरण से बनल अनुप्रेषण खातिर भी ई पैमाना लागू होखी अगर पन्ना के स्थानातंरण करे वाला व्यक्ति भी लेखक खुदे होखे[4]) अगर कौनों पन्ना पर एकलौता योगदान करे वाला लेखक खुद ओकरा के खाली कर दे तबो एकरा के हटावे के अनुरोध मानल जा सके ला।

व8. हटावल भा गैर-मौजूद पन्ना पर निर्भर पन्ना संपादन करीं

एह पैमाना के उदाहरण में -

  • अइसन वार्ता पन्ना जवना के कौनों बिसय पन्ना न होखे,
  • उपपन्ना जवना के मूल पन्ना न होखे,
  • चित्र पन्ना (मीडिया पन्ना) जवना से संबंधित चित्र (मीडिया) मौजूदे न होखे,
  • अबैध (इनवैलिड) लक्ष्य पर अनुप्रेषण, जइसे कि नामौजूद पन्ना पर, अनुप्रेषण लूप, आ खराब शीर्षक,
  • बिना इस्तेमाल के एडिटनोटिस जे कौनों गैर-मौजूद पन्ना या अनसाल्टेड[5] हटावल पन्ना के होखे,
  • अइसन श्रेणी जवना में हटावल टेम्पलेट या अनुप्रेषित टेम्पलेट होखे।

कौनों भी अइसन पन्ना जे विकिपीडिया खातिर उपयोगी होखे, एह पैमाना में ना आई।

व9. ऑफिस एक्शन संपादन करीं

देखीं: Wikipedia:Office actions

विकिमीडिया फाउंडेशन के सर्वाधिकार !

विकिमीडिया फाउंडेशन आफिस के लगे ई अधिकार सुरक्षित बाटे की ऊ कौनों पन्ना के कुछ समय खातिर तुरंत हटा सकत बाटे अगर अगर कौनों बहुत अपवाद के (मने एक्सेप्शनल) परिस्थिति होखे। अइसन हटावल चीज के बिना फाउंडेशन के परमीशन के ना वापस कइल जाय।

व10. पन्ना के बिसय रुपी ब्यक्ति या कौनों अन्य ब्यक्ति के डेरवावे, धमकावे, अपशब्द कहे, निंदा करे खातिर बनल पन्ना जवना के अउरी कौनों औचित न होखे संपादन करीं

अइसन "हमला पन्ना" के उदाहरण कौनों धमकी देवे, परेशान करे, कानूनी कार्रवाई के धमकी देवे या केहू जिंदा ब्यक्ति के जीवनी जवना में जानबूझ के नकारात्मक टोन में आ बिना स्रोत संदर्भ के लिखल पन्ना आवेला। अइसन पन्ना सभ के तुरंत हटा देवे के चाहीं अगर पन्ना के इतिहास में कौनों वर्शन तटस्थ रूप से लिखल न मिले जहाँ ले बाद के संपादन सभ वापस (रिवर्ट) कइल जा सके। पन्ना के टाइटिल आ सामग्री दुन्नों में से कौनों भी हमला के रूप में हो सकेला। अइसन हटावल गइल पन्ना के केहू भी संपादक द्वारा तबतक ले वापस स्थापित न कइल जाई जब तक ले ऊ पन्ना जीवनीपरक लेख के मानक न पूरा कर ले।

व11. निर्बिबाद रूप से प्रचार या प्रमोशन संपादन करीं

अइसन पन्ना जवन साफ तौर पर परचार होखे आ एकरा के सुधारे खातिर पूरा हटा के दुबारा लिखे के पड़ी ताकि ई विकिपीडिया के विकिपीडिया:NOTFORPROMOTION के तहत न आवे। अगर बिसय उल्लेखनीय होखे तब, आ अगर सामग्री के विकिपीडिया के तटस्थ नजरिया के अनुसार लिखल पाठ से बदल दिहले के कौनों गुंजाइश होखे तब हटावे की बजाय अइसने कइल ढेर ठीक होखी।

नोट: कौनों भी लेख जे अपना बिसय के बर्णन तटस्थ नजरिया से करत होखे, एह पैमाना के अंदर ना आई। हालाँकि, "परचार" के मतलब हमेशा ई ना होला की ब्यापारिक या बानिज्यिक रूप से परचार कइल जाय: कौनों भी चीज के परचार कइल जा सके ला, जेवना में ब्यक्ति, गैर-बानिज्यिक संस्था भा संस्थान, कौनों ख़ास दृष्टिकोण वगैरह शामिल बाटे।

"कौनों अइसन चीज (बस्तु, सामान, संस्था, संस्थान, लोग, पुस्तक, बिचारधारा) जवना के महत्वपूर्ण साबित करे भर खातिर विकिपीडिया पर लेख बनावल जाय ऊ "परचार" मानल जाई आ विकिपीडिया के इस्तेमाल अइसन काम खातिर बर्जित बाटे।"

व12. साफ कॉपीराइट उल्लंघन संपादन करीं

इ पैमाना अइसन पन्ना सभ पर लागू होला जिनहन पर लिखल पाठ पूरा क पूरा कौनों कॉपीराईट वाला सामग्री, या अइसन सामग्री जवना के स्रोत स्थान पर साफ़-साफ़ न लिखल होखे की ई पब्लिक डोमेन में बा, एकर उचित उपयोग कइल जा सकत बाटे, या ऊ समुचित फ्री लाइसेंस वाला बा, से लिहल गइल होखे, आ पन्ना पर कौनों अइसन पाठ (या हिस्सा) मौजूद न होखे जे कॉपीराईट के उल्लंघन न होखे। अगर इतिहास के अइसन वर्शन मौजूद होखे जवना में कॉपीराईट मुक्त चीज होखे तब ओह पुरान वर्शन पर वापस कई के पन्ना रखल जाई, नाही ट एह पैमाना के तहत हटा दिहल जाई। कौनों संदेह के स्थिति में (जहाँ परमीशन पर संदेह होखे, बिबाद होखे, या फ्री सामग्री में कुछ कॉपीराईट वाली सामग्री मिला के लिखल होखे , या कुछ हद तक कॉपीराईट उल्लंघन या बहुत नजदीकी शब्दावली बदलाव (क्लोज पैराफ्रेजिंग) के साथ लिखल गइल होखे, लेख या खंड के {{subst:Copyvio}} से बदल दिहल जाय, आ पन्ना के कॉपीराइट समस्या खातिर लिस्ट में डाल दिहल जाय। अउरी जानकारी खातिर विकिपीडिया:कॉपीराइट उलंघन देखल जाय। पब्लिक डोमेन के चीज या अन्य फ्री लाइसेंस वाली चीज एह पैमाना के तहत ना आई, खाली एह वजह से भी ना की स्रोत के जानकारी (क्रेडिट) ना दिहल गइल होखे। फोटो आ फाइल खातिर नीचे "फाइल" खंड देखल जाय।

नोट: अगर व12 के अलावा कौनों अउरी पैमाना भी लागो होखत होखे तब, टेम्पलेट {{Db-multiple}} के प्रयोग कइल जाय जवना से की कॉपीराइट समस्या सुल्झावे में समय न बर्बाद होखे।


लेख संपादन करीं

नोट: अहिजा दिहल पैमाना में कुछ नंबर गायब बाड़ें काहें से की ऊ अंग्रेजी विकिपीडिया से हटा दिहल गइल बाड़ें आ इहाँ भी ना लागू होलें। अइसन पैमाना सभ जे पुरान पड़ चुकल बाटे ओकर लिस्ट अंग्रेजी विकिपीडिया पर देखल जा सकत बाटे। अंग्रेजी विकिपीडिया के पैमाना सभ के संख्या से मैच करे खातिर इहाँ भी अइसन संख्या के खाली छोड़ दिहल गइल बाटे।

ल1. बिना प्रसंग संपादन करीं

अइसन पन्ना जिनहन में लिखल बात अतना कम बाटे की इहे न बुझाय की लेख के बिसय का बाटे आ एही कारन उनहन में सुधार भा बिस्तार कइल संभव न होखे। अगर कौनों तरीका से ई समझ में आवत होखे की लेख के बिसय का बाटे आ ओह बिसय पर लेख बनावल जा सके तब ई पैमाना लागू ना होखी। ई पैमाना अइसन पन्ना पर भी ना लागू होखी जे भोजपुरी में न होखे बलुक कौनों अन्य भाषा में होखे आ ओह भाषा में एकरा के समझल जा सकत होखे। कौनों पन्ना के एह पैमाना के तहत नामांकन भी ना करे के चाहीं अगर कौनों पन्ना अबहिने नया-नया बनावल गइल होखे, काहें से की ई हो सकेला की लेखक अभी ओह पन्ना में बिस्तार करे।

ल2. दूसर भाषा में लिखल लेख जौन कौनों दूसरे भाषा के विकिमीडिया प्रोजेक्ट पर मौजूद होखे संपादन करीं

ई पैमाना अइसन लेख पर लागो होला जवना के कौनों दूसरा भाषा के विकिपीडिया से कॉपी करिके बना दिहल गइल होखे। मने कि दुसरा भाषा के विकिपीडिया के आ अहिजा बनावल पन्ना, दूनों के सामग्री एकही होखे। अगर सामग्री एकही नइखे तब टेम्पलेट {{भोजपुरी नइखे}} के प्रयोग करीं, आ पन्ना के विकिपीडिया:अनुवाद खातिर लेख पर नामांकित कर दीं जवना से समीक्षा हो सके आ जरूरत अनुसार अनुवाद हो सके।

एकर एक ठो बिसेस दसा इहो हो सके ला कि कौनों दुसरे भाषा के विकीमीडिया प्रोजेक्ट से कॉपी कइल चीज, कुछ अनुबाद के साथ इहाँ लगावल जाय जबकि अनुबाद भी भोजपुरी में न होखे। उदाहरण खाती अगर केहू अंगरेजी विकिपीडिया से कौनों लेख के कुछ वाक्य ले के ओकर हिंदी में अनुबाद क के इहाँ लेख बना दे, उहो एह पैमान के अनुसार हटावल जा सके ला (अइसन दशा में नामांकन करत घरी अंगरेजी विकिपीडिया के मूल लेख के कड़ी दिहल जाय)।

ल3. खाली पन्ना संपादन करीं

लेख नाँवस्थान में बनल पन्ना (जे कौनों बहुअर्थी पन्ना न होखे या फिर कौनों विकिमीडिया के साथी प्रोजेक्ट पर अनुप्रेषण, भा सॉफ्ट अनुप्रेषण न होखे) जवना में खाली बाहरी कड़ी, श्रेणी के टैग, "इहो देखल जाय" अनुभाग, अन्य कौनों टाइटिल के रिफ्रेजिंग, कौनों प्रश्न जे मदद डेस्क पर पूछल जाए के चाहीं या रिफरेन्स डेस्क पर, टाइटिल में लिखल ब्यक्ति के संबोधित करि के लिखल चिट्ठी या चैट नियर कमेन्ट, अन्य चैट नियर कमेंट, टेम्पलेट टैग आ/भा चित्र भर होखे। ई अइसन बहुत छोट पन्ना पर ना लागू होखी जेवना के प्रसंग आ बिसय समझ में आवत होखे आ बिस्तार कइल जा सके। ई अइसन पन्ना पर भी ना लागू होखी जे पर खाली ज्ञानसंदूकभर होखे।

खराब भाषा, कमजोर भासा आ दूसर भाषा में लिखल लेख भी एह पैमाना के अनुसार ना हटावल जाई।

ल5. ट्रांस्विकी कइल लेख संपादन करीं

ई अइसन पन्ना पर लागू होखी जवना के विकिमीडिया के कौनों दूसरा प्रोजेक्ट (विक्शनरी, विकिस्रोत या कौनों दूसर भाषा के विकिपीडिया) पर भेजल (ट्रान्सविकी कइल) जा चुकल होखे। अइसन सागरी पन्ना भी जवना के नामांकन हटावे खातिर चर्चा बदे भइल रहल होखे आ ई सहमती बनल होखे की दूसरा जगह भेज दिहल जाय आ ई ट्रान्सविकी के काम ठीक से पूरा हो चुकल होखे आ लेखक के क्रेडिट उहाँ पहुँच चुकल होखे।

ल7. महत्व के कौनों चीन्हा ना (ब्यक्ति, जानवर, संस्था (ऑर्गेनाइजेशन), वेब सामग्री, घटना) संपादन करीं

ई पैमाना कौनों भी अइसन लेख पर लागू होला जे कौनों वास्तविक ब्यक्ति, कौनों जानवर, संस्था (ऑर्गेनाइजेशन), वेब सामग्री या ऑर्गेनाइज्ड घटना के बारे में होखे आ जवना में एह बात के उल्लेख न होखे की कवना वजह से लेख के बिसय महत्व वाला बाटे, शिक्षण संस्थान सभ के एह पैमाना से छूट बाटे। ई पैमाना सत्यापन आ बिस्वास जोग स्रोत के जरूरत से अलग बूझल जाय, आ एकर स्टैंडर्ड उल्लेखनीयता से नीचे के बाटे। ई पैमाना खाली वेब सामग्री आ लोग के बारे में बनल लेख पर लागू होला, आ संस्था (ऑर्गेनाइजेशन), कौनों बिसेस जानवर (सिंगल या इंडीविजुअल) पर लागू होला। केहू के लिखल किताब या कौनों काम, एलबम वगैरह पर (हटा ल9 लागू हो सकेला), सॉफ्टवेयर, भा अन्य रचनात्मक काम पर नाहीं। ई जानवरन के प्रजाति पर ना लागू होला बलुक कौनों एक ठो जानवर पर लागू होला (जइसे के केहू अपने पोसल कुक्कुर के बारे में लेख बना दे)। ई पैमाना अइसन लेख पर ना लागू होला जवना में महत्त्व के कौनों दावा या कथन कइल गइल होखे भले ओह दावा खातिर बिस्वास जोग संदर्भ न दिहल होखे या फिर लेख विकिपीडिया के सामान्य उल्लेखनीयता दिशानिर्देश के मोताबिक न होखे। ई पैमाना जरूर लागू होखी अगर महत्त्व के दावा खुदे बिस्वास जोग न होखे। अगर दावा के बिस्वसनीयता कमजोर बाटे तब आप खुद लेख के सुधार सकत बानी या फिर हटावे के प्रस्ताव कर सकत बानी।

  • {{Db-a7}}, {{हटा-ल७}}, {{हटा-ल7}}, {{Db-person}} – लोग खातिर, {{Db-band}} – बैंड पार्टी खातिर, {{Db-club}} – क्लब, सोसायटी, मंडली, समूह खातिरs, {{Db-inc}} – कंपनी, कोर्पोरेशन आ संस्था या ऑर्गेनाइजेशन खातिर, {{Db-web}} – वेबसाइट खातिर, {{Db-animal}} – कौनों एक ठो जानवर बिसेस खातिर, {{Db-event}} – घटना खातिर
  • अगर महत्त्व के दावा (क्लेम ऑफ सिग्निफिकेंस) बिस्वास जोग होखे तब ल7 नाहीं लागू होखी भले दावा उल्लेखनीयता दिशानिर्देश पर सही न उतरे। अइसन बिसय जे नया पन्ना के जाँच करे वाला लोग के बिना-उल्लेखनीयता के लागे उनहन के भी हटावे के चर्चा में उल्लेखनीय साबित होखले के गुंजाइश हो सकेला।

ल9. महत्व के लच्छन ना (म्यूजिक रेकार्डिंग) संपादन करीं

ई पैमाना कौनो म्यूजिकल रिकार्डिंग या म्यूजिकल रिकार्डिंग सभ के लिस्ट पर लागू होला जब कौनों भी शामिल कलाकार के ऊपर लेख न होखे आ ई न बतावल गइल होखे की काहें ई लेख महत्व के बाटे (दूनों शर्त पूरा होखे के चाहीं)। ई पैमाना अन्य प्रकार के मीडिया, उत्पाद या अन्य कौनों प्रकार के लेख पर ना लागू होला।

ल10. हाल में बनल लेख जवन पहिले स मौजूद लेख के डुप्लीकेट होखे संपादन करीं

ई पैमाना कौनों भी हाल के बनावल लेख पर लागू होला जवना के कौनों बिसेस इतिहास न होखे आ जवन लेख कौनों पहिले से बनल लेख के डुप्लीकेट होखे, आ जवन पहिले से बनल लेख से बिस्तृत न होखे आ अउरी कौनो जानकारी न जोड़त होखे, आ एकरी बर्तमान टाइटिल से अनुप्रेषण बनावे के जरूरत भी ना होखे।

एह पैमाना में पन्ना के सामग्री तूर के आ बाँट के बनावल लेख, बिस्तार कइल लेख, विलय जोग सामग्री से बनावल लेख वगैरह ना आवे लें। एह पैमाना में बहुअर्थी पन्ना भी ना आवे लें अगर नवका टाइटिल संभावित होखे।

  • {{Db-a10|article=पहिले से मौजूद लेख के टाइटिल}}, {{Db-same|article=पहिले से मौजूद लेख के टाइटिल}}, {{हटा-ल१०|article=पहिले से मौजूद लेख के टाइटिल}}, {{हटा-डुप्लीकेट|article=पहिले से मौजूद लेख के टाइटिल}}
  • एकर प्रयोग बहुत बिरला स्थिति में करे के चाहीं आ जहाँ ले हो सके अनुप्रेषण आ बिलय के इस्तेमाल से मामिला सही करे के चाहीं।

ल11. निश्चित रूप से खुदनिर्मित संपादन करीं

अइसन लेख जिनहन में ई बतावल होखे की कौनों खोज/नया नाँव/कौनों नया चीज बनावल गइल बाटे (लेखक द्वारा या लेखक के केहू परिचित द्वारा), आ ओह चीज या बिसय के महत्व के बारे में कौनों मजबूत दावा न करत होखे। ई पैमाना न लागू होखी अगर कौनों अइसन मजबूत दावा कइल गइल बाटे, भले दावा के सबूत सन्दर्भ के रूप में उपलब्ध न करावल गइल होखे।

नोट: ई पैमाना धोखाधडी खातिर ना बाटे (देखीं हटा व3)[6]

कौनों अइसन लेख जवन जल्दी से हटवले के पैमाना पर न उतरे, चर्चा से या प्रस्ताव से हटावे के तरीका के प्रयोग करीं।

अनुप्रेषण संपादन करीं

नोट: अहिजा दिहल पैमाना में कुछ नंबर गायब बाड़ें काहें से की ऊ अंग्रेजी विकिपीडिया से हटा दिहल गइल बाड़ें आ इहाँ भी ना लागू होलें। अइसन पैमाना सभ जे पुरान पड़ चुकल बाटे ओकर लिस्ट अंग्रेजी विकिपीडिया पर देखल जा सकत बाटे। अंग्रेजी विकिपीडिया के पैमाना सभ के संख्या से मैच करे खातिर इहाँ भी अइसन संख्या के खाली छोड़ दिहल गइल बाटे।

अनु2. क्रॉस-नाँवस्थान अनुप्रेषण संपादन करीं

ई पैमाना, शॉर्टकट के अलावा, बाकी सगरी अइसन अनुप्रेषण सभ पर लागू होला जे मुख्य नाँवस्थान से कौनों अन्य नाँवस्थान पर बनावल जाय, श्रेणी:, टेम्पलेट:, विकिपीडिया:, मदद:पोर्टल: के छोड़ के

अगर अनुप्रेषण स्थानांतरण के कारण बनल होखे, हटावे से पहिले एक दू दिन इंतजार कइल जाय।

अनु3. गैर-संभावित वर्तनी संपादन करीं

ई पैमाना हाल में बनल अइसन अनुप्रेषण सभ पर लागू होला अइसन गलत इस्पेलिंग वाला शब्द से बनल होखे जेवना के प्रयोग संभावित न होखे। हालाँकि, आमतौर पर होखे वाली इस्पेलिंग (वर्तनी) के गलती से बनल अनुप्रेषण उपयोगी होला आ कई बेर अलग भाषा के शब्द से कइल गइल अनुप्रेषण भी उपयोग लायक होला । ई पैमाना अइसन स्थानांतरण से बनल अनुप्रेषण सभ पर ना लागू होला।[4] ई अइसन लेख या आधार लेख सभ पर भी ना लागू होला जिनहन के विलय करि के अनुप्रेषण बना दिहल गइल होखे,[7] या अइसन अनुप्रेषण पन्ना जे "(बहुअर्थी)" पर खतम होखे आ कौनों बहुअर्थी पन्ना पर ले जात होखे।


फाइल संपादन करीं

ई पैमाना सभ फाइल, फोटो, आ अन्य प्रकार के मीडिया पर लागू होलें।
फोटो या चित्र नाँवस्थान आ फाइल (File:) एक दूसरा के समकक्ष बाड़ें।

फ1. फालतू दुहराव संपादन करीं

अइसन डुप्लीकेट फोटो जवना के इस्तेमाल न होत होखे, या कम रिजोल्यूशन वाली फोटो जे ओही फाइल फॉर्मेट में कौनों दुसरी विकिपीडिया फाइल के कॉपी होखे। एह पैमाना से विकिमीडिया कॉमंस के फाइल बरी बाटे; अइसना फाइल सभ खातिर फ८ देखल जाय।

फ2. खराब (करप्ट), गायब या खाली फाइल संपादन करीं

ई पैमाना ओह फाइलन पर लागू होला जे ख़राब (करप्ट), गायब या खाली होखें, या फिर जिनहन के मेटाडेटा में अनाप-शनाप जानकारी होखे।

ई पैमाना कॉमंस पर मौजूद फाइल के लोकल बिबरन पन्ना पर भी लागू होला, हालाँकी, एकरे अपवाद के रूप में अइसन बिबरन पन्ना बाने जहाँ कौनों अन्य प्रोजेक्ट (जइसे {{FeaturedPicture}}) से सम्बंधित जानकारी होखे।

फ3. बिना सही लाइसेंस संपादन करीं

ई अइसन मीडिया के चिन्हित करे ला जेकर लाइसेंस "खाली गैर-कॉमर्शियल इस्तेमाल" (जेह में गैर-कॉमर्शियल क्रियेटिव कॉमंस लाइसेंस भी शामिल बा), "(no derivative use)", "केवल विकिपीडिया पर इस्तमाल" या "परमीशन के साथ इस्तमाल" वाला होखे। इनहन के हटावल जा सकेला अगर ई फाइल गैर-मुक्त सामग्री के मानक पर ठीक न उतरत होखें।

फ4. लाइसेंस जानकारी के अभाव संपादन करीं

पैमाना अइसन मीडिया फाइल सभ पर लागू होला जिनहन के कॉपीराईट स्टेटस के सत्यापन करे खातिर जरूरी लाइसेंस संबंधी जानकारी नइखे दिहल गइल आ इनहन के पहिचान एह रूप में भइल बा, सात दिन के बाद कब्बो हटावल जा सकेला। प्रबंधक लोग के एह पैमाना पर कौनों फाइल के हटावे से पहिले स्रोत के जानकारी समझे के प्रयास के रूप में अपलोड के सारांश, फाइल के जानकारी पन्ना आ खुद फोटो के जरूर देख लेवे के चाहीं।

F5. बिना इस्तेमाल गैर-मुक्त फाइल संपादन करीं

फोटो या अन्य मीडिया जे लाइसेंस फ्री या फिर पब्लिक डोमेन में न होखे आ कौनों भी लेख में इस्तेमाल न हो रहल होखे। इनहन के अइसन रूप में पहिचान होखे के सात दिन बाद, या अगर फाइल के एकही अइसन लेख में प्रयोग भइल होखे आ लेख हटावल जा चुकल होखे तब तुरंत हटावल जा सकेला। एह पैमाना में फाइल के पुरान रूप भी शामिल बा। विवेक अनुसार आगे बन सके वाला लेख में इस्तेमाल के संभावना के आधार पर अइसन फाइल के अपवाद रूप में रखल भी जा सके ला।

फ6. गायब गैर-मुक्त उपयोग औचित संपादन करीं

ई पैमाना अइसन गैर-मुक्त फाइल सभ पर लागू होला जे उचित उपयोग के दावा करत होखें लेकिन अइसन कौनों औचित से इस्तमाल न हो रहल होखे। इनहन के चिन्हित होखे के बाद सात दिन के बाद हटावल जा सकेला। कई जगह इस्तेमाल के दावा वाला उपयोग औचित के कॉपीराइट टैग लागल होखल कौनों वैध तर्क ना गिनल जाला। ई पैमाना अइसन जगह ना लागू होला जहाँ उचित उपयोग के तर्क दिहल गइल होखे लेकिन अभी ऊ बिबाद के बिसय होखे।

फ7. उचित-उपयोग के अबैध दावा संपादन करीं

  • गैर-मुक्त फोटो या मीडिया जवन साफ-साफ तौर पर उचित-उपयोग टैग के अबैध इस्तेमाल करत होखें, तुरंत हटावल जा सके लीं।
  • कॉमर्शियल स्रोत (उदाहरण खातिर, एसोशिएटेड प्रेस, गेटी) से लिहल गैर-मुक्त फोटो या मीडिया, जहाँ फाइल खुदे स्रोत के कमेंटरी के बिसय न होखे, उचित उपयोग के दावा के रूप में अबैध मानल जालीं आ उचित उपयोग के कड़ाई से लागू होखे वाला पैमाना पर खरा ना उतरे लीं; इनहन के तत्काल हटावल जा सके ला।
  • गैर-मुक्त फोटो या मीडिया जिनहन के मुक्त बिकल्प से बदलल जा सके लायक चिन्हित कइल गइल होखे आ {{subst:Rfu}} से टैग कइल गइल होखे, दू दिन के बाद हटावल जा सके लीं, अगर अइसन बदल के बिरोध में मजबूत तर्क न दिहल गइल होखे। हालाँकि, बदल पर बिबाद के दशा में, अगर दूसर प्रबंधक सक्रिय होखे तब, हटावे के नामांकन करे वाला प्रबंधक के खुद इनहन के एक हप्ता ले ना हटावे के चाहीं।
  • अबैध उचित उपयोग के दावा वाली फाइल जिनहन के {{subst:Dfu}} से टैग कइल गइल होखे टैग भइले के सात दिन के बाद हटावल जा सकेलीं अगर एह दौरान पूरा आ बैध उपयोग-औचित न जोड़ल जाय।
  • {{Db-f7}}, {{Db-badfairuse}} (तत्काल फ७ हटावल); {{subst:Rfu}} (मुक्त मीडिया से बदल जोग); {{subst:Dfu}} (बिबादित उचित उपयोग)

फ8. ठीक ओही रूप में विकिमीडिया कॉमंस पर उपलब्ध संपादन करीं

अगर नीचे दिहल शर्त पूरा होखत हो:

  • अगर कॉमंस वर्शन ठीक ओही फाइल फॉरमैट में होखे आ ढेर नीक क्वालिटी के/बढियाँ रिजोल्यूशन के होखे।
  • लाइसेंस जानकारी आ स्रोत के ऊपर कौनों संदेह लायक बात न होखे आ लाइसेंस निर्बिबाद रूप से कॉमंस पर स्वीकार होखे।
  • फोटो के {{Do not move to Commons}} या {{Keep local}} से न टैग कइल गइल होखे।
  • कॉमंस के फाइल बिबरण पन्ना पर सगरी जानकारी, जेह में पूरा अपलोड इतिहास, अपलोड करे वाला प्रयोगकर्ता के के लोकल प्रयोगकर्ता पन्ना के कड़ी के साथ मौजूद होखे। (अपलोड इतिहास जरूरी नइखे अगर फाइल के लाइसेंस एकर माँग न करत होखे, लेकिन तबपर भी ई होखे त ढेर नीक मानल जाला)।
    • अगर कौनों अन्य जरूरी सूचना/जानकारी (जइसे कि {{FeaturedPicture}}) वगैरह लोकल बिबरण पन्ना पर न होखे तब एकरा के फाइल हटावे के बाद तुरंत हटा दिहल जाय।
  • अगर फोटो कॉमंस पर कौनों दूसर नाँव से मौजूद होखे, सगरी लोकल रिफरेंस सभ के कॉमंस वाली फोटो के नाँव के साथ अपडेट कइल जाय।
  • फोटो सुरक्षित न होखे। सुरक्षित फोटो सभ के कबो मत हटाईं, भले उनहन के ठीक ओइसने कॉपी कॉमंस पर मौजूद होखे।
  • {{C-uploaded}} फोटो सभ के तत्काल हटा देवे के चाहीं, जइसहीं ऊ मुख्य पन्ना से हटें।

{{Db-f8}}, {{Now Commons}}, {{Now Commons|File:name of file on Commons.ext}}

फ9. निर्बिबाद कॉपीराइट उल्लंघन संपादन करीं

ई पैमाना अइसन फोटो (आ अन्य मीडिया) पर लागू होला जे निर्बिबाद रूप से गैर-मुक्त होखें आ अपलोड करे वाला उचित उपयोग के दावा न कइले होखे। यूआरऍल (URL) या अन्य कौनों अइसन इशारा जवन ई बतावे कि फोटो कहाँ से बा, बतावल जाए के चाहीं। ई पैमाना अइसन फोटो सभ पर ना लागू होला जहाँ मालिकाना हक वाला ब्यक्ति विकिपीडिया के साथ कम्पैटिबल मुक्त-लाइसेंस के साथ खुद रिलीज कइले होखे। खुल्ला उल्लंघन सभ के {{Db-filecopyvio}} टेम्पलेट से टैग करे के चाहीं। कॉपीराइट उल्लंघन के संदेह होखे तब विकिपीडिया:हटावे खातिर फाइल में रखल जाय।

फ10. फालतू गैर-मीडिया फाइल संपादन करीं

ई पैमाना अइसन फाइल सभ पर लागू होखी जे न त फोटो (इमेज) होखें, ना आवाज (साउंड) होखें, ना त बीडियो होखें; न कौनों लेख में इस्तेमाल भइल होखें; न इनहन के भविष्य में कौनों लेख में इस्तेमाल के गुंजाइश बुझात होखे।

फ11. परमीशन के सबूत न होखे संपादन करीं

अगर केहू अपलोडर लाइसेंस बतावत समय कौनों तिसरा पार्टी के नाँव स्रोत के रूप में दिहले होखे आ एह बात के कौनों सबूत न दिहले होखे कि वास्तव में ऊ तीसरा पार्टी एह बात खातिर सहमत बाटे, अपलोड करे वाला के नोटिस दे के अइसन फाइल सभ के सात दिन बाद हटा दिहल जाय। मान्य सबूत में या त अइसन कड़ी दिहल गइल होखे के चाहीं जहाँ स्रोत वेबसाइट पर साफ-साफ लाइसेंस लिख होखे। अइसन कन्फर्मेशन के जरूरत तब्बो होखी जब तिसरी पार्टी या संस्था होखे आ अपलोड करे वाला खुद के एकर प्रतिनिधि होखे के दावा करत होखे, या फिर अइसन कौनों वेब प्रकाशन जवना के अपलोडर मालिक होखे के दावा करत होखे। साफ-साफ तौर पर कॉपीराइट उल्लंघन के पैमाना फ9 के तहत तत्काल हटा दिहल जाय अगर उचित-उपयोग के दावा न होखे। जवना फाइल के {{OTRS pending}} से 30 दिन से ढेर के समय से टैग कइल गइल होखे उनहन के भी एह पैमाना के तहत हटा दिहल जाय।

ऊपर दिहा पैमाना पर सटीक न उतरे पर अइसन मीडिया के विकिपीडिया:हटावे खातिर फाइल में ले जाइल जाय।

श्रेणी सभ संपादन करीं

C1. खाली श्रेणी संपादन करीं

जवन श्रेणी कम से कम एक हप्ता से खाली होखें। ई पैमाना ना लागू होला - बहुअर्थी श्रेणी, श्रेणी अनुप्रेषण, बीछल टॉपिक श्रेणी सभ, या अन्य श्रेणी सभ जिनहन के हटावे पर चर्चा चल रहल होखे, या अन्य अइसन श्रेणी सभ जिन्हन के उनके काम के प्रकृति अइसन होखे कि कबो-कबो खाली रह सकत होखें। अइसन श्रेणी सभ में {{Empty category}} के सभसे ऊपर लगावल जाय जवना से इनहन के एह पैमाना के आधार पर हटावे से रोकल जा सके।
श्रेणी सभ के {{Db-c1}} से टैग करीं।

ई पैमाना आगे चार गो उप-पैमाना में बाँटल गइल बा:

C2. नाँव बदलाव या विलय संपादन करीं

C2A. टाइपो आ इस्पेलिंग (हिज्जे) के गलती
  • हिज्जे के गलती सुधारे खातिर आ भोजपुरी भाषा के अलग-अलग क्षेत्र के हिसाब से बन गइल नाँव सभ में एकरूपता ले आवे खातिर स्थानांतरण (नाँव बदलाव) आ विलय जरूरी होखे तब सभसे उचित नाँव से श्रेणी बनावल जाय आ स्थानांतरण या विलय के बाद पुरनकी के एह पैमाना के तहत हटावे के नामांकन कइल जाय।
  • हाइफन आ डैश के उचित इस्तेमाल खातिर नाँव में बदलाव (स्थानांतरण) के बाद बचल श्रेणी के एह पैमाना पर हटावे के नामांकन कइल जाय।
C2B. स्थापित विकिपीडिया नामकरण चलन आ परंपरा के लागू करे खातिर
  • देस के पूरा नाँव (उदाहरण, यूऍस → यूनाइटेड स्टेट्स)।
  • बहुअर्थी शब्द के समस्या के कारण (उदाहरण, श्रेणी:वाशिंगटन → श्रेणी:वाशिंगटन (राज्य) या श्रेणी:वाशिंगटन, डी॰सी॰)।
C2C. श्रेणी के पूरा सीरीज (ऊपर के श्रेणी आ उपश्रेणी) जेह तरीका से नाँव वाली होखे ओकरा साथे एकरूपता ले आवे खातिर। (उदाहरण, श्रेणी
एशिया के शहर, श्रेणी:भारत के शहर के साथ तालमेल बनावे खातिर श्रेणी:पंजाब में शहर → श्रेणी:पंजाब के शहर)
  • जब श्रेणी एक ठो अइसन सीरीज (tree) के हिस्सा होखे आ एह बात में कौनों संदेह न होखे।
  • सीरीज के नाँव भरपूर रूप से स्थापित होखे।
C2D. लेख के नाँव के साथ तालमेल बनावे आ एकरूपता रखे खातिर
  • अगर कौनों लेख के नाँव सहमती से बदल दिहल जाय आ ओही बिसय पर श्रेणी होखे त स्थानांतरण कइल जाय आ पाछे छूटल श्रेणी के एह पैमाना पर हटावे खातिर नामांकित कइल जाय।
  • लेख के नाँव में बदलाव आम सहमती से भइल होखे, बिबाद के कौनों गुंजाइश न होखे।
  • ई पैमाना ना लागू होखी अगर लेख या श्रेणी कौनों के भी नाँव के बदले संबंधी कौनों चर्चा अभी चल रहल होखे आ आम सहमती न बनल होखे।
C2E. लेखक के अनुरोध
  • श्रेणी के बनावे वाला प्रयोगकर्ता (छह महीना के अंदर) एकरा के दुसरा नाँव पर लेजाये के अनुरोध करे।
  • अन्य प्रयोगकर्ता लोग श्रेणी में लेख जोड़े या श्रेणी में संपादन करे के काम न कइले होखे।
C2A से C2E ले के तहत नामांकन खातिर, {{subst:Cfr-speedy|नया नाँव}} लगा के एक ठो अनुरोध विकिपीडिया:CFDS पर लिख दीं। प्रबंधक लोग C2E के केस पर तुरंत फैसला ले सकत बा आ लागू क सकत बाटे।

अन्य कौनों प्रकार के श्रेणी हटावे खातिर जवन जल्दी से हटवले के पैमाना पर न होखें, विकिपीडिया:चर्चा खातिर श्रेणी पर लिखीं।

प्रयोगकर्ता पन्ना संपादन करीं

नोट: कुछ संख्या बीच से गायब बाटे कहें की अंग्रेजी विकि पर इन्हन के हटा दिहल गइल बा लेकिन अंग्रेजी विकिपीडिया के संख्या साईं समानता रखे खातिर इनहना के एही कर्म में रखल गइल बा।

स1. सदस्य अनुरोध संपादन करीं

निजी प्रयोगकर्ता पन्ना आ एकर उप पन्ना सभ (लेकिन प्रयोगकर्ता बातचीत पन्ना ना ) के हटावे के अनुरोध अगर खुद उहे प्रयोगकर्ता करे। अगर केहू अपना प्रयोगकर्ता पन्ना खातिर एडिटनोटिस बनवले होखे त ओहू के एह पैमान के तहत हटावल जा सके ला। कुछ दशा में प्रबंधक कौनों पन्ना के रखे खातिर अपना विवेक से निर्णय ले सके ला। केहू भी सदस्य के वार्ता पन्ना एह पैमाना पर ना हटावल जा सकेला।

स2. नामौजूद सदस्य संपादन करीं

अइसन सदस्य पन्ना जेवना नाम के प्रयोगकर्ता मौजूद नइखे (रजिस्टर नइखे भइल) (जाँच सदस्य सूची में में कइल जा सकेला)। ई पैमाना केहू बेनाम सदस्य (आईपी ) जे संपादन कइले होखे, केहू रजिस्टर्ड सदस्य के सदस्यनाँव के संभावित गलत स्पेलिंग से बनल अनुप्रेषण, या हाल में नाँव बदलाव के कारण पाछे छूटल अनुप्रेषण करे वाला सदस्य पन्ना (अइसन पन्ना सभ के कुछ निश्चित समय ले अइसहीं छोड़ल जा सके ला) पर न लागू होला।

स3. गैर-मुक्त फोटो सभ के गैलरी संपादन करीं

अइसन गैलरी सभ जे प्रयोगकर्ता नाँवस्थान में बनावल गइल होखें आ जिनहन में ज्यादातर "उचित उपयोग" गैर-मुक्त मीडिया (फोटो) होखे। विकिपीडिया के गैर-मुक्त सामग्री के नीति कौनों प्रकार के गैर-मुक्त सामग्री में प्रयोगकर्ता नाँवस्थान में प्रयोग के मना करे ले, भले ऊ सामग्री प्रयोगकर्ता खुदे अपलोड कइले होखे; पब्लिक डोमेन में मौजूद या फ्री लाइसेंस के फोटो के सदस्य पन्ना पर रखल जा सके ला।

स5. वेब होस्ट के रूप में विकिपीडिया के खुल्ला दुरुपयोग संपादन करीं

प्रयोगकर्ता नाँवस्थान में बनल पन्ना जिनहन पर अइसन लेख, जानकारी, चर्चा, आ/या क्रियाकलाप बाटे जे विकिपीडिया के लक्ष्य से सीधा तौर पर संबंधित नइखे, जहाँ प्रयोगकर्ता प्रयोगकर्ता पन्ना के अलावा अन्य जगहन पर बहुत कम योगदान कइले बा। एकर अपवाद के रूप में संभावित लेख के रफ़ ड्राफ्ट आ अइसन चीज जवन विकिपीडिया:प्रयोगकर्ता पन्ना#हम अपना प्रयोगकर्ता पन्ना पर का रख सकत बानी? के पालन करे वाली सामग्री बाटे।
एह टेम्पलेट के कौनों प्रयोगकर्ता पन्ना पर लगावे या एह पैमाना के तहत कौनों पन्ना के हटावे से पहिले, अनुपयुक्त जानकारी के का कइल जाय (अंग्रेजी में) आ विकिपीडिया:प्रयोगकर्ता पन्ना#प्रयोगकर्ता पन्ना हटावल जरूर पढ़ लिहल जाय।

कौनों अइसन प्रयोगकर्ता पन्नासभ जे जल्दी से हटवले के पैमाना पर सही नइखे उतरत, विकिपीडिया:अन्य हटावे के काम के इस्तेमाल कइल जाय।

टेम्पलेट संपादन करीं

नोट:

  • अंग्रेजी विकिपीडिया के संख्या से समानता रखे खातिर अहिजा कुछ पैमाना नम्बर गायब बाड़ें।
  • कौनों टेम्पलेट के हटावे क नामांकन करत समय हटावे के टैग के हमेशा <noinclude>…</noinclude> के बीच में रखीं।

टे2. विकिपीडिया नीति के गलत प्रतिनिधित्व संपादन करीं

अइसन सगरी टेम्पलेट जे निर्बिबाद रूप से विकिपीडिया के नीति से गलत तरीका से प्रस्तुत करें, उदाहरण खातिर डिस्क्लेमर टेम्पलेट जे लेख में प्रयोग की नीयत से बनावल गइल होखें, या अइसन कौनो टेम्पलेट जे तुरंत हटावे के टैग के रूप में बनावल गइल होखें जबकि उनहन में बर्णित कारण कौनों वैध पैमाना न होखे (यानी कि एह पन्ना पर दिहल पैमाना के अलावा कौनों दूसर कारण बता के हटा टेम्पलेट बनावल गइल होखे)।

टे3. डुप्लीकेट आ हार्डकोडेड इंस्टैंस संपादन करीं

टेम्पलेट जे पर्याप्त रूप से कौनों दूसर टेम्पलेट के डुप्लीकेट होखे, या कौनो दूसर टेम्पलेट के हार्डकोडेड इंस्टैंस होखे जहाँ उहे फंक्शन ओह दुसरा टेम्पलेट के इस्तमाल से लागू हो सकत होखे, टैग कइला के सात दिन बाद हटावल जा सके ला।
  • <noinclude>{{हटा-टे3|~~~~~ | दुसरकी टेम्पलेट}}</noinclude>, <noinclude>{{Db-t3|~~~~~ | Other template}}</noinclude>, <noinclude>{{Db-duplicatetemplate|~~~~~ | Other template}}</noinclude>

कौनों अन्य टेम्पलेट सभखातिर, जे तुरंत हटावे लायक कैंडिडेट नइखें, विकिपीडिया:चर्चा खातिर टेम्पलेट के इस्तमाल करीं।

  1. एह संदर्भ में धियान लायक बात बा की, "जल्दी से" के मतलब सहज-निर्णय बा, न कि लेख (या पन्ना) के बनावल जाए के बाद से बीतल समय से।
  2. एकरे निर्धारण में सबसे हाल के चर्चा प्रभावी होखे ले। एकर मतलब ई भइल कि अगर सबसे हालिया चर्चा में "रखल जाय" के निर्णय भइल तब ई पैमाना व4 ना लागू होई। एही तरे, अगर कौनों लेख सबसे हाल के चर्चा में "हटावल जाय" के निर्णय वाला रहल तब ओके एह पैमाना पर हटा दिहल जाई भले कौनों पुरान चर्चा में रखे के निर्णय भइल होखे।
  3. अगर पन्ना (बहुअर्थी) शब्द के साथ न खत्म होत होखे, एकरा के ओह पन्ना पर अनुप्रेषित कर दीं जवना के कड़ी इहाँ रखल रहल हऽ।अगर कौनों कड़ी नइखे तब ई ल३, "खाली पन्ना" के तहत हटावल जा सके ला।
  4. 4.0 4.1 स्थानांतरण के बाद पाछे छूटल अनुप्रेषण के हचर्चा द्वारा हटावल जा सके ला अगर चर्चा में ई तय होखे कि एकरे हटावे से कौनों बाह्दी कड़ी वगैरह के टूटे के गुंजाइश ना बा।
  5. अंगरेजी विकिपीडिया पर जवना टाइटिल के बनावे पर रोक होला ओकरा के साल्टेड पन्ना कहल जाला, अइसन टाइटिल पर से सुरक्षा हटा लिहल जाय तब ऊ अनसाल्टेड कहाई। मतलब ई कि अगर कौनों सुरक्षित शीर्षक खाती एडिटनोटिस बनावल गइल रहे आ अब हो शीर्षक से सुरक्षा हटा लिहल गइल बा तब अइसन एडिटनोटिस के कौनों मकसद ना रह गइल बा, ओके हटावल गैर-बिबादित रखरखाव के काम में आई।
  6. धोखाधड़ी के बिपरीत ई अइसन बिसय होलें जे वास्तव में बनावल गइल या ईजाद कइल गइल होखें, एही से इनहन पर G3 ना लागू होला।
  7. अंगरेजी पर en:Wikipedia:Merge and delete देखीं जहन ई बतावल गइल बा कि बिले से बनल अनुप्रेषण सभ के काहे ज्यादातर दसा में हटावे के ना चाहीं।

इहो देखल जाय संपादन करीं