Binay babu
राउर बहुत-बहुत स्वागत बा Binay babu जी !
Binay babu जी, एह समय रउँआ विकिमीडिया फाउन्डेशन के परियोजना भोजपुरी विकिपीडिया पर बाड़ीं। भोजपुरी विकिपीडिया एगो मुक्त डिजिटल ज्ञानकोश हवे, जेवन अइसन भइया-बहिनी लोग मिल के लिखले बा जे ज्ञान बाँटे में बिस्वास करत बाटे। एह समय ए परियोजना में 36,848 सदस्य लोग शामिल बाटे। ई बहुते खुशी क बाति बा कि रउँओं ए में शामिल हो गइल बाड़ीं।
सीखे-समझे खातिर कुछ अउरी कड़ी नीचे दिहल जात बाटे:
|
-- नया सदस्य स्वागतकर्ता (बात करीं) 11:11, 20 जुलाई 2022 (UTC)
स्वागत बा
संपादन करींनमस्कार Binay babu जी, राउर भोजपुरी विकिपीडिया पर हमरा ओर से बहुत स्वागत बाटे। बहुत खुसी के बात बा की आप एहिजा आपन योगदान करे सुरू कइले बानी। आसा बा की आप एही तरे आपन योगदान जारी राखब आ भोजपुरी विकिपीडिया के बढंती में सहजोग करब। कौनों किसिम के समस्या भा संदेह होखे पर आप हमरा से सवाल पूछ सकत बानी आ मदद ले सकत बानी। एकरा बदे आप हमरा बातचीत पन्ना पर सनेसा भेज सकत बानी। --SM7--बातचीत-- 04:09, 17 अक्टूबर 2022 (UTC)
लिखाई के सिस्टम
संपादन करींनमस्कार Binay babu जी, एह विकिपीडिया के डिफॉल्ट लिखाई देवनागरी हवे आ डिफॉल्ट अंक इंटरनेशनल अंक सिस्टम हवे। आप से अनुरोध बा कि इनहने के इस्तेमाल आपन योगदान करे में करीं। अइसन ना करे पर राउर संपादन विघटनकारी आ उत्पात मानल जा सके ला। धन्यबाद। --SM7--बातचीत-- 05:12, 25 फरवरी 2023 (UTC)
सम्पर्क
संपादन करींसम्पर्क में रही SM7 हरदम बिरूधे रहेला। राजा भोजपुरिया (बात करीं) 13:18, 25 फरवरी 2023 (UTC)
- ठिक बा। Binay babu (बात करीं) 04:49, 26 फरवरी 2023 (UTC)
- कैथी लिपि के अक्षर बहुत पातर बा से अक्षरन के तनी मोटा कैल जा सकेला? Binay babu (बात करीं) 04:56, 26 फरवरी 2023 (UTC)
रोक (Blocked)
संपादन करींआप के कुछ समय खातिर विकिपीडिया पर संपादन करे से रोक दिहल गइल बा। आशा बा कि ई समय-सीमा खतम होखे के बाद आप विकिपीडिया पर आपन सकारात्मक योगदान करब।
अगर आपके बुझात बा कि आप पर लगावल रोक हटावल जाए के चाहीं, एहिजा आपन कारण बता के अनुरोध क सकत बानी। --SM7--बातचीत-- 07:22, 26 फरवरी 2023 (UTC)
दोबारा रउवाँ कैथी लिपि के इस्तेमाल क रहल बानी
संपादन करींजी, आपके मना भी कइल जा चुकल बाटे आ एक बेर ब्लॉक कइल जा चुकल बा। एकरा बावजूद आप लेखवन में दोबारा से कैथी लिपि के इस्तेमाल करे शुरू क दिहलीं। बजाय एकरा के मनमाना ढंग से करे के, चर्चा करीं आ आपन पक्ष साबित करीं। विकिपीडिया पर एह लिपि के इस्तेमाल बिना आम सहमती के मत करीं। एक बेर दोबारा आप के चेतावनी दिहल जा रहल बा। विकिपीडिया के कार्य प्रणाली समझे के कोसिस करीं। --SM7--बातचीत-- 06:22, 6 मार्च 2023 (UTC)
- जी हां , कैथी लिपि भोजपुरी के आपन खुद के लिपि बा।ना के देवनागरी नियन गोद लेवल। भाषा के पहिचान ओकर लिपि से होला। लिपि कौनो भाषा के परिवेश होला ओकर समृद्धि आ वैभव के प्रतीक होला। भोजपुरी कवनो आजके ना १३०० साल पुरान भाषा आ एकर ढेरका साहित्य कैथी में बा ना के देवनागरी लिपि में। आज भोजपुरी के जवन दुर्दशा बा ई देवनागरी लिपि के उपयोग के चलते बा। भोजपुरियन के ओकर आपन भाषा के भव्यता आ गौरवशाली इतिहास के पता नैखे एकरो कारन देवनागरी बा। लोग आपन भाषा पढ़ ना पावे काहेसे के ऊ ई कैथी लिपि पढ़ ना पावे । एह से हम एह लिपि के प्रचार प्रसार करके आपन भाषा के भूलाईल पहिचान वापस देवाएम्। Binay babu (बात करीं) 11:35, 6 मार्च 2023 (UTC)
- @Binay babu जी, जबाब देवे खातिर बहुत धन्यवाद। अगर आपके बुझाता कि राउर ऊपर लिखल तर्क सही आ उचित बाने आ आप एह बात सभ के उचित प्रमाण दे के साबित क सकत बाड़ीं, आ एह विकिपीडिया पर जहाँ अबले देवनागरी लिखाई आ इंटरनेशनल अंक लिखात आ रहल बा ऊ गलत बाटे तब समुदाय के साथे एह बिसय पर चर्चा करीं। विकिपीडिया के चौपाल अइसन चर्चा खाती उचित जगह होखी। जहाँ आप एक बेर पहिलहूँ लिख चुकल बानी आ आपके जबाब दिहल जा चुकल बा।
- चौपाल पर आपन मकसद आ तर्क प्रमाण के साथे लिख के एगो प्रस्ताव रखीं आ सभके सहमती हासिल करे के कोसिस करीं। चर्चा में जवन सवाल पूछल जाय उनहन के उचित तरीका से जबाब दीं। जब राउर बात साबित हो जाय आ समुदाय राउर प्रस्ताव पर सहमत हो जाय ओकरा बाद आप अइसन बदलाव क सकत बानी। ओकरा पहिले अइसन बदलाव करे से परहेज करीं जे एहिजे के चलत आ रहल परंपरा के साथे संगत ना बइठत बा। --SM7--बातचीत-- 13:17, 6 मार्च 2023 (UTC)