एरोसोल
एरोसोल (अंगरेजी: Aerosol), हवा चाहे कौनों अउरी गैस में बहुत महीन ठोस कण या फिर द्रव (लिक्विड) अवस्था में बहुत महीन बूँद सभ के लटकल रहे आ तैरत रहे से बने वाला मिक्सचर हवे।[1] मने कि अइसन गैस जेह में कुछ मात्रा में ठोस कण या महीन बुन्नी के रूप में कौनो लिक्विड सस्पेंसन के स्थिति में होखे।[नोट 1] एह परिभाषा के हिसाब से बादर आ कोहरा भी एक तरह के एरोसोल हवें काहें कि हवा में पानी के बुन्नी या बर्फ के महीन कण के टंगाइल रहे के कारण बादर आ कोहरा बने ला।
एरोसोल सभ में लिक्विड भा ठोस कण सभ के डायामीटर बहुधा <1 μm होखे ला; बड़हन पार्टिकल सभ जिनहन के नीचे बइठे के गति तेज होखे ले अइसन मिक्सचर के सस्पेंशन बनावे ले बाकी ई बिभेद कौनों बहुत साफ ना बाटे। आम भाषा में एरोसोल के मतलब "एरोसोल स्प्रे" होला जे अक्सरहा कैन में भा अइसने कौनों डिब्बा में भरल रहे लें। अन्य टेकनीक सभ में कीटनाशक के छिड़काव, साँस के बेमारी सभ के इलाज में एकर इस्तेमाल आ इंजन में कंबशन (दहन) के बिज्ञान में एकर इस्तेमाल शामिल बाटे।[2] हवा में फइले वाली बेमारी में भी एरोसोल सभ के योगदान हो सके ला जे साँस द्वारा शरीर में परवेश क के नोकसान पहुँचा सके ले (अइसन एरोसोल के बायोएरोसोल कहल जाला)।[3]
एरोसोल बिज्ञान के अध्ययन के प्रमुख बिसय में इनहन के जेनरेशन आ हवा से हटावल, टेक्नोलाजिकल प्रयोग, पर्यावरण आ लोग पर एकरे परभाव आ कुछ अन्य बिसय सामिल बाड़ें।[1]
इहो देखल जायसंपादन
नोटसंपादन
- ↑ रसायन बिज्ञान में "सस्पेंशन" आ "एरोसोल" में अंतर कइल जाला। एरोसोल में महीन कण "कोलाइड" के रूप में तैरे लें जबकि सस्पेंशन में कण बड़हन होखे लें आ इनहन के नीचे बइठे के गति तेज होला। हालाँकि इनहन के बीचा में कौनों किलियर बटवारा मुश्किल बा।
संदर्भसंपादन
- ↑ 1.0 1.1 Hinds, 1999, p. 3
- ↑ Hidy, 1984, p. 254.
- ↑ Fuller, Joanna Kotcher (2017-01-31). Surgical Technology – E-Book: Principles and Practice (English में). Elsevier Health Sciences. ISBN 978-0-323-43056-2.
स्रोत ग्रंथसंपादन
- Hinds, William C. (1999). Aerosol Technology (2nd संस्क.). Wiley - Interscience. ISBN 978-0-471-19410-1.
- Hidy, George M. (1984). Aerosols, An Industrial and Environmental Science. Academic Press, Inc. ISBN 978-0-12-412336-6.
बाहरी कड़ीसंपादन
- International Aerosol Research Assembly
- American Association for Aerosol Research
- NIOSH Manual of Analytical Methods (see chapters on aerosol sampling)
ई जलवायु बिज्ञान/मौसम बिज्ञान–संबंधित लेख एगो आधार बाटे। जानकारी जोड़ के एकरा के बढ़ावे में विकिपीडिया के मदद करीं। |